प्राविडेण्ट फण्ड से मिले वाला धन पर टैक्स ना लागी

ड्राफ्ट टैक्स कोड़ के संशोधित रुप में सरकारी आ प्राइवेट प्राविडेण्ट फण्ड से मिले वाला धन पर टैक्स ना लगावे के बात कहल गइल बा. पहिले एह निकासी पर टैक्स के बात कहल जात रहे जवना से आम आदमी चिन्तित रहुवे. सरकार इहो फैसला कइले बिया कि अबही मिले वाला टैक्स रियायत के बरकरार राखल जाई जवना में हाउसिंग लोन पर मिले वाला रियायत शामिल बा.

परमाणु जवाबदेही विधेयक में प्रस्तावित संशोधन सरकार वापिस लिहलस

परमाणु जवाबदेही विधेयक में प्रस्तावित संशोधन वाला नोट जारी करे खातिर परमाणु उर्जा विभाग के सचिव खेद प्रकट कइलन आ कहलन कि उनकर गलती रहे जे वइसनका संशोधन प्रस्तावित कइल गइल रहे. ओह संशोधन से कवनो दुर्घटना का हालत में सप्लायरन के जिम्मेदारी से मुक्त राखे के बात कहल गइल रहे. भोपाल गैस त्रासदी का बैकड्राप में एह संशोधन से सरकार के बहुते फजीहत होत रहुवे. हालांकि अबहियो मुआविजा पर ५०० करोड़ के सीमा मौजूद बा जवन कि परमाणु दुर्घटना का हालात में कौड़ियो के दाम के ना रही.

बसपा अपने दम पर बिहार में चुनाव लड़ी

पटना के गाँधी मैदान में बिहार, झारखण्ड, उड़ीसा, आ पश्चिम बंगाल से आइल बसपा के जोनल कार्यकर्ता सम्मेलन में मायावती एलान क दिहली कि अपने दम पर बिहार के सगरी सीट पर चुनाव लड़ीहे. कहली कि खुला सभा कइला के जरुरत अब नइखे आ बन्द कमरा में पार्टी आफिस से आइल साहित्य आ निर्देश पर सभका के तइयार करावे के बा. उनका हिसाब से देश में कई राज्य में दलित, मुसलमान, जनजाति, आ पिछड़ा वर्ग के लोग बसपा से जुड़ रहल बा आ हर जगहा बसपा के ताकत बढ़ावत रहे के बा.

यूपी के स्थानीय चुनाव दलविहीने होखी

विपक्ष के सगरी आपत्तियन के नकारत यूपी के नगर विकास विभाग साफ कर दिहलस कि आवे वाला स्थानीय निकायन के चुनाव राजनीतिक दलन का चुनाव चिह्न पर ना लड़ल जाई आ दल विहीन होखी. इहो कहले कि विभाग के अइसनका कवनो योजना नइखे कि मेयर आ निकाय अध्यक्षन के सीधा चुनाव करावल जाव. कहले बा कि पहिलही का तरह ऊ लोग चुनल जइहें.

जमुई में स्टेट बैंक के शाखा जरा दिहले नक्सली

जमुई में बरहट थाना से चार किलोमीटर दुर स्टेट बैँक के खादी ग्राम शाखा में सोमार का रात एक बजे का आसपास नक्सली उत्पात मचवले आ बैंक शाखा में आग लगा दिहले. पुलिस ओहिजा आठ घंटा का बाद चहुँपल आ करोड़ो के नुकसन हो गइल. ओने पश्चिम बंगाल में मिदनापुर जिला के सलोबोनी गाँव में पुलिस मुठभेड़ में आठ गो नक्सलियन के मार गिरावे के खबर आइल बा जवना में तीन गो महिला नक्सलि शामिल बाड़ी सँ. घटना स्थल से एगो एके ४७ समेत कई गो असलहा बरामद भइल बा.

बलिया नौका दुर्घटना में मरे वाला लोग के संख्या ६२ भइल

सोमार का दिने बलिया के दुबहड़ थाना के ओझवलिया घाट पर मुण्डन संस्कार करे गइल परिवारन से भरल नाव पलटला से मरे वालन के संख्या ६२ हो गइल बा. काल्हु देर साँझ ले लाश मिलत रहली सँ. अबहियो कई लोग लापता बतावल जा रहल बाड़े आ दू जगहा जाल लगा के लाश खोजे के काम चल रहल बा. काल्हु कई जगहा मृतकन के सामूहिक नरसंहार कइल गइल. हालात कतना भयावह बा एकर अन्दाजा एहीसे लगावल जा सकेला कि दाह संस्कार खातिर लकड़ी कम पड़ गइल त जिलाधिकारी आदेश कर के बाहर से लकड़ी मँगवलन.

गुरु अर्जुनदेव जी के ४०५ वां शहीदी दिवस आज

आजुवे का दिन ४०५ साल पहिले मुगल बादशाह जहाँगीर का हुक्म से गुरु अर्जुनदेव जी के लाहौर में भयंकर यातना दे के मार डालल गइल रहे. उनका पर मजहब बदले के दबाव रहे जवन कि ऊ ना मनले आ जान दे दिहले. गुरु ग्रन्थ साहिब के पुनर्सम्पादन आ संकलन अउर अमृतसर के श्री हरमंदिर साहिब के निर्माण उनकर योगदान में शामिल बा. एह अवसर पर देश दुनिया मे शबद कीर्तन हो रहल बा.

गुरुदेव रविन्द्रनाथ ठाकुर के पेंटिग बेच दिहल गइल

लंदन के एगो नीलामीघर रविन्द्र नाथ टैगोर के १२ गो दुर्लभ पेण्टिंग के सेट काल्हु १६ लाख पौण्ड में बेच दिहल गइल. एकरा के उनकर सबसे महत्वपूर्ण कृति बतावल गइल बा. उनकर प्रशंसक एकर भरपूर विरोध कइलें बाकिर नीलामी ना रुक पावल. एकरा पहिलहू महात्मा गाँधी के चश्मा कलम थरिया कटोरी, टीपू सुल्तान के तलवार वगैरह नीलाम होत आइल बा.

सरकार कोल इण्डिया में आपन हिस्सेदारी बेची

आर्थिक मामिलन के मंत्रीमण्डलीय समिति कोल इण्डिया में सरकार के हिस्सेदारी के विनिवेश करे के फैसला कइले बा. कुछ हिस्सा कर्मचारियन के बेचल जाई आ खुदरा निवेशकन के पाँच फीसदी के रियायत दिहल जाई. सरकार का लगे कोलइण्डिया के सगरी शेयर बा.

फीफा वर्ल्ड कप के पाँचवा दिन

काल्हु का मैच में न्यूजीलैण्ड आ स्लोवाकिया के मैच एक एक से बराबरी पर छूटल. पुर्तगाल आ आइवोरी कोस्ट के मैचो ड्रा रहल जवना में कवनो टीम गोल ना कर पावल. नार्थ कोरिया आ ब्राजील के मैच में ब्राजील दू एक से मैच जीत गइल. ब्राजील अब अपना ग्रुप में सबसे उपर आ गइल बा. आजु चिली आ होण्डूरास का बीच, स्पेन आ स्विट्जरलैण्ड का बीच, आ दक्षिण अफ्रीका आ उरुग्वे का बीच मैच होखे वाला बा.

Loading

%d bloggers like this: