File photo of previous dharna

भोजपुरी जन जागरण अभियान के बैनर तरे अंतर्राष्ट्रीय मातृभाषा दिवस के दिना 21 फरवरी 2018 के दिल्ली के संसद मार्ग पर भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर विशाल शांति पूर्ण धरना के आयोजन कइल गइल. भलहीं भोजपुरियन के ई शांतिपूर्ण धरना रहे बाकिर ई धरना शांतिए शांति में केन्द्र सरकार के झकझोरे लायक ओकर नींव हिलावे के उतजोग खडा कर दिहलसि.
एह धरना में झारखण्ड, बिहार, उतर प्रदेश, मध्यप्रदेश, अउर महाराष्ट्र के अलावा अमेरिको से भोजपुरिया लोग अपना अपना संगठन के बैनर लेके एह अभियान के साथ कदम से कदम मिला के ई सन्देश देवे के प्रयास कइलसि कि अब सरकार के कुछ करे के पड़ी. अपना संबोधन में राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल कहलें – सरकार के अब चेत जाए के होई, खाली लौली पॉप से काम ना चली. अगर सरकार कुछ ना करी त हमनी के उग्र आंदोलन के तइयारी करे के पड़ी.
उहें भोजपुरी खातिर निरंतर लागल इग्नू के डॉ शत्रुघ्न कुमार मंच से कहनी कि संसद में भोजपुरिया 80 गो सांसद बाड़े आ वर्तमान में सरकार के चित भी अपने बा आ पट भी अपने. एकरा साथही माननीय प्रधानमंत्री आ गृह मंत्रीओ भोजपुरिया क्षेत्र से जीत के संसद में बइठल बा लोग त 25 करोड़ भोजपुरी भाषा भाषी लोग के साथ धोखा काहें ? आगे उहां के कहनी कि सरकार के अब आपन मनसा साफ़ करे के होई. मंच से एक लाइन भोजपुरी बोलके भोजपुरियन के साथ धोखा से काम ना होई आ ना एकरा के भोजपुरिया सहन करीहें.
आरा (बिहार) से आइल कुमुद पटेल कहनी कि सरकार अगर कुछ नइखे करत त हमनी के भारत के हर भोजपुरी क्षेत्र में भाषा के लड़ाई खातिर अलख जगाइम जा. अमेरिका से (BHAI) भोजपुरी असोसिएसन ऑफ इंडिया संस्था के प्रमुख अविनाश त्रिपाठी, जमशेदपुर (झारखण्ड) से राजेश भोजपुरिया, बेतिया (बिहार) से वरिष्ट साहित्यकार डॉ गोरख प्रसाद मस्ताना, जयप्रकाश विश्वविद्यालय, छपरा से पृथ्वी राज सिंह, छपरे से वरिष्ठ साहित्यकार विश्वनाथ शर्मा, उत्तरप्रदेश से मनोज श्रीवास्तव, दिल्ली से मनोज कुमार सिंह, देवेन्द्र कुमार, अभिषेक भोजपुरिया, डॉ मनोज कुमार, कुंदन सिंह, प्रवीण सिंह, प्रमेन्द्र सिंह, हर्ष आर्यन, प्रेम विशाल, शैलेन्द्र प्रसाद, कवींद्र राय भोला, तनवीर आलम, राजेश कुमार माँझी, लाल बिहारी लाल, आर जी श्याम, भाई बी के पटेल, राकेश सिंह, संजय पाठक, नरेन्द्र पाठक, निर्भय सिंह, मुकुल श्रीवास्तव, अनुज तिवारी , समाजसेवी रेखा भरद्वाज, विजय लक्ष्मी उपाध्याय, अंजलि गहलोत, वीणा वादनी चौबे, जूली रानी, धनंजय कुमार सिंह, संजय कुशवाहा, देवरिया से पंकज यादव, भोपाल से पंकज कुमार के अलावा एह धरना में जुटल अन्य भोजपुरिया भाई बहिनो लोग हुंकार भरल.
भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल सभे संगठनन के अधिकारी आ समाज के गणमान्य लोगन के सहयोग आ कटिबद्धता ला हार्दिक आभार व्यक्त कइले. धरना के अध्यक्षता करत अशोक श्रीवास्तव जी – भीख चाहीं न कर्जा चाहीं. भोजपुरी के दर्जा चाहीं – के हुंकार से आगे के लड़ाई के तइयारी के आह्वान कइनी.
एह धरना के सफल संचालन अभिनेता आ रंगकर्मी संजय ऋतुराज कइले. अंत मे धन्यवाद ज्ञापन धनंजय कुमार सिंह दीहलें.
धरना के बाद प्रधानमंत्री आ गृहमंत्री के माँग पत्र आ ज्ञापन सउँपल गइल.

– राजेश भोजपुरिया, राष्ट्रीय संयोजक, भोजपुरी जन जागरण अभियान

Loading

By Editor

%d bloggers like this: