गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के इन्टरव्यू

by | Jul 13, 2013 | 0 comments


समाचार एजेन्सी रायटर के काल्हु गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के दिहल इन्टरव्यू राजनीति आ मीडिया में हलचल मचा के रख दिहलस. बेबात के बात के अतना बखेड़ा खड़ा कर दिहल गइल कि जरूरी लागत बा कि ओह इन्टरव्यू के जानकारी सभका होखे के चाहीं जेहसे कि पोसुआ मीडिया आ छद्म सेकूलर पार्टियन के हवाबाजी आ हल्ला का बीच साँच मत भुला जाव.

गुजरात दंगा पर

अगर हम कुछ गलत कइले रहतीं तब हमरा अफसोस होखीत. एह मामिला में सुप्रीम कोर्ट के बनावल टास्क फोर्स हमरा के बेदाग बतवले बा.

अगर केहू गाड़ी चलावत होखे, भा पाछा बइठल होखे आ गाड़ी से कवनो कुत्ता के बच्चा कचरा जाव त बहुत दुख होला. होला कि ना? अगर हम मुख्यमंत्री बानी, भा ना बानी, हम एगो इंसान त हइए हईं. अगर कहीं कुछ खराब होखत बा त स्वाभाविक बा दुख भइल.

धर्मनिरपेक्षता पर

हमरा ला धर्मनिरपेक्षता के मतलब ह राष्ट्र सबले पहिले. हमरा पार्टी के दर्शन ह सभका ला न्या तुष्टिकरण केकरो ना. इहे हमार धर्मनिरपेक्षता ह.

नरेन्द्र मोदी हिन्दू राष्ट्रवादी नेता हउवे कि व्यापारमुखी मुख्यमंत्री ?
हम राष्ट्रवादी हईं. हम देशभक्त हईं. एहमें कुछउ गलत नइखे. हम जनमजात हिन्दू हईं. कुछउ गलत नइखे. से हम हिंदू राष्ट्रवादी हईं. हँ रउरा कह सकीलें कि हम हिन्दू राष्ट्रवादी हईं काहे कि हम जनम से हिन्दू हईं.

तानाशाही सुभाव के होखे का सवाल पर
अगर रउरा अपना के नेता मानत हईं त रउरा निर्णायक होखे के पड़ी.

आलोचना बर्दाश्त करे का सवाल पर
हमनी किहाँ लोकतंत्र ह. एहीजा सभे के अधिकार बा आलोचना करे के. आलोचना के हम स्वागत करीलां बाकिर बेबुनियाद आरोप के खिलाफ हईं.

विभाजनकारी होखला का सवाल पर
लोकतंत्र के मूल सुभाव होला विभाजन के. अगर सभे एके दिशा चले त का रउरा ओकरा के लोकतंत्र कहऽब ?

अल्पसंख्यक के संगे ले चलला का सवाल पर
हम मतदाता के बाँटल पसंद ना करीं. लोकतंत्र में मजहब के हथियार ना बनावे के चाहीं. हमरा ला सभे बराबर बा चाहे ऊ कवनो मजहब के होखे.

पूरा इन्टरव्यू अँगरेजी में एहिजा पढ़ल जा सकेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up