सुप्रीम कोर्ट के फैसला राज्यन के ओकात बतवलसि
आय से बेसी के संपत्ति राखे का मुकदमा में सुप्रीम कोर्ट के फैसला कि एह मामिला में राज्य सरकारन के कवनो अधिकार नइखे केन्द्र राज्य संबंधन में एगो नया गिरावट के कारण बनी. राज्य सरकार अब जल्दी कवनो मामिला सीबीआई के ना सँउपिहें काहे कि एक बार मामिला सीबीआई का लगे चल गइल त फेर राज्य सरकार कुछ ना कर पाई. अदालत एकरा पहिले एगो अउरी फैसला से राज्य सरकारन के अधिकार में कटौती कइले रहे जवना में कहल गइल बा कि अगर हाईकोर्ट बा सुप्रीम कोर्ट का आदेश से कवनो मामिला के जाँच सीबीआई के सँउपल जाव त राज्य सरकार से अनुमति लेबे के जरुरत नइखे.
जदयू कार्यकारिणी का बईठका में ललन आ प्रभुनाथ के नेवता
पार्टी नेतृत्व से नाराज चलत ललन सिंह आ प्रभुनाथ सिंह के कार्यकारिणी का बईठका में शामिल होखे के न्योता भेजल गइल बा. पार्टी अध्यक्ष विजय कुमार चौधरी ओह लोग से बईठक में आ के आपन बात कहे के कहले बाड़ें. जदयू एह बात से इन्कार करत बा कि सरकार का लगे बटाईदारी कानून संबंधी कवनो प्रस्ताव बा. विजय चौधरी कहले बाड़न कि विरोधी जानबूझ के अफवाह फइलावत बाड़े.
सारंगपुर डाकबंगला जल के राख हो गइल
पानापुर प्रखण्ड में अंगरेजन का जमाना के सवा सौ साल पुरान सारंगपुर डाकबंगला बुध का देर रात आग में स्वाहा हो गइल. अपना जमाना में ई अंगरेजन के चुंगी कलेक्शन सेंटर रहे आ एकर इस्तेमाल पिकनिक स्पाटो का तौर पर होत रहुवे. आग लगे के कारण के पता नइखे चलल.
गर्मी आ पछुआ का चलते चारो तरफ आग लाग रहल बा
करीब करीब हर जिला से आग लागे के खबर रोजे आ रहल बा जवना में कहीं खेत में खड़ा फसल, कहीं गरीबन के झोपड़ी, कहीं खलिहान त कहीं बथान में आग लाग रहल बा. दूर देहात में दमकलो के इन्तजाम ना होला से नुकसान बेसी हो रहल बा आ भुक्तभोगी लोग छाती पिटला से बेसी कुछ कर नइखे पावत. छपरा, सीवान, गोपालगंज, बलिया, देबरिया हर जिला से अइसन खबर बावे.
यूपी में बिजली महँग भइल
उत्तर प्रदेश में बिजली के दर में पन्द्रह से बीस फीसदी के बढ़ोतरी कर दिहल गइल बा. गाँव देहात में बिना मीटर के कनेक्शन वालन के अब एक सौ दस का जगहा सवा सौ रुपिया हर महीना देबे के पड़ी. मीटर वाला ग्रामीण घरेलू उपभोक्ता के अब २ रुपिया ८० पैसा प्रति यूनिट का बदले ३ रुपिया २० पैसा के दर से भुगतान देबे के पड़ी. जबकि शहरी उपभोक्ता के दर ३ रुपिया ४५ पैसा प्रति यूनिट कर दिहल गइल बा.
जौनपुर में एके दिन में चार गो हत्या
बुध के देर शाम सुजानगंज थाना के चैनपुर नगौली गाँव के पप्पू आ राजकुमार पाण्डे के धारदार हथियार से काट के हत्या कर दिहल गइल. दुनु के ले के गइल मोहन पटेल का गोड़ में गोली लागल बा बाकिर पप्पू के पिता का तहरीर पर मोहन पटेल का खिलाफ हत्या के मुकदमा दर्जकर लिहल गइल बा. आरोप बा कि मोहन दुनु जने से सवा तीन लाख रुपिया कर्जा लिहले रहुवे आ कर्जा लवटावे के ना पड़े एह खातिर हत्या कर दिहलसि. दोसरा घटना में टोल टैक्स के साढ़े सात रुपिया ना देबे खातिर बेलाव घाट बैरियर पर बदमाश दू गो कर्मचारियन के गोली मार के हत्या कर दिहलें सँ.
शिक्षा के मौलिक अधिकार त एही साल से ..
बाकिर निजी स्कूलन में पचीस फीसदी आरक्षण अगिला साल से मिली. चूंकि एह साल के प्रवेश प्रक्रिया पूरा हो चुकल बा एहसे अगिला शैक्षणिक सत्र से आरक्षण वाला प्रावधान लागू होखी. शुरुआत पहिला क्लास से होखी आ आठ साल लागी आठवीं तक आरक्षण देबे में. निजी स्कूल पहिलही एह प्रावधान का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में अपील कइले बाड़े.
सानिया मिर्जा के शादी से पहिलही विवाद शुरु हो गइल
पाकिस्तानी टेनिस संघ कहत बा कि निकाह का बाद सानिया के पाकिस्तान का तरफ से खेले के चाहीं जबकि भारत के टेनिस संघ के दावा बा कि निकाह का बादो सानिया भारते का तरफ से खेलीहें. सानिया के पाकिस्तानी से निकाह करे के फैसला के चारो तरफ से आलोचना हो रहल बा कि अतना काबिल हिन्दुस्तानी मुसलमानन के अनदेखी करत ऊ एगो पाकिस्तानी से निकाह करे जा रहल बाड़ी. हद त ई हो गइल कि सपा के अबू आजमिओ कहले बाड़े कि सानिया के ई शादी ना करे के चाहीं.
अखिल विश्व भोजपुरी समाज
अखिल विश्व भोजपुरी समाज मंच के राष्ट्रीय अध्यक्ष का तौर पर भरत शर्मा व्यास के नियुक्ति भइल बा. एह मंच के अध्यक्ष राँची के भाई जी भोजपुरिया बीएन तिवारी हईं. भरत शर्मा व्यास कहले बाड़न कि भोजपुरी संगीत के अश्लीलता से मुक्त करावल उनकर पहिलका मकसद रही. साथही भोजपुरी अकादमी के गठन आ भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के कोशिश करीहें. भोजपुरी सिनेमा में आधुनिक पहिरावा आ विदेशी लोकेशन के इस्तेमाल के आलोचना कइले बाड़न भरत शर्मा व्यास.
हाकी टीम के चयन का फैसला के आलोचना
दिल्ली में भइल हॉकी विश्व कप में भारत आठवाँ जगहा पर आइल रहे आ एह टूर्नामेंट में भारतीय टीम के कमजोर कड़ी रहल प्रभजोत सिंह आ दीपक के अजलान शाह कप खातिर चुनाइल ४५ खिलाड़ियन में शामिल नइखे कइल गइल जवना से दुनु जने नाराज बाड़े. ओह लोग के कहनाम बा कि हॉकी टीम वाला खेल हऽ आ अगर बाहरे करे के बा त पूरा टीम के कइल जाव.
739 total views, 5 views today