पूर्वांचल एकता मंच के तत्वाधान में देश के बहुते भोजपुरी संस्थावन का सहयोग से २ सितम्बर २०११ शुक के साँझ चार बजे से दिल्ली के कंसटीटुसनल क्लब, रफ़ी मार्ग, पर एगो राष्ट्रीय बहस के आयोजन होखे जा रहल बा. एह संगोष्ठी में देश के भोजपुरी इलाकन के सांसद, भोजपुरी साहित्यकार, समाजसेवी, चिन्तक, पत्रकार, शिक्षक, विद्यार्थी आ भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति के प्रेमी लोग हिस्सा ली.

रउरो से निहोरा बा कि एह राष्ट्रीय बहस में भोजपुरी के उचित मांग के मजबूती प्रदान करे खातिर अपना कीमती समय में से थोड़िका समय निकाल के जरूर पधारी आ आपनो पक्ष एह बारे में रखीं.

जय भोजपुरी

संतोष पटेल
महासचिव, पूर्वांचल एकता मंच, नई दिल्ली
9868152874

3 thought on “भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे पर राष्ट्रीय बहस”
  1. पूर्वांचल एकता मंच के सोंच लगातार एह दिशा में आगे बढ़ रहल बा ,ई बहुते बढ़िया बात बा भोजपुरी खातिर .हर सदस्य बधाई के पात्र बाडन .आशा बा ई ‘राष्ट्रीय बहस’ आपन मंजिल के ओर अग्रसर होई .
    धन्यवाद !
    ओ.पी.अमृतांशु

  2. हम आ रहल बानी भोजपुरी के आठवी अनुसुची मे सामिल करे खातिर! हमनी के जोर तोर लसे एपर मिल के काम करे के जरुरि बा.

Leave a Reply to amritanshuom Cancel reply

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.