Kuldeep-honored-at-Mauritius
भारत में भोजपुरी पत्रकारिता में आपन पहचान बना चुकल कुलदीप श्रीवास्तव के भोजपुरी में कइल बढ़िया काम ला मॉरीशस सरकार कर्मयोगी सम्मान से सम्मानित कइलसि.

29 अक्टूबर से 5 नवंबर ले मॉरीशस में चलल अंतराष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में कुलदीप श्रीवास्तव के एह सम्मान खातिर खास क के बोलवले रहुवे मारीशस सरकार. देश-विदेश से उमड़ल मीडिया के हुजूम का बीच कुलदीप श्रीवास्तव अपना जूनुन आ भोजपुरी के सकारात्मक रिपोर्टिंग का बल पर ई मुकाम हासिल कइलन.

भोजपुरी पंचायत के संपादक कुलदीप श्रीवास्वत समेत सगरी पत्रकारन के मॉरीशस के संस्कृति आ कला मंत्री मुक्तेश्वर चुन्नी सम्मानित कइलन. एह सम्मेलन मेंं कुलदीप श्रीवास्तव आपन शोधपत्र प्रस्तुत कइलन.

हप्ता भर चलल एह आयोजन में भोजपुरी साहित्य, कला आ संस्कृति के धूम रहल.


(मधुप कुमार)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: