
- उत्तर प्रदेश के लोक निर्माण मंत्री शिवपाल सिंह यादव गाजीपुर-आजमगढ रोड के तुरते मरम्मत करावे के निर्देश दिहले आ कहले कि सैदपुर जमांनियां पुल के निर्माण तेजी से करावल जाए आ रौजा बि्रज के दिसम्बर ले हर हाल में पूरा बना के उद्घाटन करा लिहल जाव.
- यूपी सरकार राज्य के सात गो जिला में लड़िकियन के शिक्षा के बढ़ावा देबे ला महिला डिग्री कालेज खोली. ई जिला बावे आजमगढ़, कन्नौज, चन्दौली, मैनपुरी, एटा, आ हमीरपुर.
- केंद्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु शनिचर का दिने साफ कह दिहलें कि अब से केहू के स्मारक ला कवनो सरकारी बंगला ना दिहल जाई. पिछला दिने अजीत सिंह अपना बाप आ देश के पीएम रहल चौधरी चरण सिंह के स्मारक खातिर बंगला माँगत रहले.
- मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव कहलन कि राज्य में नया खेल नीति बनावल जाई जवना से खिलाड़ियन के नौकरी के अवसर बढ़े. मुख्यमंत्री एशियाड में पदक जीते वाला खिलाड़ियन के सम्मानित करत रहले.
- फुटबाल के इंडियन सुपर लीग में आजु शनिचर का दिने डी. वाई पाटिल स्टेडियम में भइल मैच में मुंबई सिटी एफसी ब्राजीलियाई स्ट्राइकर आंद्रे फ्रांसिस्को मॉरित्ज के हैट्रिक का सहारे घरेलू मैदान पर एफसी पुणे सिटी के 5-0 से हरा दिहलसि.
- अहमदाबाद के मेट्रो रेल परियोजना के पहिला चरण के केंद्रीय मंत्रिमंडल मंजूरी दिहलसि. गुजरात के मुख्यमंत्री आनंदीबेन पटेल एकरा ला प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से आभार जतवली.
- डीजल के दाम आजु से बाजार के हवाले कर दिहलसि केन्द्र सरकार. आजु अधरतिया से डीजल के दाम में कमी के एलान भइल बा. दिल्ली में ई कमी 3.37 रूपिया के भइल बा.
- पश्चिम चंपारण के मझौलिया इलाका के गोरा सेमरा नोनिया टोला में एगो प्रेमी नवही के गाँव के लोग काल्हु रात में पीट पीट के मुआ दिहल.
- निर्वाचन आयोग आजु जम्मू कश्मीर के दौरा क के ओहिजा विधानसभा चुनाव करावे के तारीख का बारे में फैसला करी. हाल के बाढ़ का बाद बिगड़ल हालात अबहीं ले सुधरल नइखे कहि के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला चाहत बाड़न कि चुनाव फिलहाल टार दिहल जाव.
- काल्हु शुक का दिने बिहार में कवनो नया भोजपुरी फिलिम रिलिज ना भइल. भोजपुरी सिनेमा के कारोबार में गिरावट आइल बा काहे कि भोजपुरी फिलिम अपना जमीन से कट गइल बाड़ी सँ. दोसरा भासा के निर्माता आ निर्देशक भोजपुरी से न्याय नइखन कर पावत.
- तमिलनाडु मुख्यमंत्री रहल जे. जयललिता आजु शनिचर के बेंगलुरू के केंद्रीय कारगार से रिहा कर दिहल गइली. जेल के गेट पर उनुका स्वागत में तमिलनाडु के मुख्यमंत्री खुद मौजूद रहले. चेन्नई चहुँपला पर भारी बरखा का बावजूद जयललिता के समर्थक उनकर जोरदार अगवानी कइले.
- विरोधी पार्टियन के आलोचना झेलत वित्त मंत्री अरुण जेटली के कहना बा कि करिया कमाई वाला धन का मामिला में ठेर उछलकूद कइला से बात बिगड़िओ सकेला आ फेर तब दोसर देश आगे सहयोग करे से मना कर सकेलें.
- वेस्टइंडीज के टीम के आपन भारत दौरा बीचे में छोड़ के लवट जाए के फैसला का बाद वेस्ट इंडीज बोर्ड से आपन भइल नुकसान के भरपाई करे के मांग करी बीसीसीआई.
- वाराणसी के हरिश्चन्द्र स्नाकोत्तर महाविद्यालय में छात्रसंघ चुनाव के परिणाम अइला का बाद काल्हु शुक के सँझिया में दू गो गुट अपने में भिड़ गइले. एह मारपीट में चार जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
- गोरखपुर के बाबा राघव दास मेडिकल कालेज में पिछला 24 घण्टे में इंसेफलाइटिस से अउर आठ गो बचवन के मरला का बाद एह बेमारी से एह साल अबले 468 गो मौत हो चुकल बा.
- जौनपुर जिला में मौजूदा लेखा बरीस में बने जात 9004 गो इन्दिरा आवास में से 1591 गो आवास अल्पसंख्यक समुदाय के दिहल जाई.
- भारत के जूनियर हॉकी टीम आजु शनिचर का दिने सुल्तान जोहोर कप अंडर-21 हॉकी टूर्नामेंट के अपना आखिरी ग्रुप मैच में आस्ट्रेलिया के 6-2 से हरा के फाइनल में चहुँप गइल.
- पटना के मशहूर काॅलेज पटना काॅलेज के विद्यार्थियन के दू गो गुट के झगड़ा में बम चलला से एगो छात्र घवाहिल हो गइल.
- देवरिया जिला के मदनपुरा इलाका में मामूली झगड़ा में एगो देवर अपना भउजाई के पीट पीट के मुआ दिहलसि.
- काल्हु शुक का दिने बिहार में कवनो नया फिलिम ना रिलीज भइल. लागत बा छठ के इंतजार होखत बा. छठ का समय नागिन फिलिम रिलीज होखे वाला बतावल जात बा. एहमें प्रदीप पाण्डेय चिंटू मुख्य किरदार में बाड़न.
- पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी केन्द्र सरकार से नाराज बाड़ी. बर्दवान बम धमाका बाद राष्ट्रीय सुरक्षा एजेन्सी आतंकी गिरोहन का खिलाफ नया नया खुलासा करत बा बाकिर ममता के शिकायत बा कि राज्य सरकार के अनदेखी करत सीधे जिलाधिकारियन के आदेश दिहल जात बा. लागत बा कि इमरजेन्सी आ गइल बा. जानत चलीं कि इमरजेन्सी का दौरान ममता कांग्रेसे में रहली.
- जम्मू कश्मीर सीमा पर आजु शनिचर का सबेरे पाकिस्तान फेरू बीएसएफ के चौकी पर गोलीबारी कइलसि.
- बिहार के सीतामढ़ी का रुन्नी सैदपुर इलाका में आजु शनिचर का भोर में एगो सड़क हादसा में सात लोग के मौत हो गइल बा आ छह जने घवाहिल हो गइल बाड़े. गाढ़ा गाँव का लगे एगो सुमो सामने से आवत ट्रक से टकरा गइल. एगो दोसर घटना में प्रेमनगर गाँव का लगे बोलेरो आ ट्रक के टक्कर हो गइल.
- नार्वे आ फिनलैंड के आपन यात्रा के बेहद सफल बतवले राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी. कहलन कि आवे वाला बरीसन में एह देशन संगे भारत के संबंध नया ऊँचाई छुई.
- बलिया के बैरिया इलाका के भीखा छपरा पुलिया का लगे काल्हु शुक के दुपहरिया में बैंक से 1 लाख 69 हजार रुपिया निकाल के अपना ग्राहक सेवा केन्द्र आवत कौशल सिंह के कुछ बदमाश छुरा घोंप के घवाहिल क दिहले आ रुपिया वाला बैग छीन के फरार हो गइले.
आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं
382 total views, 2 views today