duringCCLmatch
सीसीएल में लगातार दू गो मैच जीत के अंक तालिका में सबले उपर रहे वाला भोजपुरी दबंग के शनिचर का दिने पहिला बेर हार के सामना करे के पड़ल. पहिला हार टॉस में मिलल आ टॉस हार के बल्लेबाजी करे उतरल भोजपुरी दबंग तेलगु वारियर्स के सोझा बस १४१ रन के निशान दे पवलसि. आ बाद में बैटिंग करे उतरल तेलगु वारियर्स आखिरी गेंद प मैच जीत लिहलसि.

सी सी एल ४ के एह अहम मुकाबला में भोजपुरी दबंग के शुरुवात ठीक ना रहल. सलामी बल्लेबाज प्रवेश लाल यादव एहु मैच में कुछ कर ना पवले आ एक रन बना के आउट हो गइलन. बाद में कप्तान मनोज तिवारी के देबे अइलन अजय शर्मा जे मोट १५ रन बना के आउट हो गइलन. एक छोर पर सिवान सम्हरले मनोज तिवारी के नकहा साथ दिहले आदित्य ओझा. स्टार बल्लेबाज उदय तिवारी एह मैच में नाकाम रहले आ पाँचे गो रन बना के आउट हो गइलन. कप्तान मनोज तिवारी आ आदित्य ओझा सधल पारी खेलले बाकिर मनोज तिवारी के ७० रन का बावजूद टीम लड़खड़ा गइल एक ओवर बाकिए रहत १४० रन पर आल आउट हो गइल. एह दौरान तेलगु वारियर्स के गेंदबाज आदर्श बालाकृष्णन बस दू ओवर में पाँच रन दे के पाँच गो विकेट चटका दिहले.

एकरा बावजूद १४१ रन के निशान छुए ला उतरल तेलगु वारियर्स खातिर जीत आसानी से ना मिलल आ आखिरी गेंद ले इंतजार करे के पड़ल जीते ला. एह बेर भोजपुरी दबंग के गेंदबाज प्रकाश जैस ३ गो विकेट चटकवले,


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
भोजपुरी दबंग

 307 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: