
- पहिले आ आपा के नेता रहल शाजिया इल्मी बुध का दिने भाजपा नेता सतीश उपाध्याय का संगे दिल्ली में स्वच्छता अभियान में शामिल भइली.
- बिहार में रोहतास जिला के काराकाट इलाका के मोहनपुर गांव में कुछ दबंग लोग मामूली झगड़ा में एगो दलित के जिंदा जरा दिहल.
- बिहार के मुख्यमंत्री रहल नीतीश कुमार दुर्गावती जलाशय परियोजना के उदघाटन पर खुशी जतावत कहलन कि रोहतास आ कैमूर जिला के किसानन के एगो पुरान सपना पूरा हो गइल.
- केन्द्र के गृह सचिव अनिल गोस्वामी उच्चतम न्यायालय का सोझा सकरले कि ऊ उत्तराखंड के राज्यपाल अजीज कुरैशी के इस्तीफे देबे का बारे में सोचे के कहलन काहे कि उनकर बयान गैरवाजिब रहुवे.
- भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी नाराजगी जतवलसि कि यूपी के राज्यपाल राम नाईक आरएसएस सरसंघ चालक मोहन भागवत आ उनुका बड़का प्रचारकन के रात्रिभोज दिहले आ ओह लोग से रायविचार कइलन.
- बिहार में डेहरी आनसोन से सोननगर का बीच पूर्व मध्य रेलवे के ओवर हालिंग चलला का चलते राँची से आवाजाही करे वाली कई गो ट्रेन 20 अक्टूबर ले रद्द क दिहल गइल.
- झारखंड में भाजपा का खिलाफ कांग्रेस, झारखंड मुक्ति मोर्चा, राष्ट्रीय जनता दल आ जनता दल यूनाईटेड मिलके विधानसभा के चुनाव लड़ीहें काहे कि उनुका लागत बा कि अकेले ओह लोग के बेंवत नइखे कि भाजपा के हरा सकसु.
- टुडे चाणक्य के एक्जिट पोल में भाजपा के महाराष्ट्र आ हरियाणा दुनू राज्य में अकेले बहुमत मिले के बात कहल गइल बा. सगरी पोल भाजपा के नंबर वन पार्टी माने पर एकमत बाड़ी सँ. हरियाणा आ महाराष्ट्र के वोट 19 तारीख के गिनल जाई.
- बिहार में सीवान जिला के धनौती चौकी का इलाका में दिनदहाडे़ एगो मनी ट्रांसफर संचालक से नौ लाख 85 हजार रूपिया लूट लिहल गइल. सिवान में एह तरह के घटना आए दिन घटत रहेला आ पुलिस बेबस लउकेले.
- बिहार में सारण जिला के छपरा नगर थाना के करीम चौक का नियरा पुलिस दू गो हथियार तस्करन के असलहा समेत गिरफतार क लिहलसि.
- इलाहाबाद उच्च न्यायालय के लखनऊ पीठ हैदर फिल्म के निर्माता निर्देशक के नोटिस जारी क के पूचलसि कि कुछ दृश्य आ संवाद पर एगो समुदाय के विरोध का चलते काहे ना ओकरा पर रोक लगा दिहल जाव. जान जाईं कि एह फिलिम में कश्मीरी अलगाववादियन के महिमामंडित करत सेना का खिलाफ माहौल बनावे के कोशिश कइल गइल बा.
- बिहार के 26 जिलन के कांग्रेस प्रमुख कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गांधी से भेंट क के बिहार प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष अशोक चौधरी के हटावे के मांग कइलन.
- बिहार में नालंदा जिला के मदरसा अजीजिया लड़िकियन के पढ़ावे पर लगावल रोक के आपन फैसला वापिस लिहलसि.
- बिहार के मुख्यमंत्री रहल नीतीश कुमार फेरू मुख्यमंत्री बने के लालसा जतवलन बशर्ते लोग उनुका के फेरू चुन लेव.
- जापान के क्योटो शहर के मेयर डिसाकू काडोकावा 30 अक्टूबर के वाराणसी अइहन.
- उत्तर प्रदेश सरकार राज्य के सगरी 250 सुविधा केन्द्र पर आनलाइन पंजीयन भा आनलाइन रिटर्न विवरण विभाग के भेजे खातिर लिहल जाए वाला शुल्क के सूची टांगे के कहलसि. व्यापारियन के शिकायत बा कि एहमें धांधली कइल जात बा.
- पिछला बेर चैम्पियन रहल भारत अपना पुरनका टकरइत पाकिस्तान के सुल्तान जोहोर कप हाकी टूर्नामेंट में बुध का दिने छह गोल से हरा दिहलसि. पाकिस्तान का तरफ से कवनो गोल ना हो पावल.
- केन्द्रीय स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण मंत्री हर्षवर्धन कहलन कि देश में डाक्टरन के कमी देखत नया मेडिकल कालेजन के मान्यता देबे के नियम ढीला कइल जाई.
- केंद्रीय खेल मंत्रालय भारतीय ओलंपिक संघ आ सगरी राष्ट्रीय खेल संघ से आपन लेखा जोखा सार्वजनिक करे के कहले बावे आ जे अइसन ना करी ओकरा के वित्तीय मदद रोक दिहल जाई आ उनकर लाइसेंस के नवीकरण ना होखी.
- सऊदी अरब के एगो अदालत शिया मुसलमानन ला अधिका अधिकार मांगे वाला एगो शिया धर्म गुरू के फांसी के सजा सुनवलसि.
- वाराणसी के सारनाथ इलाका के एगो स्कूल से अनुशासनहीनता खातिर निकालल गइल एगो छात्र के आत्महत्या क लिहला का बाद ओकर साथी पहाड़िया रोड जाम क के विरोध जतवलन.
- भारत में सस्ता विमान सेवा देबे वाली कंपनी इंडिगो एयरलाइंस यूरोप के कंपनी एयरबस से 1.55 लाख करोड़ रूपिया में अढ़ाई सौ ए-320-नियो विमान खरीदे के सौदा कइलसि.
- मध्यप्रदेश कांग्रेस के वरिष्ठ नेता गुफराने आजम के कांग्रेस पार्टी से निकाल दिहलसि काहे कि उ पिछला दिने सोनिया आ राहुल का खिलाफ बयान दिहले रहले.
- वित्त मंत्री रहल पी चिदम्बरम मोदी सरकार से पूछले कि उ बतावे कि अइसन का कइलसि कि थोक महंगाई के दर पांच साल के निचला स्तर पर चहुंप गइल. उनकर इशारा रहे कि कमी पिछला सरकार के काम का चलते भइल बा.
- इंडिया इस्लामिक सेंटर के प्रमुख सिराजुद्दीन कुरेशी कहलन कि आजादी का बाद से राजनीतिक पार्टी सभ देश के मुस्लिम नेतृत्व के पनपे ना दिहले आ अब प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के दूरर्दशी सोच का चलते मुसलमान भाजपा से जुड़े लागल बाड़े.
- उत्तर प्रदेश के राज्यपाल राम नाइक मंगल देर रात राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के संघ चालक मोहन भागवत आ उनुका बड़का प्रचारकन के रात्रिभोज दिहलन. करीब एक घंटा ले एह लोग का बीच बातचीत भइल.
- प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ने बुध का दिने देश के राष्ट्रपति रहल ए.पी.जे.अब्दुल कलाम के उनका जनमदिन पर बधाई दिहलन.
- पटना में सरकारी जमीन हड़पे का आरोप में दू गो विधायक समेत 41 लोग का खिलाफ केस दर्ज करावल गइल बा कि ई लोग सरकारी जमीन पर पक्का निर्मंण करा लिहले बाड़न.
- पिछला लोकसभा चुनाव में सिफर रहे वाली बसपा उत्तर प्रदेश के विधानसभा चुनाव खातिर अबहिए से उम्मीदवार चुनल शुरू क दिहलसि. चुनाव 2017 में होखे वाला बा.
- केन्द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्मृति ईरानी कहले बाड़ी का साल भर का भितरे हर स्कूल में लड़िकन आ लड़िकियन ला अलग अलग शौचालय बनवावे ला सरकार किरिया खइले बिया.
- दुर्गावती जलाशय परियोजना के उद्घाटन समारोह का पहिलही कैमूर जिला प्रशासन लोजपा के जिलाध्यक्ष रामयश सिंह कुशवाहा के गिरफतार क लिहलसि. पुलिस के अनेसा रहे कि ई कवनो हंगामा करा सकेले.
आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं
455 total views, 4 views today