टटका खबर, बुध, ३० जून

by | Jun 30, 2010 | 0 comments

चन्द्रशेखर का वारिसन से बकाया वसूलल जाई

प्रधानमंत्री रहे का दौरान चन्द्रशेखर वायुसेना के विमान के गैर सरकारी इस्तेमाल कइले रहले बाकिर ओकर भुगतान ना कइले. कुल् ५ करोड़ ९१ लाख रुपिया के बकाया उनका पर बा जवना के वसूली खातिर वायुसेना अदालत में मुकदमा दाखिल कइले रहुवे. उनकर मौत हो गइला का चलते अदालत ऊ अरजी बरखास्त कर दिहलस. अब वायुसेना के कानून मंत्रालय सलाह दिहले बा कि चन्द्रशेखर का पार्टी आ उनका वारिसन से ओह बकाया के वसूलल जाव.

आठवीं तक के फीस माफ भइल

यूपी का सरकारी स्कूलन में क्लास आठ तक कवनो फिस ना देबे के पड़ी. राज्यसरकार अपना सगरी स्कूलन के निर्देश भेज दिहले बिया कि आठवीं कक्षा तक विद्यार्थियन से कवनो तरह के फीस ना लिहल जाव. अबहीं क्लास तीन से पाँच तक के विद्यार्थियन के फीस माफ रहत रहुवे बाकिर कुछ दोसर शुल्क वसूलल जात रहुवे. निजी विद्यालयन के विद्यार्थियन के फीस देबे के पड़ी. निजी विद्यालय मनमाना फीस वसूले ले आ ओकनी पर कवनो तरह के रोक ना लगावल जाव.

मेडिकल में प्रवेश खातिर अब एके गो इम्तिहान होखी

केन्द्रीय मानव संशाधन विभाग फैसला लिहले बा कि पूरा देश के सगरी मेडिकल, डेंटल, आयर्वेदिक, युनानी, होमियोपैथी, सिद्ध वगैरह कालेजन खातिर एके गो प्रवेश परीक्षा लिहल जाई जवना के संचालन सीबीएसई बोर्ड के दिहल जाई. पहिले हर राज्य में अलग अलग इम्तिहान होत रहुवे आ कई गो कालेज आपन प्रवेश परीक्षा अलगा से लेत रहुवन जवना चलते विद्यार्थियन के खरचा आ परेशानी दुनु बेसी होत रहुवे. एही तरह मेडिकल पीजी के पढ़ाईयो खातिर एके गो प्रवेश परीक्षा पूरा देश खातिर होखी. निजी कालेजनो के ओही परीक्षा का माध्यम से आपन मैनेजमेंटो कोटा वाला सीट भरे के पड़ी.

छत्तीसगढ़ में फेर नक्सली हमला, २६ गो जवान के मौत

छत्तीसगढ़ में नक्सली फेर एगो सीआरपीएफ कंपनी पर हमला बोल के कम से कम २६ गो जवानन के मार दिहले. मरे वालन के संख्या अउरी बढ़ सकेला काहे कि अबही पूरा लोग घटना स्थल से निकालल नइखन जा पावल. नक्सली ओह टुकड़ी पर तब हमला कर दिहले जब ऊ लोग एगो रोड ब्लाक साफ करा के लवटत रहुवे. नक्सली एगो पहाड़ी का उपर से जवानन के घेर के फायरिंग झोंक दिहले.

इज्जत बचावे खातिर महतारिये बेटी के जानले लिहलसि

भदोही में निबिहा गांव में एगो औरत अपना सोलह साल के बेटी के गड़ांसा से गरदन काट के मार दिहलस. महतारी ओह लड़की के अपना उमिर से दुगुना के प्रेमी का साथे कई बार देखले रहुवे आ मना कइलो पर ऊ लड़की मानत ना रहुवे. लड़की के बाप मुंबई में टैक्सी चलावेला, महतारी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा आ ऊ आपन अपराध कुबूल लिहले बिया. कहलसि कि बार बार मना कइलो का बाद बेटी मानत ना रहुवे आ ऊ अपना महतारिये के जान ले लेबे के धमकी दिहले रहुवे.

अमरनाथ यात्रा का मौका पर जानबूझ के काश्मीर में बवाल

अमरनाथ यात्रा पर निकलल १३ सौ यात्रियन के पहिला जत्था काल्हु जम्मू से रवाना भइल. अमरनाथ यात्रा २५ जुलाई ले चली आ एहमें करीब पाँच लाख यात्री शामिल होखे के अनुमान बा. साल २००८ से हर साल अमरनाथ यात्रा का समय काश्मीर में जानबूझ के बवाल पैदा कर दिहल जाला. अबकियो कुछ शरारती तत्व माँग कइले बाड़े कि अमर नाथ यात्रा पन्द्रहे दिन में खतम करा दिहल जाव.

मौलवी के पिटाई से दिल के सुकून मिलल

लखनऊ के एगो शिया मुस्लिम महिला सुल्तानुल मदारिस के मौलवी मूसा रिजवी, असगर, आ सादिक के पिटाई कर दिहलस जवना का बाद ओकरा के पकड लिहल गइल. पकड़इला का बादओ ओह महिला के कवनो पछतावा ना रहे आ कहलसि कि एह मौलवियन के पिटाई कर के ओकरा दिल के कतना सुकून मिलल बता नइखे सकत. ओकर कहनाम बा कि ई मौलवी ओकरा पति से घूस ले के तलाकनामा जारी कर दिहले जबकि शिया सम्प्रदाय में महिला के मौका दिहला बिना तलाक ना हो सके.

कॉलेज प्रिन्सिपल दू टर्म से बेसी ना रह पइहे

विश्वविद्यालय अनुदान आयोग फैसला लिहले बा कि अबसे नियुक्त होखे वाला प्रिन्सिपल के कार्यकाल पांच साल से बेसी के ना होखी. कार्यकाल पूरा भइला का बाद अगर ऊ दुबारा बनल चहीहें त उनका फेर से चयन समिति के समूचा कार्यवाही झेले के पड़ी. कवनो सूरत में दू कार्यकाल से बेसी केहू प्रिन्सिपल ना रह पाई. बाकिर पहिले से बहाल हो चुकल प्रिन्सिपल लोग पर ई नयका नियम ना लागी.

भाजपा विधायक के सात साल के जेल

कंधमाल दंगा का दौरान भइल एगो हत्या का आड़ोप में भाजपा विधायक मनोज प्रधान आ उनका एगो साथ के सात सात साल के कैद के सजा सुनावल गइल बा. कंधमाल में एगो हिन्दू धर्मप्रचारक के हत्या का बाद जनाक्रोश उमड़ल रहुवे आ ओही दौरान कुछ लोग के हत्या हो गइल रहे. अबही प्रधान पर तीन गो अउरी केस बाकी बा जवना के फैसला आवे वाला बा. एकरा पहिले पांच गो केस में मनोज प्रधान के बरी कर दिहल गइल रहे.

खेल का दुनिया से

आस्ट्रेलिया के पूर्व प्रधानमंत्री जॉन हावार्ड के आईसीसी के भावी अध्यक्ष बने के सपना टूट गइल जब टेस्ट खेले वाला सात गो देश उनका नाम पर विरोध दर्ज करा दिहले. बस तीन गो देश आस्ट्रेलिया, न्यूजीलैण्ड, आ इंगलैण्ड उनका समर्थन में बाड़े. हावार्ड साल २०१२ में शरद पवार का बाद अध्यक्ष बनतन. ओने फीफा वर्ल्ड कप में काल्हु पारागुवे जर्मनी के आ स्पेन पुर्तगाल के हरा दिहुवे. गलत फैसला देबे वाला रेफरियन के आगे का मैचन में ना राखल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up