manoj tiwari
भाजपा उतर-पूर्वी दिल्ली लोकसभा संसदीय सीट के प्रत्याशी मनोज तिवारी पहिले अटल बिहारी बाजपेयी के सरकार में मैथिली के मान्यता मिलल रहे. मोदी सरकार में भोजपुरी के मान्यता दिलावे के हमार कोशिश रही. 20 करोड़ भोजपुरी भाषी लोगन के साथे कांग्रेस बार-बार छल कइले बिया. एह बयान प भोजपुरी समाज दिल्ली के अलावे पूर्वाचंल संगठन के लोग मनोज तिवारी के समर्थन देवे के एलान कर दिहलस. अमेरिका से आइल एन आर आइ फ्रेंडस क्लब, भोजपुरी पंचायत, आ हेलो भोजपुरी जइसन संस्थो मनोज तिवारी के साथे खड़ा हो गइल.

भोजपुरी समाज के अध्यक्ष अजीत दुबे मनोज तिवारी के बयान के स्वागत कइलन आ घोषणा कइलन कि समूचा भोजपुरी समाज मनोज तिवारी के समर्थन देवे खातिर तइयार बा. भोजपुरी समाज पन्द्रह साल से देश-विदेश के अलग-अलग मंच से भोजपुरी के मान्यता दिलावे के लड़ाई लड़ रहल बा. एह में मनोज तिवारी के अहम भूमिका रहल बा. मनोज तिवारी के पूरा समर्थन देत बानी जा.

अभिनेता आ भाजपा प्रत्याशी शत्रुघ्न सिन्हा, भोजपुरी फिल्म अभिनेता दिनेश लाल ‘निरहुआ’,आ गीतकार बिपीन बहार लिहले समूचा भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्री के लोग मनोज तिवारी के समर्थन में एक जुट हो गइल बा.
dinesh lal
दिल्ली के कुल ७ गो लोकसभा सीट में से 27 गो विधान सभा क्षेत्र में पूर्वाचंली मतदाता के दबदबा बा. सर्वे के अनुसार पूर्वी दिल्ली 13 गो विधान सभा क्षेत्र में पूर्वाचंली लोगन के दबदबा बा, त पश्चिमी दिल्ली में पाँच गो विधानसभा क्षेत्र में पकड़ मजबूत बा. उतरी दिल्ली के पांच गो विधानसभा आ दक्षिणी दिल्ली के चार गो विधानसभा क्षेत्र भोजपुरी भाषी लोगन के मत प्रतिशत 24 से 30 प्रतिशत बा. साफ बात बा कि पश्चिमी आ उतर-पूर्वी दिल्ली में पूर्वाचंली मतदाता के बढ़त बा आ एकर फायदा भाजपा उम्मीदवारन के मिल सकेला.

– ओमप्रकाश अमृतांशु

Loading

%d bloggers like this: