ManojTiwari-MP
हालही में पूृरा भइल लोकसभा चुनाव में भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी दिल्ली के उत्तर पूर्व लोकसभा सीट से भारतीय जनता पार्टी के टिकट पर जीत के सांसद बन गइल बाड़न. आ अबकी के चुनाव में दिल्लिए ना सगरी देश भगवा रंग में रंगाइल लउकल बा.

‘ससुरा बड़ा पईसा वाला’ फिलिम से मनोज तिवारी भोजपुरी सिनेमा के एगो नया युग के सूत्रपात कइले रहले. आजु सांसद बन के मनोज तिवारी अउरी उर्जावान बन गइल बाड़न. मनोज तिवारी सांसद बने वाला पहिलका भोजपुरी स्टार बन गइल बाड़न आ एहसे भोजपुरी सिनेमो के मान बढ़ल बा.

पिछला दिने बातचीत का दौरान मनोज तिवारी भाजपा के जीत के देश के जीत बतवलन आ कहलन कि मनोज तिवारी का जीत सगरी भोजपुरियन के जीत कहाए के चाहीं. अपना इलाका के जनता के भरोसा देत कहलन कि नायक हउवन आ नायके रहीहें. खलनायक ना बनीहें. अपना इलाका के लोगन के आस भरोसा के कसौटी प खरा साबित होखे के भरोसा जतवलन.

पिछला चुनाव में रविकिशन, नगमा, आ कुणालो सिंह खड़ा रहलन बाकिर जीत अकेले मनोजे तिवारी के मिलल. एह बारे में कवनो टिप्पणी करे से मनोज बहुते मुलायमियत से नकार दिहले. कहलन कि एह बारे में कुछउ बोलल बेजाँय कहाई.

मनोज तिवारी कहलन कि सांसद बनला का बावजूद भोजपुरी सिनेमा से अलगा ना होखीहें. हँ पहिले से कम फिलिम करीहें आ चुनले फिलिमन में नजर अइहेश.


(शशिकान्त सिंह)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: