अमेरिका से बतिया रहल पाकिस्तान बहुते कुछ माँग रहल बा

अमेरिका आ पाकिस्तान के बीच रणनीतिक बातचीत में पाकिस्तान सेना आ ओकरा खुफिया एजेन्सी के अधिकारियो शामिल वाड़े आ ओकर पूरा कोशिश बा कि पाकिस्तानो के साथ अमेरिका वइसने परमाणु समझौता करे जइसन भारत का साथे कइले बा. भारत एह बात के खिलाफत कर रहल बा. अमेरिका दुनु देश का बीच पंच बने से इनंकार कर दिहले बा. पाकिस्तान निहोरा करत रहेला कि अमेरिका पंच बन के काश्मीर मसला हल करा देव.

ओबीसी के आँकड़ा ना होखला का चलते महिला आरक्षण में कोटा ना होखी

केन्द्रीय विधि मंत्री कहले बाड़े कि चूँकि राष्ट्रीय स्तर पर ओबीसी के आँकड़ा मौजूद नइखे एहसे महिला आरक्षण में ओह लोग के कोटा ना दिहल जा सके. जबकि एकरा बावजूद नौकरी में, आ पढ़ाई में कोटा दिहल जा रहल बा. मोइली के इहो उम्मिद बा कि अगिला महीना ई विधेयक संसद से बिना कवनो बदलाव के पारित हो जाई.

देश के तेरह शहरन में यूरो ४ मानक लागू होखी

यूपी के लखनऊ, आगरा, कानपुर समेत देश के तेरह गो बड़का शहरन में यूरो चार मानक लागू होखला का चलते ओह शहरन में पहली अप्रैल से पेट्रोल के दाम अउरी बढ़ जाई. एह सूची में बिहार आ झारखण्ड के कवनो शहर शामिल नइखे.

जौनपुर के एगो फैक्टरी में डकैती

जौनपुर के अबिनव स्टील फैक्टरी में मंगल का दिने डाका पड़े के खबर बा जवना के आरोपी पन्द्रह लोग पर मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा. पाँच जने गिरफ्तारो भइल बाड़े. आरोपियन का सूची में एगो बसपा नेतो के नाम बा, डकैती में लूटल इण्डिका कार पुलिस बरामद कर लिहले बिया. कहल जा रहल बा कि आरोपी बसपा नेता पहिले फैक्टरी के मालिक रहलें आ बाद में हिसाब किताब हो गइल रहे. फैक्टरी का सीसीटीवी में डकैतन के फोटो रिकार्ड हो गइल बा..

बिहार सरकार के कोचिंग नीति के विरोध होखे लागल

बिहार सरकार के प्रस्तावित कोचिंग नीति के विरोध उठल शुरु हो गइल बा. कोचिंग पढ़ावे वाला शिक्षक एह नीति के विरोध कर रहल बाड़े. कुछ छात्र संगठनो एह नीति का खिलाफ बाड़े. संचालक त नाहिये चइहें कि ओह लोग पर कवनो तरह के अंकुश लागो. देखल जाव कि सरकार आज एह पर आपन कवन नीति सामने ले आवत बिया.

पहिलक महिला रिमकोलियन सेना अधिकारी बनली

देहरादून के राष्ट्रीय इंडियन मिलिट्री अकादमी से पास आउट होखे वाली पहिलका महिला कैडेट स्वर्णिमा थपलियाल सेना के कोर आफ इंजीनियर्स में अधिकारी बनावल गइल बाड़ी. अकादमी से पास करे वाला कैडेटन के रिमकोलियन कहल जाला. स्वर्णिमा अपना बैच में टॉप कइले बाड़ी.

भारती एयरटेल अफ्रीकन टेलीकॉम कम्पनी खरीदलसि

भारती एयरटेल अपना तीसरका कोशिश में सफल रहल आ पन्द्रह देश में टेलीकॉम सेवा देबे वाली कंपनी जेन टेलीकॉम के पौने एगारह बिलियन डॉलर में खरीद लिहलसि. टाटा स्टील का बाद ई दूसरका कंपनी बिया जवन दस बिलियन डॉलर से बेसी में कवनो विदेशी कंपनी के अधिग्रहण कइले बिया..

पान का पीक से परेशान बा लंदन के वेम्बले

पान खाये वाला आ खैनी चबावे वाला लोग शायदे एह बात के ध्यान राखेला कि ऊलोग केने थूकत बा. लंदन के वेम्बले में हिन्दुस्तानी लोग के तादात ज्यादा बा त पान के पीको ज्यादा देखे के मिली, अब फैसला लिहल गइल बा कि पान के पीख फेंके वाला लोग से जुर्माना वसूलल जाई आ लोग के एह आदत के छोड़े के सीख दिह जाई.

मोदी तईयार हो गइले जाँच दल का सामने आवे खातिर

२७ मार्च के दिने गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी विशेष जाँच दल का सामने गवाही देबे जा सकेलें. ऊ एकरा पर सहमति दे दिहले बाड़े बाकिर इहो कहले बाड़न कि बढ़िया रहित कि जाँच दल सुप्रीम कोर्ट के फैसला के इन्तजार कर लेव जवन पाँच अप्रेल के आवे वाला बा.

पंजाब के किंग्स एलेवन पर राजस्थान रायल्स के जीत

काल्हु मोहाली में भइल मैच में राजस्थान रायल्स किंग्स लेवन के ३१ रन से हरा दिहलस. खास बात ई बा कि दुनु टीम के मलिकाइन, प्रीति जिंटा आ शिल्पा शेट्टी, में काल्हु एह बात के रेस रहे कि केकर टीम जीतत बा. ओने आईपीएल कमिश्नर ललित मोदी कहले बाड़े कि एह साल आईपीएल के कमाई अक अरब डॉलर से बेसी होखे जा रहल बा. पिछला साल साढ़े चार सौ करोड़ डॉलर के कमाई भइल रहे.

Loading

%d bloggers like this: