एगो नया भोजपुरी चैनल हमनी भोजपुरिया

by | Jan 13, 2011 | 0 comments

भोजपुरी के बढ़त लोकप्रियता देखत एह भाषा में चैनलो के संख्या बढ़े लागल बा. महुआ टीवी, संगीत भोजपुरी, मैजिक टीवी, हमार टीवी, का बाद अब हमनी भोजपुरिया नाम के टीवी चैनल के शुरुआत होखे जा रहल बा. हमनी भोजपुरिया के चलावे वाली कंपनी एचवी इन्टरटेनमेंट प्रा॰लि॰ के जीएम संजय कुमार का हवाले से ओकर मुख्य जनसंपर्क अधिकारी रंजन सिन्हा खबर दिहले बाड़न कि एह चैनल के शुरुआत जल्दिये होखे जा रहल बा. चैनल के खासियत बतावत कहल गइल बा कि चैनल का कार्यक्रम में भोजपुरिया माटी के खूशबू रही आ भोजपुरी सभ्यता संस्कृति के बाति होखी बालीवुड के तड़का मरला बिना. चैनल के कोशिश बा कि एकर कार्यक्रम स्थानीय कलाकारन से तइयार करावल जाव आ एही दिशाईं ओकर काम चल रहल बा. अधिकतर कार्यक्रम के शूटिंग बिहारे में करावल गइल बा.

चैनल के सूचना में बतावल गइल बा कि ओकरा कार्यक्रम के निर्माण में अपूर्वा फिल्म्स के संजय सिन्हा आ मोनिका सिन्हा समेत राजेश राज, उमेश सिंह, धीरज कुमार, महेन्द्र कुमार, मिली श्रीवास्तव, कुन्दन किशोर, डॉलर पटेल, साहिल मिश्रा, अर्जुन सिंह, राकेश भदौरिया, विनोद कुमार, अनिकेत मिश्रा वगैरह निर्माता निर्देशक लोग के जोड़ल गइल बा.

बाकिर सूचना में अबहीं एकर संकेत नइखे दिहल गइल कि चैनल के वितरण कवना माध्यम से होखी. अबहीं ले बहुते डिश टीवी सेवा में भोजपुरी के बाकी चैनल शामिल नइखीं हो पावल सँ. महुआ चैनल बिग टीवी आ टाटा स्काई के ग्राहकन खातिर उपलब्ध बा जवना चलते ओकर दर्शक सुविधा से चैनल देख पावेलें. एहू पर ध्यान दिहल जरुरी बा काहे कि अखबार निकालल ओतना मुश्किल काम ना ह जतना मुश्किल ओह अखबार के वितरण व्यवस्था बनावल. नया नया मुर्गा के सगरी वितरक हलाल करे में जुट जालें आ पुरनका अखबारो नयका खातिर मुश्किल पैदा करेलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up