हरकिशनदास नरोत्तमदास रिलायंस फाउंडेशन हॉस्पिटल एंड रिसर्च सेंटर के उद्घाटन का मौका पर पीएम मोदी के स्मृति चि्हन देत कोकिलाबेन धीरूभाई अंबानी.
हरकिशनदास नरोत्तमदास रिलायंस फाउंडेशन हॉस्पिटल एंड रिसर्च सेंटर के उद्घाटन का मौका पर पीएम मोदी के स्मृति चि्हन देत कोकिलाबेन धीरूभाई अंबानी.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजुु भाजपा मुख्यालय पर बोलावल दिवाली मिलन समारोह में सगरी मीडिया के संपादकन आ भाजपा के बीट पर तैनात पत्रकारन से मिललन. एगो छोट संबोधन दिहला का बाद पीएम मोदी मंच से उतर के मीडियावालन का बीच गइलन आ सभका से गर्मजोशी से मिललन. सामरोह में आइल पत्रकार लोग में मोदी का साथे आपन सेल्फी फोटो खींचे में होड़ लाग गइल. बाद में पीएम मोदी सभा का बाहरो जा के ओहिजो तैनात मीडिया कर्मियन से मिललन. सभे एह बात के सराहना कइल कि मोदी हर पत्रकार आ कैमरामैन के मान कइले आ खाली संपादके लोग से बतिया के ना रह गइले जइसे अबले होत आइल बा. बाकिर कुछ पत्रकार लोग के एह बात के अफसोस रहि गइल कि उ मोदी से सवाल जबाब ना कर पवले.
  • गड़बड़ी ना पसारे के चेतावनी देत उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु राज्यमंत्री के दर्जा मिलल सगरी 80 गो मंत्रियन के बर्खास्त कर दिहलन. पिछला दिने यूपी सरकार के राज्य मंत्री दरजा मिलल एगो नेता के बाप बागपत में पुलिसवालन के हड़का के गोकशी का मामिला में दू गो अपराधियन के गिरफ्तार करे से रोक दिहले रहुवे. खबर मीडिया में अइला का बाद एह तरह के फैसला भइल बा.
  • चीन आ पाकिस्तान के साथ सीमा पर तनाव का माहौल में आजु भारत सरकार सशस्त्र सेना के आधुनिकीकरण के तेज करे खातिर 80 हजार करोड़ रुपिया के रक्षा परियोजनन के मंजूरी दे दिहलसि.
  • जम्मू कश्मीर में विधानसभा चुनाव के एलान के बाद मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला कहलन कि अबहीं चुनाव करावे के सही समय ना रहल बाकिर उनकार पार्टी नेशनल कान्फ्रेंस चुनाव में शामिल होखी आ मौका के फायदा उठावे का फेर में लागल पीपुल्स डेमोक्रेटिक पार्टी के असलियतो जनता का सोझा ले आई.
  • झारखंड आ जम्मू कश्मीर विधान सभन के चुनाव के तारीख के आजु चुनाव आयोग एलान क दिहलसि. दुनू राज्य के चुनाव पाँच दौर में होखी. पहिला 25 नवम्बर के, दुसरका 2 दिसम्बर के, तिसरका 9 दिसम्बर के, चउथका 14 दिसम्बर के आ पँचवा दौर 20 दिसम्बर के चली. वोट गिने के काम 23 दिसंबर के करावल जाई.
  • दिल्ली में विधानसभा चुनाव के अटकल का बीचे चुनाव आयोग तीन गो खाली पड़ल विधानसभा सीट पर उपचुनाव करावे के एलान क दिहलसि. एहिजा 25 नवम्बर के वोट डालल जाई आ 23 दिसम्बर के वोट गिने के काम होखी.
  • आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी मुंबई में रिलायंस फाउंडेशन के नया सिरा से बनावल हरकिशनदास नरोत्तमदास रिलायंस फाउंडेशन हॉस्पिटल एंड रिसर्च सेंटर के उद्घाटन कइलन. एह मौका पर पीएम मोदी निवारक उपचार आ स्वस्थ जीवनशैली अपनावे पर जोर दिहलन. उमेद का उलट एह समारोह में शिवसेना नेता उद्धव ठाकरे ना अइलन.
  • भाजपा सांसद आ अभिनेता शत्रुघ्न सिन्हा कहलन कि बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले भाजपा अपना मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार के नाम के एलान कर देव त फायदा रही.
  • भारत के सानिया मिर्जा आ जिम्बाब्वे के उनकर जोड़ीदार कारा ब्लैक आजु डब्ल्यूटीए फाइनल्स के युगल वर्ग के फाइनल में चहुँप गइले जब सेमीफाइनल में ई लोग चेक गणराज्य के क्वेता पेश्के आ स्लोवेनिया के कैटरीना स्रेबोट्निक के जोड़ी के 4-6, 7-5, 11-9 से हरा दिहल.
  • भोजपुर जिला के सहार बाजार में मूर्ति भसान खातिर जाए का रास्ता का झगड़ा में एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • भारतीय क्रिकेट कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी रेसिंग आ फुटबाल के बाद अब हाकीओ में कूद गइल बाड़न आ हीरो हाॅकी इंडिया लीग में खेले वाला रांची टीम के मालिक बन गइल बाड़न सहारा इंडिया परिवार के साझेदारी में.
  • बलिया के रसड़ा इलाका में आजु मोटरसाइकिल सवार कुछ बदमाश एगो सर्राफा व्यापारी के डेरवा के 3 लाख 25 हजार रुपिया के गहना आ नगदी लूटके परा गइलन स. एगो दोसरा घटना में नगरा इलाका में एगो आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
  • उप्र में अब से नेशनल हाईवे पर शराब बेचे के लाइसेन्स ना दिहल जाई. स्कूल, अस्पताल आ धार्मिक जगहन का लगे पहिलहीं से शराब दुकान के लाइसेंस पर रोक बा.
  • छठ पर्व का मौके पर बिहार जाए वालन के बेसम्हार भीड़ का चलते आजु नयी दिल्ली टीसन पर दरभंगा जाए वाली बिहार संपर्क क्रांति एक्सप्रेस में चढ़े के कोशिश करत दू जने नीचे गिर गइले. एगो के जान चल गइल जबकि दोसरका के टाँग कटा गइल आ अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • सारण जिले के पानापुर थाना के बसहिया गांव में छह साल के एगो बच्ची से बलात्कार कइला का बाद ओकर हत्या कर दिहल गइल. आजु शनिचर का दिने ओकर लाश खेत में मिलला का बाद नाराज गाँव वाले पुलिस के जीप में आग लगा दिहले.
  • अपना आवे वाला फिलिम पीके में बॉलीवुड के मिस्टर परफेक्टनिस्ट आमिर खान भोजपुरी बोलत लउकीहें, बाकिर तय मानीं कि उ गलत सलत भोजपुरी होखी.
  • गोण्डा के वजीरगंज में जिला पंचायत के सदस्य रह चुकल एक आदमी के आजु गोली मारके मुआ दिहल गइल. पुलिस के कहना बा कि ई हत्या रंजिश का चलते भइल लागत बा. अनजान लोग का खिलाफ मुकदमा लिख लिहल गइल बा.
  • काल्हु रात फणनवीस आ गडकरी नागपुर में संघ मुख्यालय जा के संघचालक मोहन भागवत से अलग अलग भेंट कइल लोग. गडकरी स्कूटर चलावत गइल रहलें बिना हेल्मेट लगवले. एह पर बाद में सवालो उठावल गइल कि देश के परिवहन मंत्री के अइसन काम शोभा नइखे देत.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up