भोजपुरी फिलिम “बिदेसिया” के निर्माता अभय कुमार सिन्हा आ निर्देशक रंजन कुमार सिंह के कापी राइट एक्ट उल्लंघन का मामिला मे जिला जज कोर्ट से कवनो राहत ना मिलल. जिला जज नवनीत कुमार पाण्डेय एह लोग के अगवारी जमानत के गोहार खारिज क दिहलन.
एह लोग प इ मामिला भिखारी ठाकुर के पोता आ डोरीगंज थाना के कुतुबपुर दियारा निवासी राजेन्द्र प्रसाद ठाकुर दर्ज करवले बाड़े जवना में एह लोग प धोखाधड़ी करे समेत अउरिओ कई गो आरोप लगावल गइल बा. राजेन्द्र प्रसाद ठाकुर के कहना बा कि भोजपुरी नाटककार भिखारी ठाकुर रचनावली के प्रकाशन राष्ट्र भाषा परिषद साल 2005 मे कइले रहुवे. एह शर्तनामा का हिसाब से रायल्टी के रुपिया उनुका मिलीत. निर्माता निर्देशक फिलिम के प्रचार इ कहि के करत रहले कि फिलिम भिखारी ठाकुर के बिदेसिया प आधारित बा,
मामिला के जाँच का बाद कोर्ट एह लोग के हाजिर होखे के कहले रहुवे बाकि इ लोग हाजिर ना भइल. एह बीच एह लोग का ओर से अगवारी जमानत के गोहार लगावल गइल रहे जवना के बुध 22 जनवरी का दिने अदालत खारिज क दिहलसि.
(खबर से)
296 total views, 2 views today