काल्हु बिहार में तीसरा दौर के चुनाव

by | Oct 27, 2010 | 0 comments

वैशाली, सारण, सिवान, गोपालगंज, पूर्वी चंपारण, आ पश्चिमी चम्पारण में विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के वोट डालल जाई. निर्वाचन आयोग आ प्रशासन सगरी तइयारी पूरा कर लिहले बा. राजनीतिको दल आपन आपन तइयारी पूरा करिये लिहले होखीहें.

पटना आ हाजीपुर के बीच के गाँधी सेतु आज अधरतिया से बन्द कर दिहल जाई. नेपाल से सटल सीमो पर पूरा चौकसी राखल जा रहल बा. एह दौर के चुनाव प्रचार के काम काल्हु साँझ से बन्द हो गइल बा. एह दौर के सगरी पार्टी खास मान रहल बाड़ी सँ. कांग्रेस का तरफ से सोनिया गाँधी, राहुल गाँधी, सलमान खुर्शीद वगैरह प्रचार सभा कइलें त भाजपा जदयू का तरफ से लालकृष्ण आडवाणी, सुषमा स्वराज, राजनाथ सिंह, नीतीश कुमार, शत्रुघ्न सिन्हा वगैरह नेता एह काम में लागल रहलें. राजद लोजपा खातिर लालू, पासवान कमान सम्हरले बाड़न.

काल्हु होखे वाला चुनाव में जवन उम्मीदवार खास बाड़े ओहमें से राबड़ी देवी, वृषण पटेल, रेणु देवी, आ विजय शंकर दूबे के नाम खास बा.

ओने छठवाँ चरण के अधिसूचना जारी कर दिहल गइल बा जहवाँ २० नवम्बर के मतदान करावल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up