RK-Dubayबिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष रहल डा॰ रविकान्त दुबे के शनिचर देर रात निधन हो गइल. अतवार का दिने उनकर अंतिम संस्कार बक्सर घाट पर कइल गइल.

डा॰ रविकान्त दुबे के किडनी खराब हो गइला का चलते खराब भइल तबियत के इलाज पटना के एगो निजी अस्पताल में चलत रहुवे. ओहिजे उहाँ के निधन शनिचर का रात में हो गइल.

डा॰ रविकान्त दुबे का कार्यकाल में बिहार भोजपुरी अकादमी के सक्रियता सराहे जोग रहुवे बाकिर जइसन कि हर सक्रिय लोग का साथे होला वइसही कई बेर विवाद उहाँ का साथही चलत रहुवे. भोजपुरी लिखनिहारन के शिकायत रहे कि अकादमी साहित्य पर धियान ना देके गवनई पर बेसी जोर लगावत बिया आ अकादमी पत्रिका के प्रकाशन बंद हो गइल बा.

डा॰ रविकान्त दुबे के निधन पर पाती संंपादक डा॰ अशोक द्विवेदी आ ङा॰ रामरक्षा मिश्र विमल समेत अनेके लोग शोक जाहिर कइले बा. अंजोरिया परिवार आ भोजपुरिका का तरफ से एह भोजपुरी प्रेमी के शत शत नमन आ सरधांजलि.

By Editor

One thought on “बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष रहल डा॰ रविकान्त दुबे के निधन”
  1. डॉ रवि कान्त दुबे जी के निर्धन अभी पढ़ के हमरा एक दम बिस्वास ना भइल भोजपुरी के बहुत बर नुकसान भगवान उहा के आत्मा के सन्ति देस

कुछ त कहीं...

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.