भोजपुरिया हीरो पवन सिंह के मेहरारू नीलम सिंह के फाँसी लगवला के कारण जाने खातिर मुंबई पुलिस तीन घंटा ले उनुका बाबूजी, माई आ भसुर से पूछताछ कइलसि बाकिर एह पूछताछ से का पता चलल से ना बतवलसि.
पुलिस के तहकीकात जानल चाहत रहे कि नीलम के मानसिक स्थिति कइसन रहुवे आ अपना पति का खिलाफ कबो कवनो ओरहन अपना घर परिवार में कइले रही कि ना. इहो जानल चाहत रहे पुलिस के पवन सिंह संबंधे नीलम के पति-पत्नी के रिश्ता में कवनो कड़ुवाहट त ना रहुवे.
नीलम सिंह के नइहरो के लोग एह बारे में कुछ नइखे बतवले. बाकिर जान देबे के मामिला अतना सहज त नाहिए रहल होखी. कुछ ना कुछ त कारण जरूर रहल होखी. देखल जाव, इंतजार कइल जाव.
एह बीच पोस्टमार्टम का बाद नीलम सिंह के लाश उनुका घरवालन के सँउप दिहल गइल बा.