देश के दोबारा बँटवावल  चाहत बिया कांग्रेस
भाजपा नेता राजनाथ सिंह कहले बाड़न कि कांग्रेस अब गरीबन का बीच धार्मिक खाई बनावत बिया. हर अल्पसंख्यक के बीपीएल परिवार में शामिल करे के निर्देश दिहल गइल बा जबकि बाकी गरीबन के अनदेखी हो रहल बा. एक हालि देश बँटवा चुकल कांग्रेस फेर बँटवारा करवावल चाहत बिया.
बराक ओबामा अचके में अफगानिस्तान गइलें.
अफगानिस्तान में चल रहल युद्ध के आकलन करे खातिर बिना कवनो घोषित कार्यक्रम के ओबामा काबुल चहुँप गइलन. ओहिजा ऊ राष्ट्रपति हमीद करजई आ उनका कैबिनेट सदस्यन से बात कइलन. करजईओ के ओबामा के आवे का बारे में एके घंटा पहिले जानकारी दिहल गइल. अमेरिका के कहनाम बा कि सुरक्षा कारण से अइसन गोपनियता बरतल गइल. एही तरह ओबामा एक बेर इरानो गइल रहलें.
चीफ जस्टिस आ नरेन्द्र मोदी एकमंच पर नजर अइलें
छाती कूटेवालन के अनसुनी करत भारत के मुख्य न्यायाधीश केजी बालाकृष्णन गुजरात के राष्ट्रीय विधि विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह में शामिल भइले. गुजरात के हाई कोर्ट के चीफ जस्टिसो कार्यक्रम में शामिल रहलें. विरोधी एह बात पर हायतोबा मचावत रहलें कि चीफ जस्टिस के मोदी का साथ नजर ना आवे के चाहीं. ओने भाजपा कहले बिया कि अगर सिक्ख विरोधी दंगो के विशेष जाँच दल से जाँच करवावल गइल रहत त राजीवो गाँधी के बोलावल गइल रहित. जाँच दल का सामने मोदी के आइल कवनो शर्म के बात नइखे आ उनका पर कवनो मुकदमा दर्ज नइखे.
अग्नि एक के सफल परीक्षण
उड़ीसा के बालासोर से करीब व्हीलर द्वीप से काल्हु अग्नि एक के परीक्षण कइल गइल. एह परीक्षण का दौरान ओकर निशाना अचूक रहल आ हर मापदण्ड पर खरा साबित भइल अग्नि एक मिसाइल. एह पूरा परीक्षण के संचालन सेना के सामरिक चल कमान कइलस.
विधायक अजय राय गैंगस्टर में गिरफ्तार
बनारस के कोलअसला से निर्दलीठ विधायक अजय राय के, जे कांग्रेस से जुड़ गइल बाड़न, काल्ह गिरफ्तार कर लिहल गइल. उनका पर गैंग्स्टर एक्ट लगा दिहल गइल बा. शुक का दिने जगतगंज इलाका में खाद बेचेवाला भानुप्रताप पर कुछ लोग हमला बोल के पिटाई का बाद आग में झोंक दिहले रहे. ऊ अजय राय समेत छह लोग का खिलाफ नामजद शिकायत कइले बा. ओहि मुकदमा में अजय राय के गिरफ्तारी भइल बा.
बलिया में गर्मी का चलते आग लागे के घटना में बढ़ोतरी
काल्हु बलिया के अलगा  अलगा जगहा लागल आग से कई एकड़ गेंहू के फसल आ  करीब दू दर्जन झोपड़ी जर के राख हो गइल. आग के खबर रसड़ा, सिक्नदरपुर, चिलकहर, बांसडीह, रेवती, इन्दरपुर, आ सागरपाली से मिलल बा. असल कारण बा कि गरमी बेहिसाव बा, पछुआ सब कुछ सुका दिहले बा आ एगो चिनगारी देखते आग लाग जा रहल बा. ई कहानी हर साल के बा.
चोरी के रुपया ले के भागत औरत पकड़ाइल
दस दिन पहिले देवरिया के भाटपाररानी में एगो मनी ट्रांसफर करे वाला के लॉकर से पाँच लाख एकतीस हजार रुपया चोरी हो गइल रहे. चोरी के ओह रुपिया ले के चोर के महतारी काल्हु अटैची में चार लाख सत्तर हजार रुपिया का साथ भागे का फिराक में रहे बाकिर कवनो मुखबिर का सूचना पर पुलिस ओकरा के पकड़ लिहलसि. ऊ सकार लिहले बिया कि ओकर बेटा चोरी कइले रहे.
गोरखपुर में शटर तूड़ के चार लाख से बेसी के सामान चोरी
गोरखपुर का साहबगंज मंडी में लखपत बंसल का गोदाम से पिछला रात शटर तूड़ के चार लाख से बेसी के सामान चोरा लिहल गइल. रात में  गश्ती करत सिपाही शटर खुलल देखलें त थाना के खबर कइलें. थानेदार फोन कर के बंसल के बोलवलन  आ पूरा नुकसान के अदाजा लगवलन. बाकिर देर रात तक चोरी के केस दर्ज ना भइल रहे.
छपरा में आगलगी का घटना में लाखो के सामान स्वाहा
लहलादपुर ब्लाक के सारन गाँव में चार गो घर में लागल आग का चलते लाखो रुपया के सामान स्वाहा हो गइल. दू गो घर में शादी होखे वाला रहुवे बाकिर सगरी संपति  राख हो गइल. मुखिया का तरफ से हर घर पीछे एक एक गो तिरपाल आ पाँच पाँच सौ रुपिया सहायता दिहल गइल.
क्रिकेट के कारोबार करे खातिर बोर्ड के आलोचना
भारत के खेल मंत्री एमएस गिल क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड के एह बात खातिर आलोचना कइले बाड़न कि ऊ क्रिकेट के खेल कम कारोबार बेसी बना दिहले बिया. कहलन कि बेसी मुनाफा कमाये खातिर खेल के नियम बदल दिहल गइल बा आ गेंदबाज एकर शिकार हो रहल बाड़े. कहलन कि जे लोग एह बीसबीसा लीग में शामिल बा ओकरा बोर्ड के हिस्सा ना होखे के चाहीं.

Loading

One thought on “टटका खबर, सोमार, २९ मार्च”

Comments are closed.

%d bloggers like this: