कथाकार-कवि कृष्णानंद कृष्ण जी के निधन

by | Apr 30, 2020 | 0 comments

देरी से मिलल खबर आइल बा कि भोजपुरी के प्रतिष्ठित कथाकार-कवि कृष्णानंद कृष्ण जी अब हमनी का बीच ना रहलीं. उहाँके निधन तीन दिन पहिले मंगल का दिने बंगलौर में हो गइल. ई खबर डॉ सतीशराज पुष्करणा जी से वरिष्ठ साहित्यकार भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के मीलल आ उहाँ से रामरक्षा मिश्र विमल जी के. विमल जी से खबर मिलला का बाद एहिजा दीहल जा रहल बा.

कृष्णानंद कृष्ण जी के लेखन भोजपुरी का सङहीं हिन्दीओ में निरंतर चलत रहे. उहाँका लंबा समय ले ‘पुनः’ पत्रिका के संपादनो कइले रहीं.

कृष्णानंद कृष्ण जी के जनम बिहार के भोजपुर जिला के चाँदी (नरही चाँदी) गाँव में 2 जुलाई, 1947 के भइल रहे.

भगवती प्रसाद द्विवेदी, रामरक्षा मिश्र विमल, ब्रजभूषण मिश्र आ अशोक द्विवेदी आदि भोजपुरी साहित्यकार आपन शोक संवेदना प्रकट करत श्रद्धांजलि दिहलें बानी.

अँजोरिया एह कथाकार कवि के आपन श्रद्धांजलि देत बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up