- सुरेश रैना के नाबाद 109 का बदौलत चेन्नई सुपर किंग्स शनिचर का दिने एम. चिन्नास्वामी स्टेडियम में भइल चैम्पियंस लीग बीसबीसा के फाइनल मुकाबला में कोलकाता नाइट राइडर्स के आठ विकेट से हरा के खिताब जीत लिहलसि.
- हरियाणा विधानसभा चुनाव में इंडियन नेशनल लोकदल प्रमुख ओम प्रकाश चौटाला के खुलेआम अपना पार्टी ला प्रचार कइला का विवाद से पल्ला झाड़त निर्वाचन आयोग कहलसि कि एहमें अदालते कुछ कर सकेले.
- उत्तर प्रदेश के भदोही जिला में शुक का सँझिया मूर्ति भसावन ले के तब हिंसा भड़क गइल जब पुलिस जौनपुर आ भदोही के मूर्तियन के औराई के उगापुर में गंगा में दहवाए से रोके के कोशिश कइलसि.
- अरविंद केजरीवाल के बेटी का बारे में सोशल नेटवर्किंग साइट पर बेइज्जति करे वाला बात लिखे वाला आदमी का खिलाफ आआपा के गाजियाबाद इकाई थाना में शिकायत कइले बिया.
- उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ में शनिचर का दुपहरिया मूर्ति भसावे जात घरी बांस हाईटेशन तार से छूआ गइला से जुलूस में करंट पसर गइल आ एगो औरत के मौत हो गइल. सतरह आदमी झउँसल हाल में अस्पताल में भरती करावल गइले.
- दक्षिण कोरिया के इंचियोन में होखत 17वां एशियाई खेल शनिचर का दिने भव्य समारोह का साथे खतम हो गइल. भारत एहमें एगारह गो स्वर्ण पदक समेत सत्तावन गो पदक जीतलसि जवन पिछला बेर से कम रहल.
- शनिचर का दिने महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव ला प्रचार करे आइल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भाजपा के दिवंगत नेता गोपीनाथ मुंडे के याद कइले. शिवसेना उनका के भाजपा के प्रचार करे से मना करत कहलसि कि उ देश के नेता हउवन, कवनो पार्टी के प्रचार मत करसु.
- पाकिस्तान के खैबर पख्तूनख्वा प्रांत में शनिचर का दिने एगो वाहन में विस्फोट से नाहियो त छह लोग मर गइल आ बारह जने घवाहिल हो गइले.
- अल्पसंख्यक मामिलात के केंद्रीय मंत्री डॉ. नजमा हेपतुल्ला एह साल बकरीद ना मनइहें काहे कि जम्मू कश्मीर में बड़हन बरबादी आ पटना में दशहरा का दिने भइल भगदड़ में 33 लोग मर गइल बा.
- उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव इंचियोन एशियाई खेल में स्वर्ण पदक विजेता महिला 4 गुणा 400 मीटर रिले टीम के सदस्या प्रियंका आ पुरुष हॉकी टीम के सदस्य दानिश के 30-30 लाख रुपिया इनाम देबे के एलान कइलन.
- भारतीय मूल के वैज्ञानिक आरोग्यस्वामी जोसेफ पॉलराज आ गणित के विद्वान हिमांशु असनानी के वाशिंगटन में मार्कोनी सोसायटी सम्मानित कइलसि.
- प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर का दिने हरियाणा के लोग से हरियाणा के कांग्रेस मुक्त करे के गोहार लगाढ़त भाजपा के चुनाव प्रचार के शुरुआत कइलन.
आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं
टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..