भाजपा मुख्यालय में महाराष्ट्र आ हरियाणा विधानसभा चुनाव के रणनीतिकार आ भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के शानदार स्वागत.
भाजपा मुख्यालय में महाराष्ट्र आ हरियाणा विधानसभा चुनाव के रणनीतिकार आ भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के शानदार स्वागत.
  • यूपी राज्यपाल काल्हु सोमार का दिने आपन तीन महीना के कार्यकाल के रिपोर्टकार्ड पेश कर के एगो नया परंपरा के शुरूआत करीहें.
  • कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी आजु अतवार का दिने हरियाणा आ महाराष्ट्र में पार्टी के हार सकारत कहली कि कांग्रेस दुनू राज्य में ‘रचनात्मक आ सतर्क करे वाली भूमिका’ निबाही.
  • शिव सेना के अध्यक्ष उद्धव ठाकरे के कहना बा कि शिवसेना भारतीय जनता पार्टी के तबे समर्थन दी जब भाजपा ओकरा के अखंड महाराष्ट्र के भरोसा दी.
  • भारत के अंडर-21 पुरुष हॉकी टीम आजु अतवार का दिने सुल्तान जोहोर कप टूर्नामेंट के फाइनल में ब्रिटेन के 2-1 से हराके खिताब बचा लिहलसि. लीग मैच में भारत ब्रिटेन से 0-2 से हार गइल रहे बाकिर आपन पांचो लीग मैच जीते वाला टीम ब्रिटेन के फाइनल में हरावे में सफल रहल भारत.
  • अरुणाचल प्रदेश के कानुबाड़ी विधानसभा सीट के उपचुनाव में कांग्रेस भाजपा के हरा के आपन सीट बरकरार रख लिहलसि.
  • बिहार के स्वास्थ्य मंत्री रामधनी सिंह राजद के नेता रघुवंश प्रसाद सिंह के भेड़ बकरी जस बतावत कहलन कि कवनो भेड़ बकरी का कहला प इस्तीफा ना दीहें.
  • उडीसा के कंधमाल लोकसभा सीट के उपचुनाव में बीजू जनता दल आपन सीट बरकरार रखलसि आ ओकर उम्मीदवार प्रत्यूषा राजेश्वरी सिंह जीत गइली.
  • महाराष्ट्र के बीड सीट पर दिवंगत गोपीनाथ मुंडे के बेटी आ भाजपा प्रत्याक्षी प्रीतम मुंडे जीत हासिल कइली. सीट गोपीनाथ मुंडे के निधन से खाली भइल सीट पर भइल रहे.
  • फुटबाल के इंडियन सुपर लीग में आजु दिल्ली डायनामोज शानदार वापसी करत टलेटिको डी कोलकाता के 1-1 का बराबरी पर रोक दिहलसि.
  • आजमगढ के जहानागंज इलाका से एगो नाबालिग लडकी के अपहरण करे के आरोप में पुलिस आजु एगो आरोपी के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि.
  • पूर्वांचल विश्वविद्यालय के पहिलका उपकुलपति आ सेवानिवृत आईएएस अधिकारी हरिमूर्ति सिंह के आजु 90 साल का उमिर में लखनऊ में निधन हो गइल.
  • वाराणसी के काशी विश्वनाथ मंदिर का लगे के माता अन्नपूर्णा देवी के मंदिर के पुजारी गणपति झा पर एगो औरत छेडखानी के आरोप लगवले बिया. मंदिर के कार्यपालक अधिकारी अजयकुमार अवस्थी के तहरीर पर चौक थाना में केस दर्ज भइल बा.
  • हरियाणा विधानसभा में कांग्रेस के मिलल हार का बाद मुख्यमंत्री भूपिंदर सिंह हुड्डा आजु राज्यपाल कप्तान सिंह सोलंकी से भेट क के आपन इस्तीफा दे दिहलन.
  • अगिला साल से दस साल से कम के बचवन के हज करे से रोके के फैसला ले सकेला सऊदी अरब.
  • रोहतास जिला के नगर थाना के बैरिया मोड़ का लगे तैनात एगो दारोगा के उगाही करत पकड़इला का बाद निलंबित कर दिहल गइल आजु.
  • मऊ जिला में आज दू गो हादसा में एगो औरत समेत दू लोग के मौत हो गइल.
  • गोंडा के कटरा बाजार इलाका में रास्ता निकाले खातिर भइल झगड़ा में एगो दलित के पीट पीट के मुआ दिहल लोग.
  • राम जन्मभूमि न्यास के अध्यक्ष मंहत नृत्य गोपाल दास आजु अयोध्या में कहलन कि केन्द्र क नरेन्द्र मोदी सरकार के राम मंदिर बनवावे ला दू साल के समय दिहल गइल बा. एह बीच ना बन पावल त फेरू आन्दोलन शुरू कइल जाई.
  • महाराष्ट्र के 288 गो घोषित परिणाम में भाजपा+ के 123, शिवसेना के 63, कांग्रेस के 42, राकांपा के 41, आ निर्दलीय आ दोसरा पार्टिियन के 19 उम्मीदवार जीतल बाड़े.
  • हरियाणा के सगरी 90 परिणाम आ गइल बा आ भाजपा 47, इनेलोद 20, कांग्रेस 15, हजकां 2 आ बाकी दल आ पार्टियन के 6 गो सीट पर जीत मिलल बा.
  • राकांपा नेता प्रफुल्ल पटेल के कहना बा कि राकांपा महाराष्ट्र में भाजपा के सरकार बने त बाहर से समर्थन देबे का तइयार बिया.
  • देश के सबले अमीर महिला सावित्री जिंदल हरियाणा के हिसार विधानसभा सीट से चुनाव हार गइली.
  • महाराष्ट्र हरियाणा विधानसभा चुनाव में कांग्रेस के हार खातिर पार्टी के गोवा इकाई के प्रवक्ता कहलन कि पार्टी के हार खातिर वंशवाद जिम्मेदार बा आ एकरा के खतम करे के पड़ी.
  • गुजरात के राजकोट पश्चिम विधानसभा उपचुनाव में भाजपा 23740 वोट से कांग्रेस के हरा दिहलसि.
  • कांग्रेस के महाराष्ट्र इकाई के अध्यक्ष माणिकराव ठाकरे विधानसभा चुनाव में मिलल हार के नैतिक जिम्मेदारी लेत अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन.
  • देवरिया जिला के बनकटा इलाका में जमीन का झगड़ा में भइल मारपीट से आठ लोग घवाहिल भइले.
  • भारत के दौरा बीचे में छोड़ के चल गइला खातिर भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड वेस्टइंडीज क्रिकेट बोर्ड पर 400 करोड़ रूपिया के जुर्माना लगावे के सोचत बिया. फैसला 21 अक्टूबर के हैदराबाद बैठक में लिहल जाई.
  • मऊ जिला के घोसी इलाका में काल्हु देर रात पुलिस दू गो तस्करन के पांच किलो गांजा संगे गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • भाजपा के ‘मार्गदर्शक’ लालकृष्ण आडवाणी कहलन कि भाजपा के गठबन्हन शिवसेना से होखे के चाहीं आ जरुरत पड़ला पर बतियावे ला तइयार बतवले अपना के.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


 360 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: