टटका खबर, सोमार, १० मई

बटाईदारी बिल पर आरपार के लड़ाई लड़े के एलान

नीतीश सरकार के बेर बेर कहला का बादो कि ओकरा लगे कवनो बटाईदारी बिल नइखे सरकार विरोधी दल आ नेता बटाईदारी बिल के चर्चा करत रहेलें. काल्हु पटना का गाँधी मैदान में किसान महापंचायत जुटल आ ओहमें नीतीश विरोधी लोग बढ़ चढ़ के हिस्सा लिहल. कहल लोग कि लालू से लड़ लिहले बानी जा नीतीशो से लड़ लिहल जाई. महापंचायत में राजीव रंजन उर्फ ललन सिंह, प्रभुनाथ सिंह, दिग्विजय सिंह, अखिलेश सिंह, नागमणि वगैरह लोग मंच पर मौजूद रहे.

सारण जिला राजद उपाध्यक्ष के पत्नी समेत हत्या

सारण जिला राजद उपाध्यक्ष जनार्दन सिंह के काल्हु रात चार गो बन्दूकधारी बदमाश माँझी का उनका घर में घुस के गोली मार दिहले. बाद में ऊ सब उनका मेहरारुओ के गोली मार दिहले सँ. हत्या से नाराज लोग छपरा ताजपुर नेशनल हाइवे जाम कर दिहल आ हत्यारन के गिरफ्तार करे के मांग कइल. कहल जात बा कि ई सब पुरान दुश्मनी के नतीजा हऽ. कवनो हत्यारा के गिरफ्तारी के खबर नइखे.

यूपी के बीएड प्रवेश परीक्षा के पर्चा एके मई के लीक हो चुकल रहुवे

बीएड प्रवेश परीक्षा के प्रश्नपत्र आगरा के प्रेस से लीक भइल रहुवे आ एह मामिला में अबले आठ जने के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा. एहमें प्रेस के केहु नइखे काहे कि पुख्ता सुबूत के इन्तजार बा.

लालू के साला सरहज पर अपहरण के मुकदमा

सुभाष यादव का शराब का दुकान में काम करे वाला कर्मचारी जब आपन बकाया तनखाह के माँग कइलस त नाराज सुभाष यादव २६ अप्रेल का दिने ओकरा के ओकरा घर से उठा ले अइलन आ अपना घर में बन्द कर दिहलन. दिल्ली जाये लगलन त अपना मेहरारू के कह गइलन कि जब ले बीस हजार रुपिया नइखे दे देत तबले एकरा के छोड़ीहऽ जन. सुभाष के दिल्ली गइला पर ऊ कर्मचारी केहू तरह भाग निकलल. थाना में केस दर्ज ना भइल त कोर्ट का शरण चहुँपल जहाँ से आदेश भइल बा कि सुभाष यादव आ उनका पत्नी पर फिरोटी खातिर अपहरण के मामिला दर्ज कइल जाव.

आजु मनावल जा रहल बा शेरे बलिया के जयन्ती

आजादी से पहिले बलिया के आजाद करा लेबे वाला आ चौदह दिन ले डीएम बन के बलिया के शासन चलावेवाला चित्तू पाण्डे के जयंती आजु बलिया में मनावल जा रहल बा. १० मई १८९५ के बलिया के रट्टूचक गाँव में भइल रहे. बाकिर पता ना कवना कारण चौराहा पर लगावल उनका मूर्ती के माला पहिरावे के केहू तइयार ना होला. जवने नेता शुरु में पहिरवलें उनकर दिन खराब हो गइल. अब ई अफवाह काहे उड़ल आ जनमानस में पइठल ई मालूम नइखे. चित्तू पाण्डे के जहाँ जनम भइल रहे ऊ जगहा गंगा का गोदी में विलीन हो चुकल बा.

एह देश में हिन्दू होखल अपराध हो गइल बा

विश्व हिन्दू परिषद के अंतर्राष्ट्रीय महासचिव डा॰प्रवीण तोगड़िया आजु सोमार का दिने एस आई टी का सोझा पेश भइलन. पेशी से पहिले पत्रकारन से बतियावत तोगड़िया कहलन कि उनका इहो नइखे मालूम के उनका खिलाफ शिकायत का बा. कहलन कि बुझात बा कि एह देश में हिन्दू होखल अपराध बन गइल बा. जे भी हिन्दू के बात करे ओकर प्रताड़न होखे लागत बा जबकि फाँसी के सजा पा चुकल अफजाल जइसन लोग के हर सुख सुविधा दिहल जा रहल बा.

विवादित जजन के तबादला पर सरकार के रोक

करोड़ों रुपिया के भविष्यनिधि घोटाला से कथित रुप से जुड़ला के आरोप का बाद तीन गो हाईकोर्ट जज के तबादला कर दिहल गइल रहे. अब सुप्रीम कोर्ट के कालेजियन एह जजन के वापिस ओहि अदालतन में भेजे के सिफारिश कइले रहे जहवाँ से एह लोग के हटावल गइल रहे. केन्द्रीय कानून मंत्री वीरप्पा मोइली एह अनुशंसा के अस्वीकृत कर के वापिस भेज दिहले बाड़न कि एह पर फेर से विचार कइल जाव. अब अगर कालेजियम फेर से उहे फैसला लीहि त सरकार के मानही के पड़ी.

विचार हो रहल बा किन्नर रेजीमेंट बनावे पर

अरुणांचल प्रदेश के गृहमंत्री केन्द्र से दिफारिश कइले बाड़े कि भारत चीन सीमा के रखवाली खातिर किन्नर रेजीमेंट बनावल जाव. उनकर कहनाम बा कि अगर किन्नरन के मौका दिहल जाव त ऊ पूरा इमानदारी से देश के सेवा कर सकेलें. किन्नर समुदाय के विकास खातिर हमेशा लागल रहे वाला किन्नर लक्ष्मी त्रिपाठी के कहनाम बा कि इतिहास गवाह बा कि ई समुदाय हमेशा देश का प्रति आपन वफादारी साबित कइले बा बाकिर सरकार हमनी पर कबो विश्वास ना जतवलस.

शेयर सूचकांक में ५६१ अंक के उछाल

आजु के शेयर बाजार ५६१ अंक उछल के बन्द भइल जवन पिछला दस महीना में एक दिन में सबले बड़हन उछाल बा. एह उछाल के कारण बा कि इन्टरनेशनल मोनेटरी फण्ड ग्रीस के आपात सहायता देबे के एलान कर दिहलस. ग्रीस संकट से बाजार पिछला हफ्ता से गिरत आवत रहल हऽ जवन ई खबर सुन के खुशी से उछाल मार दिहले बा.

बीस बीसा क्रिकेट वर्ल्ड कप से बाहर हो गइल भारत

काल्हु का मैच में वेस्टइंडीज का हाछे दयनीय तरीका से हरला का बाद भारत के टीम विश्व कप का सेमीफाइनलो में ना खेल पाई. एक तरह से ई बढ़िया खबर होखी अगत चार पाँच साल एही तरह भारत हर क्रिकेट टूर्नामेंट हारत जाव त. क्रिकेट जइसन बरगद का चलते पता ना कतना खेल के हालत घास जइसन हो गइल बा जबन बरगद के छाया में ना पनप पावे आ क्रिकेट बरगद लेखा खेलन के छाप लिहले बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up