अविनाश दूबे बनलन भोजपुरी के पहिलका डांसिंग स्टार

by | May 22, 2010 | 1 comment

महुआ टीवी के रियलिटी शो के समापन समारोह बहुते भव्य तरीका से राँची के मोरादाबादी मैदान में शुक, २१ मई के रात में भइल जवना में लोकमत का आधार पर गोरखपुर के अविनाश दूबे के विजेता घोषित कइल गइल. परिणाम हर तरह से प्रत्याशित रहल. अविनाश दूबे आ आनन्द इशान का बीच बहुत लमहर दूरी रहल जवन कि दुनु जने के मिलल वोटो से पता चलल. आनन्द इशान के करीब नौ लाख त अविनाश दूबे के सोलह लाख मत मिलल.

पहिले के घोषणा मुताबिके अविनाश के एगारह लाख रुपया नगद, आ एगो मोटरसाइकिल इनाम स्वरूप मिलल जबकि आनन्द इशान के उप विजेताबने खातिर सात लाख रुपिया नगद के पुरस्कार दिहल गइल. खचाखच भरल मैदान में आयोजित कार्यक्रम में मंच पर मनोज तिवारी, रविकिशन, दिनेशालाल निरहुआ, पवन सिंह, मालिनी अवस्थी, श्वेता तिवारी, संभावना सेठ, आ इहाँ तक कि नृत्य कला के बड़की माई कहाये वाली सरोज खानो आपन प्रस्तुति दिहल लोग.

उपस्थित गणमान्य लोग में झारखण्ड के सांसद अर्जुन मुण्डा, विधानसभा स्पीकर सीपीसिंह समेत कई गो राजनेता मौजूद रहलें. विजेता के पुरस्कार मुख्य अतिथि अर्जुन मुण्डा का हाथे दिहल गइल. समारोह का अन्त में अपना दुनु रियलिटी शो सुर संग्राम आ डांस संग्राम के सफलता से गदगद महुआ टीवी के प्रमुख पी के तिवारी घोषणा कइलें कि दुनु शो के दुसरका संस्करण जल्दिये पेश कइल जाई. अगर हमार अनुमान गलत ना निकले त सुर संग्राम दू के एंकर फेर से मनोजे तिवारी होखीहन.

Loading

1 Comment

  1. Anupam Pirhinda, Jamui

    Dance Sangram Safal rha iske liye Mahuaa TV ko hardik badhai tatha is show ke enkar aur jaj Saroj Khan, Sweta Tiwari & Sambhavna seth ko bhi hardik badhai. Aise Show karke hi gaon dehat ki pratibha ko nikhara jata hai. Ek achhi pahal hai. SUR SANGRAM bhi jaldi Suru kiya jaya. Taki gaon jawar ke Gayakon ko ek achha Platform Mil sake.

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up