भोजपुरी मेगा स्टार आ भाजपा नेता आ देश विदेश में पसरल करोड़ो भोजपुरियन के हृदय सम्राट मनोज तिवारी मृदुल पिछला दिने उत्तर पूर्व दिल्ली से भाजपा का टिकट प लोकसभा ला आपन परचा दाखिल करे गइलन त उनका समर्थन में भारी भीड़ आ हजारों कार्यकर्ता उमड़ पड़लें.
एह मौका प मनोज तिवारी लोकसभा चुनाव में प्रत्याशी बनवला खातिर भारतीय जनता पार्टी के आभार जतवलें आ वादा कइलन कि उत्तर पूर्व नयी दिल्ली के लोग के उम्मीदन पर खरा उतरीहें.
दिल्ली में रहेवाला यूपी बिहार के लोग में मनोज तिवारी के भाजपा का उम्मीदवार बनला पर खुशी का लहर दउड़ गइल बा. भोजपुरिया लोग मनोज तिवारी के भारी बहुमत से जितावे में लाग गइल बा.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
356 total views, 4 views today