– ओमप्रकाश अमृतांशु
अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के २५वाँ राष्ट्रीय अधिवेशन में ‘हेलो भोजपुरी’ पत्रिका के विमोचन बिहार के पुर्व उप मुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के हाथे भइल.
एह अवसर प केन्द्रीय मंत्री रहल रविशंकर प्रसाद, सम्मेलन के अध्यक्ष रिपूसुदन प्रसाद, बिहार विधान परिषद के अध्यक्ष अवधेश नारायण, विधायक रेणू देवी, मॉरिशस के लेखिका सरिता बुद्वू, पूर्वांचल एकता मंच, दिल्ली के अध्यक्ष शिवजी सिंह, मैथिली-भोजपुरी अकादमी, दिल्ली के उपाध्यक्ष अजीत दूबे, वीर कुँअर सिंह पफाउण्ड़ेशन के निर्मल सिंह, संजय मायुख आ पत्रिका के संपादक राजकुमार अनुरागी मौजूद रहले.
अइसे त भोजपुरी मासिक-त्रैमासिक पत्रिका केतना अइली सं, केतना चल गइली सं. केहू भोजपुरी के नाम पे हिन्दी में पत्रिका पढ़ावत बा. भोजपुरी के नाम प रूपईया छापेवाला ढ़ेर लोग त भोजपुरी बोले से कतरालें, पढ़ल त अलग बात बा. अइसे में ‘हेलो भोजपुरी’ के जनम सुखदायक आ जोखिम भरल दुनू बा. एह पत्रिका के अंक नवम्बर से प्रकाशित हो रहल बा. पत्रिका के संपादक कहलें -‘हमार जनम भोजपुरी के एही माटी में भइल बा. हम अपना लोक-संस्कृति से प्रेम करीला. संस्कृति के रक्षक बनके ‘हेलो भोजपुरी’ जन-जन में सभे के उत्साहित करे, इहे एगो छोट-मोट कोशिश बा आ राउरा सभे से सहयोग के आशा बा’
353 total views, 2 views today
जय भोजपुरी ……
bahut bahut , badhaai , amritanshu ji