टटका खबर, मंगल, ६ अप्रैल

by | Apr 6, 2010 | 0 comments

शिक्षा अधिकार पर पलटी मारे वाला में बिहारो शामिल हो गइल

शिक्षा के मौलिक अधिकार बनवला का बाद होखे वाला काम खातिर धन के कमी के रोना रोवत मायावती पहिलही कह चुकल बाड़ी कि एह योजना के खर्च केन्द्र सरकार वहन करो. अब नीतीशो कुमार कहले बाड़न कि बिहार योजना लागू करे के तइयार बा बाकिर एह पर आवे वाला खर्चा केन्द्र सरकार दीहि तब. अब ना नौ मन तेल होखी ना राधा जी नचीहें.

महिला आरक्षण विधेयक पर सहमति ना बन सकल

महिला आरक्षण पर विचार करे खातिर बोलावल सर्वदलीय बईठका बेकार साबित भइल जब ओकरा से कवनो सहमति ना बन सकल. केन्द्र सरकार अब कहत बिया कि लोकसभा में राज्यसभा का तरह एह विधेयक के पारित ना करावल जाई. सभकर राय के ध्यान में राखल जरुरी बा. आ सभे अपना अपना राय पर अड़ल बा त विधेयक के संसद से पारित होखल अब सपना बन के रह जाई. भाजपा कहले बिया कि अगर सबकर सहमति होखे त निर्वाचन आयोग के सलाहो मानल जा सकेला कि हर पार्टी आपन तैंतीस फीसदी टिकट महिला उम्मीदवार के देव. एह सुझाव के सबसे बड़ विरोधी कांग्रेस विया. पता ना काहे?

कर्नाटक के चीफ जस्टिस दिनकरन छुट्टी पर ना जइहें

न्यायमूर्ति दिनकरन सुप्रीम कोर्ट कोलेजियम के सलाह ना मनीहें आ छूट्टी पर ना जइहें. दिनकरन पर सरकारी जमीन गलत तरीका से हथियावे के आरोप बा. दिनकरन पर राज्यसभा में महाभियोग प्रस्ताव लम्बित बा. सुप्रीम कोर्ट उनका प्रोमोशन पर रोक लगा चुकल बा. बाकिर एह सब से बेपरवाह दिनकरन सोमारो का दिने पहिलही का तरह काम कइलें. जबब ले ऊ छूट्टी पर नइखन जात तबले नया मुख्य न्यायाधीश चार्ज नइखन ले सकत.

शोएब के पासपोर्ट जब्त, देश से बाहर जाये पर रोक

पाकिस्तानी क्रिकेटर शोएब मलिक के पहिलका पत्नी आयशा के पति का शिकायत पर काल्हु पुलिस शोएब से डेढ़ घंटा ले पुछताछ कइलस आ उनकर पासपोर्ट जब्त कर लिहला. कहल गइल बा कि जब ले मामिला सलटा नइखे लिहल जात तबले ऊ भारत से बाहर नइखन जा सकत. शोएब आयशा के तलाक देबे के तइयार नइखन, मानत बाड़े कि निकाह कइले रहलें बाकिर ऊ निकाह गैरकानूनी रहे, एहसे तलाक देबे के जरुरते नइखे,

बलिया खाद्यान्न घोटाला में दू जने हिरासत में

करोड़ो रुपिया के बलिया खाद्यान्न घोटाला में दू जने के हिरासत में ले लिहल गइल बा बाकिर ऊ लोग के ह एकरा बारे में केहू मुँह खोले के तइयार नइखे. सीबीआई टीम ११ अप्रैल ले जिले में रहे वाली बा. ओने आर्थिक अपराध शाखा के टीमो बलिया में मौजूद बिया आ उहो अपना जाँच में लागल बिया. दोसरा तरफ जेह लोगन पर आरोप बा ऊ लोग भूमिगत हो गइल बा.

भारत में मौजूद दुराचारी पादरी के प्रत्यार्पण मंगले बा अमेरिका

अमेरिका मिनिएस्टा में चौदह साल के एगो लड़की से दुराचार के आरोपी के हिन्दुस्तान का चर्च मे भेज दिहल गइल रहे. वेटिकन अब ओह पादरी के पता अधिकारियन के दे दिहले बा. वेटिकन इहो कहले बा कि ऊ ओह पादरी के डिफ्रॉक करे के सलाह दिहले रहे बाकिर ओकर हिन्दुस्तानी बिशप एह सलाह के ना मनलन. चर्च में आये दिन यौन दुराचार के खबर आवत रहला से ओकर प्रतिष्ठा में गिरावट आ रहल बा. एह दुराचार में हिन्दओ धर्मगुरु लोग पीछे नइखे आ ओहू लोग से धर्म के माथा झुक रहल बा.

गरीबी रेखा से नीचे रहे वाला के परिभाषा जानल चाहत बा मंत्रियन के समूह

मंत्रियन के समूह योजना आयोग से पुछले बा कि गरीबी रेखा के नीचे रहे वालन के सटीक परिभाषा बतलावे. एह समूह के नेता प्रणव मुखर्जी हउवें. कहत बा लोग कि जबले ई परिभाषा सामने ना आ पाई तबले गरीब लोग के तीन रुपिया किलो का दर से अनाज पावे के कानूनी अधिकार ना दिहल जा सके. बिचौलियन का चलते सरकार के एक से एक बढ़िया योजना खराब हो जाला. एकर नमूना एह घरी यूपी में देखे के मिल रहल बा जहाँ बीपीएल परिवारन के मिले वाला स्वास्थ्य बीमा योजना में जम के लूट खसोट चल रहल बा. बनारस के कुछ अस्पताल जवन एह योजना में शामिल बाड़े गरीबी रेखा से नीचे रहे वालन के प्रलोभन देत बाड़े कि कवनो बीमारी खातिर आ के भर्ती हो जा आ पाँच हजार रुपिया ले के चल जा. बाद में ऊ लोग बीमा कंपनी से सांठगांठ कर के हजारों रुपिया के बिल भँजा लीहि. नार्मल डिलिवरी करा के सिजेरियन के बिल भँजावल त साधारण बात बा. एही चलते कुछ निजी अस्पताल एह योजना में शामिल होखे खातिर लाखों रुपिया सुविधा शुल्क देबे के तइयार बाड़न सँ.

जसौली गाँव के जैविक गाँव का रुप में मान्यता

सीवान जिला के पचरुखी प्रखण्ड के गाँव जसौली के किसान अपना खेती में रासायनिक खादन के इस्तेमाल ना कर के बस जैविक खाद के इस्तेमाल करेलें. एहसे एह गाँव के जैविक गाँव घोषित कर दिहल गइल बा जैविक गाँव बन गइला का बाद एहिजा के किसानन कें विशेष सुविधा आ प्रशिक्षण दिआवल जाई.

जगजीवन राम के जयन्ती मनावल गइल

देश के उपप्रधानमंत्री रहल स्व॰ बाबू जगजीवन राम के १०३वीं जयन्ती काल्हु आरा जिला में कई जगहा कार्यक्रम आयोजित कर के मनावल गइल. जगजीवन बाबू के बेटी मीरा कुमार एह घरी लोकसभा के स्पीकर बाड़ी. राजनीति का दुष्चक्र का चलते जगजीवन बाबू प्रधानमंत्री ना बन पवलें. कांग्रेस त कांग्रेसे हिय जनतो सरकार में उनका के प्रधानमंत्री ना बने दिहल गइल रहे.

हाथी के बनावल गइल विश्व कप क्रिकेट के शुभंकर

अगिला साल भारत, श्रीलंका, बांगलादेश में होखे जा रहल विश्व कप क्रिकेट के शुभंकर हाथी के बनावल गइल बा. अब ओकर नाम राखे खातिर प्रतियोगिता आयोजित कइल गइल बा जवना में एह तीनो देश के नागरिक शामिल हो सकेलें. प्रतियोगिता का बारे में पूरा जानकारी अबही नइखे दिहल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up