भोजपुरी के भव्य सांगितिक-साहित्यिक गोष्ठि – 2073

by | Apr 11, 2017 | 0 comments

भोजपुरी के भव्य सांगितिक-साहित्यिक गोष्ठि – 2073

– विजय प्रकाश विन

भोजपुरी भासा, साहित्य, कला, संस्कृति के उत्थान विकास करे के उद्येश्य लेके विक्रम संवत 2073 माध 16 गते, तदनुसार 16 जनवरी 2017, के दिन पुनरगठित नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज के कार्यसमिति के आयोजना में होली के शुभ अवसर पर विक्रम संवत 2073 चइत 05 गते, तदनुसार 18 मार्च 2017, दिन शनिचर के स्थानीय वीरगंज के सुप्रसिद्ध शक्तिपीठ 8 श्री गहवामाई मन्दिर के पार्क में भोजपुरी के भव्य सांगितिक-साहित्यिक गोष्ठि-2073 कार्यक्रम सम्पन्न भइल.

नेपाल भोजपुरी समाज के संस्थापक-अघ्यक्ष, भोजपुरी के भीष्म पितामह श्री पंडित दीपनारायण मिश्र जी के विशेष समुपस्थिति में सम्पन्न कार्यक्रम में प्रमुख अतिथि नेपाल उधोग वाणिज्य संध के केन्द्रीय सदस्य तथा उधोगपति, समाजसेवी श्री विजय सरावगी दीप प्रज्जवलित करके शुभ समुद्घाटन कइले रही त एकर अघ्यक्षता नेपाल भोजपुरी समाज के अघ्यक्ष रामदेव प्रसाद श्रीवास्तव कइले रहनीं.

स्थानीय आ पड़ोसी देश भारत से आइल एक से एक कविलोग इ कार्यक्रम में आपन कविता पाठ कइले रहे. वीरगंज के कवि में गोपाल अश्क़, दिनेश गुप्ता, रामसेवक लाल कर्ण, अरूण विक्रम शाह, दिलीप राज कार्की, महेश गौतम अउर भी कुछ नाम रहे. एहीतरे नेपाल के बारा जिला से आइल कवि रामप्रसाद साह अउरी विक्रम साह भी आपन कविता पाठ कइलें रही. पड़ोसी देश भारत के बिहार से आइल प्रसि़द्ध खण्डकाव्य रमबोला के रचयिता डॉ हरीन्द्र हिमकर आपन कविता ओका-बोका के कुछ अंश सुनवले रहनीं. ओकरा बाद बारी आइल हास्यकवि डॉं लटपट ब्रजेश के. उहॉंके भोजपुरी भाषा अउर नेपाल भोजपुरी समाज के उपर लिखल कुछ रचना के पाठ कइलें रही.

समाज के उपाघ्यक्ष श्री ध्रुव सिंह ठकुरी के संयोजकत्व में सम्पन्न भइल एह कार्यक्रम के शुरूआत गायक-संगीतकार अज़मत अली अंसारी के पंडित दीपनारायण मिश्र जी लिखल गीत जागऽ जागऽ हो से भइल. ओकरा बाद त कार्यक्रम में गीतन अउरी कवितन के उ बरखा पड़ल कि दर्शक पूरा तरह के भोजपुरीआ रंग से सरोबार हो गइल रहे. संस्था के सचिव आ गीतकार रितु राज के लिखल एगो विरह गीत श्रहें ले दूबई सइया कबो रहे कतार में, फगुआ बीतऽ जालाऽ उनके इंतज़ार मेंश् से गायिका अंजलि गुप्ता अलगे समां बान्ह देहल रहली. नेपाल भोजपुरी समाज के उपाघ्यक्ष श्री ध्रुव सिंह ठकुरी द्वारा लिखल आ गावल गीत श्इहवां बा कुसल मंगल उहवॉं के चाहींश् बहुत दिन तकले साहित्यप्रेमियन के दिल में बसल रही. पत्रकार एवं कवि मनोज पटेल जी अपन एगो चइता गीत से सभकेहू के मन मोह लेहले रहनीं. , एह कार्यक्रम में ग़ज़ल गायक ब्रजमोहन सिंह आ रितु राज भी एकहो गो गीत गवले रही. संगीत के संयोजन में चंदन दास, सरोज सर्राफ, आनन्द यादव, नीरज आचार्य, नीरज ठाकुर, भाई कलीम अउरी स्वयं ध्रुव सिंह ठकुरी आपन कला के माध्यम से सभकरा के मंत्रमुग्ध कर देहले रहलें.

नेपाल भोजपुरी समाज वीरगंज द्वारा आयोजित इ कार्यक्रम अपना तरह के एगो नया कार्यक्रम रहे जवन एतना वृहत रूप से कइल गइल रहे. संगीत अउर कविता के मिश्रण दर्शक लोग में गज़बे आर्कषण भरले रहे. एह कार्यक्रम के सफल बनावे में वीरगंज उप-महानगरपालिका का बहुत बड़का योगदान रहल बा. एहीतरे मिडिया पार्टनर के रूप में अप्पन टीवी के प्रशंसनीय योगदान रहल रहे. कार्यक्रम के संचालन सलमा खातून कइले रही. वर्तमान अध्यक्ष रामदेव प्रसाद श्रीवास्तव भोजपुरी साहित्य, भाषा, गीत-संगीत पर आपन विचार रखले रहनी. सभके शुभकामना देहत उहॉं के सभकेहूू के साथ रहे पर साथ चले पर आ भोजपुरी के सेवा करे पर जोर देहले रहनीं. कार्यक्रम समापन नेपाल भोजपुरी समाज के संस्थापक नेपाल भोजपुरी के भीष्म पितामह पंडित दीपनारायण मिश्र जी कइले रहनीं. उहॉं के एह कार्यक्रम के सफल बनावे में उपस्थित सभे सहभागियन के आर्शीवाद देहने रहनी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up