29 अक्टूबर, 2014 का दिने  नई दिल्ली में एशियाई खेल के पदक विजेता खिलाड़ियन साथै थल सेना अध्यक्ष जनरल दलबीर सिंह.

29 अक्टूबर, 2014 का दिने नई दिल्ली में एशियाई खेल के पदक विजेता खिलाड़ियन साथै थल सेना अध्यक्ष जनरल दलबीर सिंह.
  • छठ महापर्व का तिसरा दिने आजु व्रती लोग नदी तालाब पोखरा समुद्र का किनारे पानी में खड़ा होके डूबत सूरज के अर्घ दिहल. काल्हु सबेरे उगत सूरज के अर्घ दिहला का साथे चार दिन चले वाला ई महापर्व पूरा हो जाई.
  • विश्व बैंक अपना नया रपट में कहले बावे कि दक्षिण एशिया में साल 2005 का बाद से सबले बेसी 20 गो नियम सुधरले बावे भारत.
  • पाकिस्तान के सर्वोच्च न्यायालय आजु पिछला चुनाव के चुनौती देबे वाली तीनों याचिका के खारिज क दिहलसि.
  • देश के महिला आयोग चाहत बावे के रंडी के धंधा कानूनी बना दिहल जाव. एह बारे में एगो प्रस्ताव 8 नवंबर का दिने सर्वोच्च न्यायालय के बनावल समिति का सोझा पेश कइल जाई.
  • इलाहाबाद के फाफामऊ में आजु बुध का दिने एगो कार आ टैंकर के टक्कर में दू जने के मौत हो गइल.
  • पिछला एक हप्ता से लंदन में इलाज करावत जाम्बिया के राष्ट्रपति माइकल सता के आजु निधन हो गइल.
  • केंद्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह अगिला महीना 4 नवंबर के इजरायल के आधिकारिक यात्रा पर जइहें.
  • अमेरिकी फेडरल रिर्जव के ब्याज बढवला का बाद विदेशी बाजारन से मिलल मजगर संकेत आ एहिजा के लिवाली के दम पर आजु सेंसेक्स 217 अंक चढ़के आ निफटी 63 अंक चढ़के बंद भइल. पिछला एक महीना के ई सबले ऊँच स्तर बा.
  • आजु से रसोई गैस सिलेंडर के दाम में तीन रुपेया के बढ़ोतरी क दिहल गइल. ई बढ़ोतरी डीलरन के दिहल जाए वाला कमीशन बढ़वला का चलते भइल बा.
  • विश्वकप विजेता टीम के बड़हन हिस्सा रहल भारत के बल्लेबाज युवराज सिंह आजु कहलन कि उनका मालूम बा कि ऊ फेर कबो भारत के टीम में शामिल ना कइल जइहें बाकिर उमीद नइखन छोड़ले.
  • जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में आतंकवादिय से पिछला 30 घंटा से चलत मुठभेड़ का दुसरका दिने बुध के दू गो अउऱी आतंकवादी के मरइला का बाद खतम हो गइल.
  • पिछला दिने पश्चिम बंगाल के बीरभूम जिला में भइल राजनीतिक झगड़ा में तीन लोग के मौत हो गइल रहे. एह मामिला में पांच जने के गिरफ्तार कइल गइल बा आ दस जने के पूछताछ ला हिरासत में ले लिहल गइल बा.
  • एयरसेल-मैक्सिस सौदा मामिला के सुनवाई करत विशेष अदालत पिछला सरकार में दूरसंचार मंत्री रहल दयानिधि मारन के दू मार्च का दिने बतौर आरोपी हाजिर होखे के समन जारी कइलसि.
  • दिल्ली के त्रिलोकपुरी इलाका में हिंसा के कवनो नया घटना ना होखला का बाद छठ पूजा के देखत दुपहरिया बारह बजे से साँझ छह बजे ले निषेधाज्ञा ढील दिहल गइल. एह दौरान कवनो वारदात ना भइल.
  • सारण जिला के छपरा मंडल जेल में आजु एगो कैदी फाँसी लगा के मर गइल.
  • इलाहाबाद शहर में आजु बुध का सबेरे एगो चाय के दुकान में विस्फोट हो गइला से पूरा दुकान तहस नहस हो गइल. बाकिर केहू के मरे के खबर नइखे.
  • पश्चिम चंपारण जिला के शिकारपुर इलाका में आजु बेलौर नदी में एगो बाप बेटा के डुबला से मौत हो गइल.
  • सुप्रीम कोर्ट के आदेश पर आजु केन्द्र सरकार विदेशी बैंकन में खाता राखे वाला 627 लोग के नाम सउँप दिहलसि.
  • कैमूर जिला के भभुआ रोड टीसन का नियरा रेल पटरी पार करत एगो ओरत मालगाड़ी से कटा के मर गइल.
  • रोहतास जिला के डेहरी आन सोन इलाका में आजु कोयला डिपो का लगे एगो पेट्रोल पंप कर्मचारी के गोली मार के अढ़ाई लाख रुपिया लूट लिहल गइल.
  • सारण जिला के एकमा थाना के भुलनी गाँव का लगे परसागढ़ रोड पर एगो नवही के लाश मिलल बा.
  • चेन्नई में चलत जेएसडब्ल्यू-पीएसए आ जेएसडब्ल्यू-डब्ल्यूएसए चैलेंजर स्क्वॉश टूर्नामेंट के फाइनल में काल्हु काल्हु हरिंदर पाल संधू आ दीपिका पल्लिकल चहुँप गइल लोग.
  • अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा के मानवरहित अंतरिक्ष यान में आजु लांच कइला का कुछे देर बादे विस्फोट हो गइल. एह यान से अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष टीसन खातिर जरूरी सामान भेजल जात रहुवे.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


 398 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: