जय भोजपुरी परिवार हर्ष और उल्लास के संगे अपन पहिलका स्थापना दिवस समारोह मनावे जा रहल बा, जवना खातिर देश विदेश के पूरा भोजपुरिया समाज अउर भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री से शुभकामना मिल रहल बाटे.

जय भोजपुरी के ऑनलाइन जश्न के मुख्य समारोह देश के राजधानी दिल्ली में 17 जुलाई 2010 के 3:00 बजे से 8:00 बजे तक राजेंद्र भवन में आयोजित होखे जा रहल बाटे. जवना में जय भोजपुरी के देश आ विदेश से आइल सदस्य लोगन के ऑनलाइन मित्रता वास्तविक मेल मिलाप का संगे एगो नया रिश्ता कायम करी. मेलजोल आ जश्न के एह माहौल में परिचय, विषय चर्चा (बतकही), आ इन्टरनेट पर भोजपुरी से जुड़ल चरचा का साथे साथ भोजपुरिया जलपानो के व्यवस्था बा. एकरा अलावे जय भोजपुरी के सदस्य कलाकार लोगन के प्रस्तुत भोजपुरी लोकगीत अउर आधुनिक गीत-संगीत के कार्यक्रमो के व्यवस्था कइल गइल बाटे.

निर्धारित कार्यक्रम –
समारोह स्थल-
राजेंद्र भवन, 210 दीन दयाल उपाध्याय मार्ग
आई. टी. ओ, नई दिल्ली 110002

कार्यक्रम के समय- दोपहर 3:00 बजे से लेके शाम 8:00 बजे तक
शुभारम्भ – आपसी परिचय से 3:00 से 3.45 बजे तक
बतकही – इंटरनेट पर भोजपुरी : उपलब्धि अउर कठिनाई 4:00 बजे से 5:00 बजे तक
जय भोजपुरी परिवार के जमीनी-स्तर पर ले जाये का बारे में विचार-विमर्श – 5:00 बजे से 5:30 बजे तक
विशुद्ध भोजपुरिया जल-पान – 5:30 बजे से 6:00 बजे तक
भोजपुरिया लोक संगीत कार्यक्रम – जय भोजपुरी के सदस्य कलाकार लोगन द्वारा 6:00 बजे से कार्यक्रम के समापन तक.


(स्रोत : पंकज प्रवीण)

Loading

One thought on “भोजपुरी के सबले बड़हन सोशल साइट के पहिलका बर्षगाँठ”
  1. bhaut aacha bhai jii…hamra e jan kar bhaut parsanta bhayil ki eh uplakshye me bhojpuri sangeet ke bhi programe raua log rakhle bani,,,waise bicchar vimarsh bhi bahut jarauri bate je raua log bhojpuri khatir kare ke soch rahal bani..
    bahut aacha
    raur
    kundan

Comments are closed.

%d bloggers like this: