टटका खबर, शुक, ३० अप्रैल

by | Apr 30, 2010 | 0 comments

झारखण्ड में सत्ता के जोड़ तोड़ चलत बा

शिबू सोरेन का सोच के केन्द्र सरकार का पक्ष में वोट दिहलें, ई त उहे जानस, बाकिर ओकरा बाद जवन कुछ हो रहल बा ऊहो केहू का समुझ में नइखे आवत. झामुमो भाजपा से अपना गलती के माफी माँग के ओकरा के कुर्सी देबे के तइयार हो गइल बा बशर्ते मुख्यमंत्री कवनो आदिवासी के बनावल जाव. भाजपा में एह मामिला पर उहापोह चलत बा बाकिर राज्यपाल से समय लिहला का बादो ऊ लोग भेंट करे ना गइल. अबले सरकार से समर्थन वापसी नइखे भइल. झामुमो के एगो नेता साइमन मरांडी कहले बाड़े कि कांग्रेस से सरकार बनावे का बाबत बात हो रहल बा.

भारतीय राजनयिक पाकिस्तान खातिर जासूसी करत रहली

पाकिस्तान में पदस्थापित भारतीय राजनयिक माधुरी गुप्ता पाकिस्तान खातिर जासूसी करत रहली आ उनका केपाँच दिन पहिले गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.पता चलल बा कि माधुरी चह साल पहिले मुसलमान बन गइल रही बाकिर भारत के खुफिया एजेन्सियन के एकर जानकारी ना मिल सकल. अब माधुरी के जाँच करत खुफिया एजेन्सी मानत बाड़ी कि कुछ अउरीओ लोग एह तरह का देशद्रोही काम में शामिल रहुवे.

नौसेना बेड़ा में शिवालिक शामिल भइल

अपने देश में बनल पहिलका युद्धपोत शिवालिक के काल्हु नौसेना का बेड़ा में शामिल कर लिहल गइल. एह युद्धपोत के खासियत बा कि एकरा के राडार पर ना देखल जा सके. छह हजार टन वजन के एह जहाज में आधुनिक उपकरण लागल बा

थिंपू में मनमोहन गिलानी के भेंट भइल

भूटान में आयोजित सार्क सम्मेलन का पृष्ठभूमि में मनमोहन सिंह आ पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी का बीच काल्हु बातचीत भइल जवना में भारत आपन नाराजगी पाकिस्तान से जाहिर कइलस. कहलस कि पाकिस्तान अपना जमीन से भारत का खिलाफ चल रहल गतिविधि रोके.

सिक्ख दंगा ले के संसद में हंगामा

अकाली दल के सांसद काल्हु संसद का दुनु सदन में सिक्ख दंगा के दोषियनके सजा ना दिलवा पावे खातिर सरकार के खिलाफ आपन प्रतिरोध जतवलें जवना के सगरी विपक्षी दल समर्थन कइलें. गुजरात दंगा पर हर तरह के बात करे वाली कांग्रेस कहलस कि एह भावनात्मक मुद्दा पर राजनीति ना होखे के चाहीं. दुख के बात बा कि एगो सिक्ख प्रधानमंत्री का बावजूद सिक्खन के न्याय नइखे मिल पावत.

यूपी के पुलिस पूरा देश में अव्वल

राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग कानजर में मानवाधिकार का हनन का मामिला में यूपी पुलिस के केहू से मुकाबिला नइखे. ओकरा खिलाफ अधिकार के मनमाना इस्तेमाल, अपहरण, दुष्कर्म, हिरासत का दौरान हिंसा आ हत्या, फर्जी मुठभेड़ वगैरह के शिकायत सबसे बेसी दर्ज बा. पिछला दस साल में आयोग का लगे पौने चार लाख से बेसी शिकायत मिलल जवना में बड़हन हिस्सा यूपी पुलिस का खिलाफ शिकायत के रहे.

दिल्ली विश्वविद्यालय के कुलपति माफी मँगलन

दिल्ली में पिछला दिने भइल विकिरण दुर्घटना के जाँच का बाद पता चलल कि दिल्ली विश्विद्यालय से रेडियोएक्टिव सामान नीलाम कर दिहल गइल रहे. साल ६८ में खरीदल मशीन के इस्तेमाल करे वाला प्रोफेसर साल ८५ में रिटायर हो गइलें जवना का बाद दोसर केहू ओह मशीन के इस्तेमाल ना करत रहे. मानल गइल कि मशीन बेकार हो गइल बा आ ओकरा के कबाड़ में बेंच दिहल गइल जबकि ओकरा में सक्रिय कोबाल्ट ६० मौजूद रहुवे. एह गलती खातिर कुलपति माफी मँगले बाड़न आ कहले बाड़न कि विश्वविद्यालय एह विकिरण से प्रभावित लोगन के मुआविजा दीहि.

कोलकाता के काली मन्दिर पर आतंकी हमला के अनेसा

गृह मंत्रालय के रिपोर्ट का बाद कोलकाता आ हैदराबाद में सुरक्षा बल के सतर्क कर दिहल गइल बा. अनेसा बा कि कोलकाता का काली मन्दिर पर आतंकी हमला हो सकेला. हैदराबाद का मक्का मस्जिदो पर हमला के अनेसा बा आ ओहिजो रेड अलर्ट जारी कर दिहल गइल बा.

पेट्रोल डीजल के दाम फेर बढ़ावल जाई

सीबीआई के डर देखा के लालू, मुलायम, मायावती, शिबू सोरेन के औकात देखा देबे वाली केन्द्र सरकार के हिम्मत अब अतना बढ़ गइल बा कि ऊ पेट्रोल आ डीजल का दाम में बेहिसाब बढ़ोतरी के खाका बनावे मे् जुट गइल बिया. एहपर से सरकारी नियन्त्रण हटा लिहल जाई आ कंपनी अपना हिसाब से दाम तय करीहें सँ.

आज से शुरु हो रहल बा बीसबीसा क्रिकेट वर्ल्ड कप

पहिला दिन का पहिला मैच में न्युजीलैण्ड आ श्रीलंका के भिड़न्त होखी जबकि दुसरका मैच में वेस्टइंडीज आ आयरलैण्ड के. ई टुर्नामेंट सतरह दिन ले चली जवना में केहू के बरियार दावेदार नइखे मानल जात. कवनो टीम बाजी मार सकेले. धोनी कहले बाड़े कि पहिला बेर खे रहल अफगानिस्तानो के टीम के कमजोर ना मानल जा सके.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up