
- अंतर्राष्ट्रीय अमेच्योर मुक्केबाजी संघ भारत के महिला मुक्केबाज सरिता देवी का खिलाफ कार्रवाई करी. सरिता देवी अपना खिलाफ बेइमानी से दिहल फैसला के विरोध करत कांस्यपदक ना पहिरली आ ओहिजे छोड़ दिहली.
- एह मामिला में भारतीय ओलंपिक संघ के अधिकारी बेहद शर्मनाक काम कइले आ सरिता देवी के कवनो तरह से मदद ना क के ओहिजा से धीरे से खिसल लिहले.
- देवबंद के दारुल उलूम प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अमेरिका यात्रा के सफलता पर उनका के मुबारकबाद देत इहो कहलसि कि इजराइल से संबंध बढ़ावे का अपना फैसला पर फेरू सोचस.
- उत्तर प्रदेश पुलिस के स्पेशल टास्क पोंर्स रेलवे भर्ती बोर्ड भोपाल के नाम से फर्जी वेबसाइट बनाके बेरोजगारन के ठगे वाला एगो गिरोह के सरगना के लखनऊ से गिरफतार क लिहलसि.
- डीजल बेच के तेल कंपनी अब हर लीटर पर दू रुपिया के मुनाफा कमात बाड़ी सँ. अबहीं एकर फायदा गाहक के नइखे मिलत.
- यूपी सरकार सीमा पूनिया के 50 लाख आ नरसिंह यादव के 15 लाख के इनाम देबे के एलान कइलसि. सीमा पुनिया स्वर्ण पदक आ नरसिंह यादव कांस्य पदक जीतले बाड़े इंचियोन एशियाई खेल में.
- राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सबले माथ समिति लखनऊ में तीन दिन ले हिन्दुत्व का मुद्दा पर मंथन करी. बइठक 17 अक्टूबर से शुरू होखी.
- अमेरिका में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दिहल वादा के अमली जामा पहिरावत केन्द्र सरकार भारतीय मूल के विदेशी नागरिकन के जारी वीजा के आजीवन करे आ थाना में हाजिरी से छूट देबे वाला अधिसूचना जारी क दिहलसि.
- एक त काली अपने गोर, ओहपर लिहली कमरी ओढ़. यूपी के लोग बिजली संकट के मार झेलते बा तबले यूपी सरकार बिजली के दाम में बड़हन बढ़ोतरी क दिहलसि.
- संतरविदासनगर के गोपीगंज इलाका में आजु सबेरे एगो सड़क हादसा में दू जने के मौत हो गइल.
- बिहार के भागलपुर जिला के चर्चित लव जेहाद मामिला के मुख्य आरोपी रिमांड होम से फरार हो गइल बा.
- पाकिस्तान का पेशावर के शाहबोदार इलाका में आजु एगो स्कूल के निशाना बनाके भइल ग्रेनेड हमला से एगो शिक्षक आ दू गो विद्यार्थियन के मौत हो गइल.
- उडन परी पी टी ऊषा के चेली टिंटू लूका इंचियोन एशियाई खेल में बुध का दिने महिला 800 मीटर स्पर्धा में रजत पदक जीत लिहली.
- आइसिस का खिलाफ होखत युद्ध खातिर तुर्की सीरिया आ इराक में आपन सेना भेज सकेला आ विदेशी सेना के अपना सैनिक अड्डा इस्तेमाल करे इजाजतो दे सकेला.
- भारी उद्योग मंत्री अनंत गीते के कहना बा कि केन्द्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा देबे के अबहीं कवनो सवाले नइखे. एहसे लागत बा कि शिवसेना राजग से हटल नइखे चाहत अबहीं.
- कांग्रेस नाराज बिया कि अमेरिका में नरेन्द्र मोदी पिछला सरकारन के नीचा देखावे के कोशिश क के प्रधानमंत्री पद के गरिमा गिरा दिहले.
- गोण्डा के उमरीबेगमगंज में एगो नवही अपना महतारिए के पीट पीट के मुआ दिहलसि.
- इंचियोन एशियाई खेल में भारत के महिला हाकी टीम आजु जापान के 2-1 से हरा के कांस्य पदक जीत लिहलसि.
- प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अपना अमेरिका यात्रा के पूरा सफल आ ऐतिहासिक बतवलन.
- महाराष्ट्र आ हरियाणा में बहुमत पा के सरकार बनावे का अभियान का तहत भाजपा आपन चुनाव प्रचार 4 अक्टूबर शुरू करी.
- भठियरपन का मामिला में ना खाएब ना खाए देब कहे वाला प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अब ‘स्वच्छ भारत अभियान’ के शुरुआत काल्हु ई किरिया लेत आ धरावत करीहें कि ‘ना गंदा करब ना करे देब’.
- रोहतास जिला के अकोढ़ीगोला इलाका के देवरिया गांव में काल्हु मंगल के रात एगो पिक्कड़ अपना पत्नी के नहर में डूबा के मार दिहलसि.
- रोहतास जिला के दिनारा का बेलहर गांव में मंगल के देर रात संपत्ति के झगड़ा में महतारी बेटी के गरदन काट के मुआ दिहल गइल बा.
- रिजर्व बैंक कर्जा पर लागे वाला सूद ना घटवलसि त जरला प नून मलत भारतीय स्टेट बैंक जमा रुपिया पर दिहल जाए वाला सूदो घटा दिहलसि. एके महीना में दुसरका बेर ई सूद घटावल गइल बा.
- एगो दोसर घोटाला, नेशनल हेराल्ड केस, के सुनवाई के तारीख अब 9 नवम्बर तय भइल बा. एह केस में सोनया गाँधी आ राहुल गाँधी पर फरेब कर के नेशनल हेराल्ड के करोड़ो रुपिया के संपति हथिया लेबे के आरोप बा.
- जे जयललिता के जमानत याचिका पर सुनवाई आजु फेर 7 अक्टूबर ले टार दिहल गइल बा.
- तीन बच्चन के महतारी मैरी काम के बधाई देत प्रियंका चोपड़ा कहली कि मैरीकाम के सफलता बहुते सराहेजोग बा.
- ओलंपिक कांस्य पदक विजेता महिला मुक्केबाज एम सी मैरीकाम आजु बियफे का दिने इंचियोन एशियाई खेल के 48 से 51 किग्रा फलाईवेट बाक्सिंग स्पर्धा में कजाखिस्तान के झैना शैकेरबेकोवा के 2-0 से पीटत स्वर्ण पदक जीत लिहली.
- विन्डोज 8 के अलोकप्रिय साबित भइला का बाद माइक्रोसाफट अब सीधे विन्डोज 10 उतारे के एलान कइले बावे. अगिला साल जुलाई ले ई नयका सिस्टम बाजार में मिले लागी.
- इराक का बगदाद में शिया बहुल इलाका में करावल कार बम विस्फोट आ मोर्टार हमला से नाहियो त तीन दर्जन लोग के मौत हो गइल बा.
- दुर्घटना का नौ घंटा का भितरे रेल ट्रैक दुरुस्त करा के फेर से यातायात चालू कर दिहल गइल. हादसा में मरे वालन खातिर दुख जतवले बाड़न प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.
- गोरखपुर में नन्दा नगर क्रासिंग का लगे भइल बरौनी एक्सप्रेस आ कृषक एक्सप्रेस के टक्कर में 12 लोग मर चुकल बा आ पचास लोग घवाहिल बा. मरे वालन के परिवार के दू दू लाख रुपिया देबे के एलान कइले बिया रेलवे आ घवाहिल लोगन के पचास पचास हजार.
आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं
टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..