ऊंच काहें सुनत बिया दिल्ली?

by | May 21, 2011 | 1 comment

– ओंकारेश्वर पांडेय


आखिर बिहार के साथे केन्द्र सरकार के ई सौतेला व्यवहार काहे बा? का एह से कि ओहिजा कांग्रेस चाहे ओकर सहयोगी दल के सरकार नइखे? मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जवन सवाल केन्द्र सरकार के सामने उठवले बाड़न आ जवन तथ्य रखले बाड़े, ओकरा से साफ लागत बा कि केन्द्र सरकार बिहार के साथे न्याय नइखे करत. एक तरफ त प्रधानमंत्री डॉ. मनमोहन सिंह समेत केन्द्र के दोसर मंत्री खुला शब्द में बिहार सरकार के कामकाज के प्रशंसा क चुकल बाड़े. बाकिर दोसरा ओर केन्द्र बिहार के साथे सहयोग कइला के बजाय असहयोग आ अन्याय के रवैया अपनवले बा.

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के मानीं त जहवां बिहार के केन्द्र से पहिले से 1772 मेगावाट बिजली आवंटन के आपूर्ति निर्धारित बा, ओहिजा ओकरा विरूद्ध वास्तविक रूप में ओकरा मात्र 900 मेगावाट ही मिलत बा, जवना में से मात्र 680 मेगावाट मात्र के उपयोगे जनसमूह खातिर रह जाला. एह से नीतीश बिहार में बिजली समस्या के निदान हेतु केन्द्र सरकार से कम से कम 500 मेगावाट विद्युत आवंटन के मांग कइले बाड़न. उनकर ई मांग नया नइखे. पहिले भी ऊ एह मांग के उठा चुकल बाड़े. बाकिर दिल्ली ऊंच सुनत बिया. भलेमानुष मनमोहन सरकार अतना ऊंच काहे सुनत बिया?


सम्पादक : The Sunday Indian

Loading

1 Comment

  1. santosh kumar

    adarniya bhaiya
    kendra sarkar ke ee puran aadat ba ki bihar ke chhod ke chale ke… kabo bijli katauti, kbo coal linkeage khatam kaeel t kabo yojana me sautelapan vyavar… kahe ke mane kehu tareh bihar jahawa rahe uhen rahe… pradhan mantri ji ke ee samasya ori gambhira purvark dhyan dewe ke chahin… bahut sundar aalekh, abhar
    santosh patel
    editor: bhojpuri zindagi

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up