भारत में भोजपुरी पत्रकारिता में आपन ठसक राखे वाला मनोज श्रीवास्तव के भोजपुरी में कइल बढ़िया काम ला मॉरीशस सरकार कर्मयोगी सम्मान से सम्मानित कइलसि.
29 अक्टूबर से 5 नवंबर ले मॉरीशस में चलल अंतराष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में मनोज श्रीवास्तव के एह सम्मान खातिर खास क के बोलवले रहुवे मारीशस सरकार. भोजपुरी संसार पत्रिका के समन्वयक रहल भोजपुरिया गुरु मनोज श्रीवास्तव समेत अउरिओ अनेके पत्रकारन के सम्मानित कइलसि मारीशस सरकार.
मनोज श्रीवास्वत एह सम्मेलन मेंं आपन शोधपत्र प्रस्तुत कइलन.
हप्ता भर चलल एह आयोजन में भोजपुरी साहित्य, कला आ संस्कृति के धूम रहल.
(मधुप कुमार)
279 total views, 2 views today