टटका खबर, बुध ३१ मार्च

by | Mar 31, 2010 | 0 comments

हनुमान जयन्ती पर निकलल शोभा यात्रा पर पथराव
हैदराबाद में हनुमना जयन्ती का पर निकलल शोभा यात्रा पर पथराव का बाद ओहिजा साम्प्रदायिक दंगा भड़क गइल बा. विवाद शनिचरे से शुरु रहे. ओकरा बाद मंगल का दिने निकलल शोभायात्रा के रोके के कोशिश आ ओकरा पर पथराव का बाद हालात अउरी बिगड़ गइल. कई इलाका में कर्फ्यू लगवला का बावजूद छिटपुट घटना हो रहल बा. अब ले दू आदमी के मौत आ करीब नब्बे आदमी के घवाहिल होखला के खबर बा. भाजपा पूरा ञामिला के न्यायिक जाँच के माँग कइले बिया.
पूर्व मुख्यमंत्री के मिले वाली सुविधा अलगा अलगा ना मिली
बिहार सरकार फैसला कइले बिया कि अब पूर्वमुख्यमंत्री के पटना के सुरक्षित जोन में सरकारी आवास आ सुरक्षा आजीवन मिली. बाकिर एकही परिवार में दू गो पूर्व मुख्यमंत्री के ई सुविधा एके गो मिली. सरकार के एह फैसला से जगन्नाथ मिश्रा, रामसुन्दर दास, भागवत झा आजाद, आ सतीश प्रसाद सिंह के फायदा मिली जे लोग पाँच साल का समय सीमा का चलते अबले एह तरह के सुविधा से वंचित रहुवे.
मुस्लिम विश्वविद्यालय के शाखा खोले के विरोध
बिहार का किशनगंज में खुले जा रहल अलीगढ़ मुस्लिम विश्विविद्यालय के शाखा के विरोध विद्यार्थी परिषद शुरु से करत आइल बिया. सोमार का दिने एही मुद्दा पर पटना में हजारो कार्यकर्ता प्रदर्शन कइलें जवना के रोके खातिर पुलिस पानी के बौछार आ लाठी चार्ज के सहारा लिहलस. ओने नीतीश कहले बाड़े कि अगर बनारस हिन्दू विश्विवद्यालय आपन शाखा खोलल चाहे त ओकरो के सुविधा आ जमीन देबे के तइयार बाड़न. मुस्लिम विश्विद्यालय सबका खातिर होखी खाली मुसलमाने खातिर ना. एहसे एकर विरोध ना होखे चाहीं.
छपरा आ आरा में सड़क दुर्घटना
छपरा के काशी बाजार मुहल्ला में परसो सबरे एगो मोटरसाइकिल पर जात दू गो छात्र के एगो ट्रक धक्का मार दिहलसि आ कचरइला से दूनो के मौत हो गइल. बाद में अगल बगल के लोग ट्रक के फूंक दिहल. नाराज भीड़ पर काबू पावे खातिर पुलिस फायरो कइलस. ओने सोमार का दिने रोहतास जिला के इन्द्रपुरी थाना इलाका में सवारियन से भरल एगो जीप सामन से आवत ट्रक से टकरा गइल जवना से सात लोग के मौत हो गइल आ दस जने घवाहिल हो गइलें.
कालीन व्यवसायी का ठिकाना पर आयकर छापा में अरबों के संपत्ति मिलल
बसपा के नेता, पूर्व विधायक, आ कालीन व्यवसायी मिर्जापुर के रामचन्द्र मौर्या के जयपुर, भदोही, वाराणसी, आ मिर्जापुर का प्रतिष्ठानन पर एके साथ छापा मार के अरबो के संपत्ति के पता चलल बा. छापा सोमार के देर शाम शुरु भइल जवन मंगल तक जारी रहल. दू गो अउरी कालीन व्यवसायी रुपेश बरनवाल आ पंकज बरनवाल का ठिकानो पर छापा पड़ल जवना से सगरी कालीन व्यवसायी घबरा गइल बाड़े. कालीन के कमाई के कालाधन बुने के राज खुले के अनेसा हो गइल बा सबके.
दोहरावल गइल सृष्टि के शुरुआती महाविस्फोट
अब तक के सबले बड़हन वैज्ञानिक प्रयोग में २७ किलोमीटर लमहर भूमिगत कोलाइडर में दू गो प्रोटान पूंज के तेज गति से टकरावल गइल आ बहुते बड़ उर्जा स्तर हासिल कइल गइल. एह सफल प्रयोग से मिलल आँकड़ा के महीनो अध्ययन का बादे पता चल पाई कि गॉडपार्टिकिल का होखेला, डार्क मैटर का होला वगैरह वगैरह. अरबो डालर का लागत से हो रहल एह महाप्रयोग के शुरुआते से विघ्नबाधा झेले के पड़ल बाकिर आखिरकार एगो सफल प्रयोग होइये गइल.
सगोत्री शादी करे वाला प्रेमी युगल के हत्या का आरोप में पाँच जने के मृत्यदण्ड
हरियाणा में कैथल जिला के करोरा गाँव में सगोत्री शादी करे वाला प्रेमी युगल के हत्या का आरोप में पाँच जने के मृत्यदण्ड आ एगो के उमिर कैद के सजा सुनावल गइल. पहिला बेर कवनो पीड़ित परिवार एह तरह का मामिला में कोर्ट में गोहार लगवलस. मौत के सजा पाये वालन में लड़की के भाई, दू गो चचेरा भाई़ आ दू गो चाचा शामिल बाड़े. पंचायत के नेता गंगाराज के उमिर कैद के सजा दिहल गइल बा. अब हरियाणा सरकार अइसनका खापन पर कार्रवाई कइल शुरु कर दिहले बिया.
सानिया मिर्जा के वीजा मिल गइल
सानिया मिर्जा के पाकिस्तान जाये खातिर वीजा आ शोएब मलिक के हिन्दुस्तान आवे के वीजा मिल गइल बा. अबही शादी के दिन तय नइखे भइल. निकाह भारत में, दावत पाकिस्तान में आ रहे के योजना दुबई में बा एह लोगन के.
सगरी विश्वविद्यालयन के कोर्स एकही राखे के सिफारिश
यूपीके शिक्षा सुधार खातिर बनल गौतम कमिटि के सिफारिश बा कि सगरी विश्वविद्यालयन के कोर्स एके जइसन होखो जवना के तय करे खातिर सबकर प्रतिनिधि मिल के फैसला लेस. शिक्षकन के चयन विश्वविद्यालय के आपन समिति कइल करे. एह फैसला का बाद विद्यार्थियन के सहूलियत हो जाई कि एक जगहा से दोसरा जगह नाम लिखवा लेस.
आईपीएल कार्यक्रम खातिर समय निकाले आईसीसी
राजस्थान रायल्स के कप्तान आ आस्ट्रेलियन खिलाड़ी शेन वार्न कहले बाड़न कि आईसीसी के चाहीं कि आपन कार्यक्रम बनावत घरी एह बात के ध्यान राखो कि आईपीएल में शामिल होखे खातिर हर देश के खिलाड़ी खाली रहस. कहलें कि स्थानीय टुर्नामेंट होखला का बावजूद ई विश्वस्तरीय महत्व पा लिहले बा आ हर केहू एहमें खेलल चाही. वार्न का मुताबि क बिजनेस का तरह चलवला का बावजूद आईपीएल से भारतीय क्रिकेट के फायदा हो रहल बा आ एहिजा के खिलाड़ियन के चोटी के विदेशी खिलाड़ियन का साथे खेले के मौका मिल रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up