– डॉ॰ उमेशजी ओझा

UmeshOjha
पिछला साल के 16, 17 जुन के तारीख इयाद होई. एक बरीस पार हो गल. अबही` उत्तराखण्ड के मन के कँपा देबे वाला घटना आजुओ लोगन के माथा में साँप जइसन गेडुर मारी के बइठल बा. भुला ना पावल होई उ घटना, जे ओहिजा गइल भा टीवी प देखले होई. वोह में जे आपन घर के कवनो आदमी के खो देले होई, ओकरा से पुछीं. इयाद करी परकीरिति के ऊ दूगो कइसन विकराल रूप रहे. एक ओरि फाटत उत्तराखण्ड के धरती त दोसरा ओरि राजनीति के पाखंड. आसमान में नेता लोगन के उड़त हेलीकॉप्टर टेकसी निहन आवत जात रहे. नेता जी लोग बड़ोदरा, अहमदाबाद, गुजरात के गुहार लगावत रहले. जइसे बस कनडक्टर अपना बस प सवारी चढ़ावे खातिर बुलावत होखस. लाशन के ढेरी देखि के चील्ह-कउआ-गिद्धो वोहीजा ना आवत रहले. अइसन बुझात रहे कि उ दया आ करूणा से ग्रस्त होखस. इंसान जेही रहले लाशन के लूटत रहले, जेहसे ओकरा प राजनीति बढिया से हो सके. सही सलामत सुरक्षित निकलत यात्री सैनिकन के आशीर्वाद आ दुआ देत रहले. घटना के समय उत्तराखण्ड के कतने नेता लोग दौरा कइले बाकी ओहिजा मरे वाला के सही आकलन केहू ना लगा पावल. सब नेता, मीडिया अपना-अपना तरीका से मरे वाला के अनुमान लगवलस.

घटना के समय केन्द्र में मौजूद कांग्रेेस सरकार के विज्ञान, प्रौद्यौगिकी आ पृथ्वी विज्ञान मंत्री एस॰ जयपाल रेड्डी कहले रहन कि बादल फाटे के घटना के पहिले से अनुमान लगावल बहुत कठिन होला. दुनिया में अबहींले कवनो देश के पास अइसन तकनीक नइखे. बावजूद एकरा कि सरकार डॉप्लर राडारन के सहारे अइसन घटना के पहिले से अनुमान लगावे के बढ़िया बनावे में लागल बिया.

अबही एह साल तिरिथ करे वाले लोग खातिर फेरू से अमरनाथ जात्रा शुरू करा दिहल गइल. बाकी लगभग पिछला घटना के तारीखने प गंगोत्री आ विशनपुर के बीच गंगोत्री हाईवे प भूस्खलन होखे से सड़क प बोल्डर आ जाये से लगभग दस घंटा तक आवाजाही बंद रहल. एह से दुनो ओरि तरफ कई गो सवारी गाड़ी आ तीर्थजात्री फंसल रह गइले. जेकरा से आ आवे वाला समय में भारी बारीश के अनेसा से हाई अलर्ट कर दिहल गइल बा. अइसन बुझाता कि परकिरित चारो धाम में फेरू से आपन विकराल रूप दिखावत बिया. परिकिरित क उ विकराल रूप अबहीं थमल नइखे. देखी कश्मीर में अइसन बाढ आइल कि कतने लोग के दहा ले गइल. वैष्णो देवी दर्शन अबही रोक दिहल गइल बा. लोगन से निहोरा बा कि जतरा पर सोच समझ के पूरा तइयारी का साथे निकलल करी. राउर जात्रा मंगल मय होखे.

Loading

By Editor

One thought on “देखी परकिरिति के विकराल रूप”

Comments are closed.

%d bloggers like this: