आम दर्शकनका राय में निरहुआ सर्वश्रेष्ठ अभिनेता, पाखी सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री

by | Nov 13, 2010 | 3 comments

जइसन कि हर सर्वे में होखेला, दि संडे इंडियनो का सर्वे में, जनमत के राय आ समीक्षकन का राय में अन्तर सामने आइल बा. आम दर्शकन का राय में दिनेश लाल यादव निरहुआ के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता आ पाखी हेगडे के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री मानल गइल बा. पवन सिंह आ रानी चटर्जी के लोग दुसरका जगह पर रखले बा.

समीक्षकन का राय में पहिला जगहा रहल रविकिशन आ रिंकू घोष आम लोग का सूची में तीसरका जगहा पर आइल बा लोग. बाकिर संगीत निर्देशकन का मामिला में ई अन्तर ओतना बड़ नइखे. आम लोग धनंजय मिश्र के पहिला जगहा त समीक्षक लोग दुसरा जगहा दिहले बा. समीक्षक लोग का राय में सर्वश्रेष्ठ संगीत निर्देशक मधुकर आनंद के मानल गइल बा जिनका के आम लोग तिसरका जगहा दिहले बा. दुसरका जगहा पर राजेश रजनीश के रखले बा आम लोग.

निर्देशक में आम लोग असलम शेख के सर्वश्रेष्ठ निर्देशक त समीक्षक लोग राजकुमार आर पाण्डेय के सर्वश्रेष्ठ निर्देशक मनले बा. राजकुमार पाण्डेय आम लोग का नजर में दुसरका जगहा पर त असलम शेख समीक्षकन का सूची में दुसरा जगहा पर रखाइल बाड़े.

अवधेश मिश्रा श्रेष्ठ खलनायक, मनोज टाइगर श्रेष्ठ हास्य अभिनेता, उदित नारायण श्रेष्ठ गायक, कल्पना श्रेष्ठ गायिका, विनय बिहारी श्रेष्ठ गीतकार, संतोष मिश्रा श्रेष्ठ पटकथालेखक, प्रवेश लाल यादव श्रेष्ठ डेब्यू अभिनेता, शूभी शर्मा श्रेष्ठ डेब्यू अभिनेत्री, कुणाल सिंह श्रेष्ठ चरित्र अभिनेता, रौशन जहाँगीर श्रेष्ठ चरित्र अभिनेत्री, संभावना सेठ श्रेष्ठ आयटम गर्ल, कानू मुखर्जी श्रेष्ठ नृत्य निर्देशक, अंजनी तिवारी श्रेष्ठ कला निर्देशक, आ शकील श्रेष्ठ एक्शन डायरेक्टर का रुप में सामने आइल बा लोग.

पिछला साल २००९ के सबले बढ़िया फिल्म भूमिपुत्र के मानल गइल आ दिवाना के दुसरका जगहा मिलल.

सबसे मजेदार बात जवने सामने आइल बा ओकरा अनुसार ४८ फीसदी लोग मानत बा कि भोजपुरी सिनेमा में अश्लीलता हिन्दी फिल्मन का मुकाबिले कम बा. मात्र चौदहे फीसदी लोग एकरा के बेसी मनले बा. जबकि भोजपुरी में अश्लीलता के बात गैर भोजपुरी लोग अकसरहा उठावत रहेला.

भोजपुरी सिनेमा के लोकप्रियता ओकरा संगीत का वजह से बा आ अधिकतर लोग के शिकायत बा कि भोजपुरी सिनेमा में भोजपुरी संस्कृति के झलक ना लउके. आ शायद एही चलते ६३ फीसदी लोग भोजपुरी सिनेमा के एह लायक नइखे मनले कि ओकरा के अंतर्राष्ट्रीय फिल्म समारोहन में भेजल जाव.

एह सर्वे का बारे में पूरा जानकारी आ विवरण दि संडे इंडियन का नयका अंक भोजपुरी फिल्म विशेषांक में दिहल गइल बा, ओकरा के जरुर पढ़ीं.


(स्रोत – आशुतोष सिंह)

Loading

3 Comments

  1. manoj mishra

    thanks all bhojpuria

  2. manoj mishra

    verry verry bhojpuria depatmaints

  3. DILEEP KUAMR VAISHYA

    सब से पाहिले भोजपुरिया लोगन का दिलीप वैश्य (प्रतापगढ़ उ० प्र०) से प्यार और नमस्कार पहुचे… बाकि इहा सब ठीक ठाक बा….राउर लोग अपन हाल कही. …….

    भैया लोग इ बात सुन के हमनी के बड़ा नीक लग की दिनेश भैया रात दिन कामयाबी के लगे पहुचात बनी… और हम इ दुआ करत बनी की दिनेश भैया सब से no .१ बने …………बाकि पाखी जी तौ भोजपुरी माँ no .१ हयिये बातिन हो दोनों जन कई जोड़ी तौ धमाल मचवेला

Leave a Reply to manoj mishra

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up