नानाजी देशमुख के जनमदिन 11 अक्टूबर पर दिल्ली में उनुका प लिखल किताब 'विराट पुरुष नानाजी' के विमोचन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.
नानाजी देशमुख के जनमदिन 11 अक्टूबर पर दिल्ली में उनुका प लिखल किताब ‘विराट पुरुष नानाजी’ के विमोचन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.
  • वेस्टइंडीज के 48 रन से हरा के भारत सीरीज में बराबरी कइलसि. भारत के सात विकेट पर 263 रन का मुकाबले वेस्ट इंडीज के पूरा टीम 215 रन पर आउट.
  • देश के करोड़ो हिन्दू सुहागिन आजु अपना मरद के लमहर उमिर के कामना करत करवा चौथ के व्रत रखली. दोसरा कवनो संप्रदाय में अइसन कवनो व्रत भा ‘डे’ मनावल जाव. एह साल पर साल का तरह करवा चौथ का खिलाफ सेकूलर बयानबाजी देखे सुने के ना मिलल आ सोनियो गाँधी माई बहिन के एह मौका पर बधाई दिहली.
  • संघचालक मोहन भागवत कहलन कि हिंदुत्व हिंदुवन के विरासत ह जागीर ना. कहलन कि जरूरी बा कि देश के नवहियन के उनुका जड़ का बारे में बतावल पढ़ावल जाव. दिल्ली के विज्ञान भवन में ‘इंसाइक्लोपीडिया ऑफ हिंदुइज्म’ के अंतरराष्ट्रीय संस्करण के विमोचन करत मोहन भागवत ई बाति कहलन.
  • फर्स्ट क्लास में मैट्रिक पास करे वाला मुसलमान विेद्यार्थियन के बिहार सरकार का तरफ से दस हजार के वजीफा दिहल जाई. हिन्दू विद्यार्थियन के मिली सेकूलरिज्म के ठेंगा!
  • संविदा पर बहाल हजारो आयुष चिकित्सक आजु पटना में प्रदर्शन क के एलोपैथिक डाक्टरन का बराबरे मानदेय के माँग कइले.
  • लोकनायक जेपी के जयन्ती आजु बिहार सरकार जेपी के गाँव सिताबदियारा में मनवलसि जवना में नीतीश कुमार समेत बिहार के अनेके मंत्री शामिल भइले. जेपी के गाँव बिहार आ यूपी दुनू में पड़ेला. बिहार वाला हिस्सा सिताबदियारा आ यूपी वाला हिस्सा जयप्रकाश नगर कहाला.
  • यूपी में बारह फीसदी ले बढ़ावल बिजली दर वापिस करे के निहोरा नकारत राज्य के बिजली नियामक आयोग काल्हु अतवार से बढ़ल दर लागू करे के आदेश दिहलसि.
  • नेताजी सुभाषचन्द्र बोस के रहल कैप्टन अब्बास अली के आजु पंचानबे साल का उमिर में अलीगढ़ में निधन हो गइल. ब्रिटिश सरकार उनुका के फाँसी के सजा सुनवले रहल बाकिर सजा से पहिलही देश आजाद हो गइल.
  • सीमा पर चौबीसो घंटा ना बीतल शान्ति के कि पाकिस्तान का तरफ से फेरू गोलाबारी शुरु हो गइल पूँछ इलाका में. भारतो का तरफ से मन भर जबाब दे दिहल गइल बा.
  • खरीद प्रक्रिया से जुड़ल फाइलन के गायब होखला का चलते रक्षा मंत्रालय आजु 22 हजार करोड रुपिया के 20 गो हाॅक प्रशिक्षण विमान खरीदे के फैसला रद्द क दिहलसि आ नया से टेंडर मँगवले बावे.
  • बीसीसीआई के दादागिरी का सोझा हथियार डालत राजस्थान क्रिकेट संघ आजु अपना चुन के आइल अध्यक्ष ललित मोदी के अध्यक्ष पद से हटा दिहलसि.
  • बलात्कार पर आर आर पाटिल के बेहूदा बयान कहत सभे निन्दा करत बा. हालांकि बाद में पाटिल कहलन कि उ ई बात मजाक में कहले रहलन आ एकरा ला माफी चाहत बाड़े.
  • मनसे उम्मीदवार सुधाकर खाडे पर लागल बलात्कार के आरोप पर महाराष्ट्र के गृहमंत्री रहल आर आर पाटिल कह दिहलन कि सुधाकर के विधायक बनला का बाद बलात्कार करे के चाहत रहुवे पहिले ना.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु चुनाव सभा में हरियाणा आ महाराष्ट्र के जनता से भाजपा के बहुमत वाली मजबूत सरकार बनवावे के गोहार लगवलन.
  • बिहार के मुख्यमंत्री रहल जदयू के नेता नीतीश कुमार आजु छपरा में कहलन कि ऊ कवनो हाल में आपन सिद्धांत ना छोड़ सकसु. कहलन कि सिद्धान्त विहिन राजनीति लोकतंत्र ला सबले बड़हन खतरा बा.
  • पश्चिम चम्पारण जिला के लौरिया इलाका से पचास लाख रूपिया के चरस ले जात एगो औरत के पुलिस ध लिहलसि.
  • लोकनायक जयप्रकाश नारायण के 112वीं जयंती आजु उनका पैतृक गांव उत्तर प्रदेश के बलिया जिले के सिताब दियारा में सादगी आ श्रद्धा से मनावल गइल.
  • वाराणसी के मडुआडीह इलाका में काल्हु रात कुछ बदमाश एगो घर में घुस के सवा लाख नकदी समेत पांच लाख रुपिया के गहना ले भगले.
  • सपा नेता से विवाद का चलते चरचा में रहल आईएएस दुर्गा नागपाल के मरद आ आईएएस अधिकारी अभिषेक सिंह के एगो दलित अध्यापक से बदसलूकी करे के आरोप लगा के निलम्बित करा दिहल गइल.
  • इंफोसिस के संस्थापक एन आर नारायण मूर्ति काल्हु कंपनी के मानद अध्यक्ष के पद छोड़ दीहें. नारायण मूर्ति के मनसा बा कि उनुका के सरकार आपन सलाहकार बना लेव.
  • गोरखपुर कोतवाली पुलिस एगो पशु तस्कर के गिरफ्तार क के वध खातिर ले जाइल जात 117 गो गाय बछड़न के बरामद कइलसि.
  • आजमगढ के रानी के सराय इलाका में एगो जीप एगो साइकिल सवार के कचार दिहलसि जवना से ओकर ठाँवे प मौत हो गइल.
  • आजमगढ के दीदारगंज इलाका में आजु मामूली बाताबाती दू फरीक का बीच के बवाल में बदल गइल आ मारपीट से पाँच जने घवाहिल हो गइले.
  • दिल्ली के 12 तुगलक रोड वाला सरकारी कोठी के प्रधानमंत्री रहल अपना बाप चरण सिंह के स्मारक बनवावे खातिर चौधरी अजित सिंह काल्हु महापंचायत बोलववले बाड़न.
  • आजु आरा जंक्शन पर दिन दहाड़े कुछ बदमाश एगो ठीकेदार रजनीश कुमार के गोली मार के मुआ दिहले.
  • बिहार के रोहतास जिला जेल में बंद नक्सली के भगावे का साजिश में शामिल हवलदार सुरेश प्रसाद के पुलिस आजु गिरफतार क लिहलसि.
  • बिहार के औरंगाबाद में शुक का रात भइल पुलिस नक्सली मुठभेड़ में एगो नक्सली घवाहिल. ओकरा लगे से अनेके हथियार बरामद कइलसि पुलिस.
  • बिहार दवा घोटाला के जाँच करे वाली कमिटी आपन रिपोर्ट जमा कइलसि. पिछला स्वास्थ्य मंत्री पर कवनो दोष ना लगवलसि. सारा दोष तकनीकि कमिटी के. दस गो आरोपियन पर कार्रवाई तय.
  • पटना में नयका एमवीआर रेट काल्हु से लागू हो गइल. अब जमीन मकान खरीदे वालन के रजिस्ट्री फीस पहिले से कम देबे के पड़ी. खरीद फरोख्त बढ़े के उमेद जागल.
  • जौनपुर के स्वतंत्रता सेनानी पंडित हरदेव मिश्र के अंतिम संस्कार आजु वाराणसी में कइल जा रहल बा. 95 बरीस के मिश्रजी के काल्हु उनुका घरे पर निधन हो गइल रहे.
  • गोरखपुर मेडिकल काॅलेज अस्पताल में पिछला चौबीस घंटा में इन्सेफलाइटिस से सात गो मरीज मरले. एह साल अबले नाहियो त 437 मरीजन मर चुकले एह बेमारी से.
  • सांसद आदर्श ग्राम योजना : काग्रेस आ विरोधी दल खातिर उगलत आन्हर निगलत कोढ़ी वाला हाल हो गइल. निमन काम करीहें त मोदी के जय जय, गलत करीहें त उनकर थई थई.
  • लोकनायक जयप्रकाश नारायण के जनमदिन प पीएम नरेन्द्र मोदी शुरू करइहें सांसद आदर्श ग्राम योजना. हर सांसद से साल 2019 से पहिले तीन गो गाँव के नागरिक सुख सुविधा संपन्न बनावे के जिम्मा मिलल.
  • भारत पाकिस्तान के सीमा काल्हु रात शांत रहल. लागत बा कि भारत के जबाब पाकिस्तान के बुझा गइल बा. असल में ओकरा अंदाजे ना रहे कि अतना तगड़ा जबाब भेंटा जाई. ऊ त बस कड़ा निन्दा के सोचले रहुवे.
  • शुक का दिने पश्चिम बगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी राज्य के मामिला में बिना जरूरत दखल देबे खझातिर केन्द्र सरकार के आलोचना कइली. बर्दवान धमाका के जाँच केन्द्र एनआईए के दे दिहला से बेचैन बाड़ी ममता.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

By Editor

%d bloggers like this: