- तूफानी हवा आ बरखा का चलते पीएम मोदी के नासिक रैली ना हो सकल.
- महाराष्ट्र में भाजपा ला चुनाव प्रचार करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलन कि उ बाला साहेब खातिर इज्जत करेले आ उनकर मान राखत शिवसेना का खिलाफ कुछ ना कहींहे.
- शिवसेना के उद्धव ठाकरे एह पर तंज कसत कहले बाड़न कि सीट बँटवारा का बेरा ई मान काहे ना राखल गइल आ गठब्नहन टूटल काहे?
- उत्तर प्रदेश में सत्ता चलावत समाजवादी पार्टी महाराष्ट्र आ हरियाणा विधानसभा चुनाव में हाजिरी लगावत महाराष्ट्र में 24 गो आ हरियाणा में 39 गो विधानसभा सीट पर आपन उम्मीदवार उतरलसि.
- झारखंड के मंत्री रहल फरार चलत कांग्रेसी नेता योगेंद्र साव के नई दिल्ली में गिरफ्तार क लिहल गइल. उनका पर नक्सलियन से साँठगाँठ राखे के आरोप बा.
- इंचियोन एशियाई खेल से स्वर्ण पदक जीत के लवटल भारत के पुरुष हॉकी टीम के अतवार का दिने हवाई अड्डे पर शानदार स्वागत कइल गइल.
- आजमगढ़ के खम्हौली गाँव में पुलिसया तांडव, पाँच सौ लोग पर मुकदमा दर्ज क के गिरफ्तारी खातिर छापा, आ परिवार संगे बदसलूकी.
- संत रविदास नगर के नाम फेरू भदोही क दिहलसि यूपी सरकार. बतावल जात बा कि कालीन व्यवसायियन का कहला पर अइसन कइल गइल,
- पिकअप वान बलिया के तिखमपुर पालिटेकनिक तिराहा पर खंभा से टकराइल, ड्राइवर समेत दू जने के मौत, तीन जने घाहिल.
आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं
टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..