ManojTiwari-at-Patna
पिछला शनिचर का दिने उत्तर पूर्व दिल्ली से भाजपा सांसद आ भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी सांसद बनला का बाद पहिला बेर पटना चहुँपले त पटना एयरपोर्ट पर उनकर समर्थक गाजा-बाजा संगे भव्य स्वागत कइलन. सैकड़ो समर्थकन से मिलल फूल माला, स्वागत आ बधाई खातिर मनोज तिवारी सबकर आभार जतवलन.

एयरपोर्ट से भव्य स्वागत का बाद समर्थकन के जत्था एक्जीविशन रोड पर होटल पाटलीपुत्रा एक्जोटिका पहुँचल. एहिजा भोजपुरिया समाज का तरफ से मनोज तिवारी के सम्मान समारोह आयोजित भइल. अध्यक्षता भोजपुरिया समाज के अध्यक्ष मनीष कुमार कइलन.

सम्मान समारोह में सांसद मनोज तिवारी अपना के भोजपुरी ला समर्पित बतवलन आ कहलन कि एकरा के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे ला संसद में जरूर सवाल उठइहें.

एह मौका प लोजपा अल्पसंख्यक सेल के राष्ट्रीय प्रवक्ता असरफ अंसारी, पाटलीपुत्रा गु्रप आॅफ कम्पनीज के एम.डी अनिल सिंह, धीरज सिंह आ सर्वेश कश्यप वगैरह मौजूद रहले.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

 378 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: