धन्यवाद एह सरकार के जे एह बजट में वरिष्ट नागरिकन के उम्र सीमा ६५ से घटाके ६० कर दिहलसि आ ओह लोग के कर मुक्त आय के सीमा अढ़ाई लाख. बाकिर एकरा से जुड़ल कई बात पर सरकार ध्यान नइखे दिहले. जइसे कि बेसहारा वरिष्ट नागरिकन के सरकारी सहायता मिलेके चाहीं, वृद्धावस्था पेंशन का बारे में बोलल जरुर गइल बाकिर महाराष्ट्र में अइसनका कवनो सुविधा सुनाइल नइखे कबो. जवन वरिष्ट नागरिक खाली बैंकन से मिले वाला ब्याज पर जिन्दा बाड़े उनुका के आयकर के सीमा से बाहर राखल चाहीं. बैक भा पोस्ट ऑफिस से मिले वाला ब्याज के आमदनी के टी डी एस का झमेला से अलग करे के चाहीं. सगरी वरिष्ट नागरिकन के सरकारी भा सरकारी सहायता प्राप्त अस्पतालन में इलाज करवावे में खरचा में ५० फीसदी छुट अनिवार्य करे के चाहीं. मेडिकल टेस्ट प्राइवेट अस्पताल में पहिलही से महंग रहे अब अउरी महँग हो जाई. वरिष्ट नागरिकन के प्राइवेटो अस्पताल में जाँच करवावे में ५० प्रतिशत छुट लागु होखे के चाहीं. सगरी सरकारी विभागन में, जइसे कि एस टी ,बी एस एन एल , महानगर पालिका वगैरह, वरिष्ट नागरिक के उम्र सीमा ६० साल कर देबे के चाहीं जेहसे कि ओह लोग के एहू विभागन से छुट के फायदा लाभ मिल सको. आशा बा कि सरकार बजट पर बहस का दौरान ई सुधार कर ली.
— अशोक भाटिया , वरिष्ट नागरिक (६२ वर्ष ) , वसई रोड
केन्द्रीय बजट पर भोजपुरी में पढ़ी टटका खबर