भोजपुरी सिनेमाजगत के जानल मानल प्रचारक आ महुआ टीवी के जनसंपर्क प्रतिनिधि रहल प्रशान्त उज्जवल के काल्हु सबेरे एगो सड़क दुर्घटना में निधन हो गइल.

२४ बरीस के प्रशांत का साथे ओह दुर्घटना में महुआ टीवी से जुड़ल सुजीतो मिश्रा के मौत हो गइल. मिलल जानकारी का मुताबिक महुआ टीवी के प्रचारक प्रशांत महुआ टीवी के एक नए शो “नहले पे दहला” के आडीशन खातिर लखनऊ गइल रहलें. ओहिजा से अतवार के रात में कार से सोमार का दिने मुजफ्फरपुर में होखे वाला आडिशन खातिर सुजीत मिश्रा का साथे चल दिहलें. पटना से लगभग सौ किलोमीटर पहिले सोनबरसा का लगे सामने से आ रहल एगो ट्रक ओह लोग के कार के जोरदार टक्कर मार दिहलसि. एह दुर्घटना में प्रशान्त उज्जवल आ सुजीत के ओहिजे मौत हो गइल. कार के ड्राइवर के गम्हीराह हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

प्रशांत निशांत, निशान्त प्रशांत के भाई हवें, भोजपुरी अभिनेता दिनेश लाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह के निजी प्रचारक रहले आ रवि किशन के बिहार में प्रचारक. प्रशांत के असामयिक निधन पर भोजपुरी फिल्म जगत बहुते दुख जनवले बा. अँजोरिया पर फिल्म सामग्री जोड़वावे में प्रशान्त के बहुते बड़हन योगदान रहुवे. अँजोरिया ई खबर पा के स्तब्ध बिया. अँजोरिया मृतक आत्मा के शान्ति आ शोक संतप्त परिवार के एह विकट दुख सहे के ताकत खातिर प्रार्थना करत बिया.

 434 total views,  2 views today

4 thoughts on “सड़क दुर्घटना में फिल्म प्रचारक प्रशांत उज्जवल के निधन”
  1. अत्यंत दुखद….हम उन्हकर आत्मा के शान्ति आ शोक संतप्त परिवार के दुख सहे के शक्ति प्रदान करे खातिर ईश्वर से प्रार्थना करतानी….

  2. प्रशांत अचानक निधन के खबर मिलते दिल पे जोर के झटका लागल .हम उनकर आत्मा के शांति खातिर भगवान से प्रार्थना करत बानी.

    गीतकार
    ओ.पी .अमृतांशु

Comments are closed.

%d bloggers like this: