गूगल मीट पर भइल भोजपुरी संगम के कवि गोष्ठी

by | Aug 14, 2021 | 0 comments

‘भोजपुरी संगम’ के 138 वीं ‘बइठकी’ कोरोना प्रोटोकॉल के नाते ‘गूगल मीट’ एप से ऑनलाइन आयोजित भइल. अध्यक्षता सुभाष चंद्र यादव जी अउर संचालन अवधेश नंद आ ज्ञानेश्वर गुंजन जी मिल-जुलि के कइलीं.

बइठकी के शुरुआत अरविंद ‘अकेला’ के वाणी-वंदना के बाद कुशीनगर के राम नरेश शर्मा ‘शिक्षक’ के सुमधुर गीत से भइल-

 प्यार लूटल करऽ आ लुटावल करऽ
 जन-जन के हिया से लगावल करऽ 

बिहार के बेतिया से संचालन करत ज्ञानेश्वर गुंजन जी आपन सुन्दर गीत पढ़लीं-

 दियरी सनेहिया के देखा न बुताए
  टूटे ना पिरितिया के तार

अवधेश ‘नंद’ के बेटी पर लिखल मोहक छंद से ‘बइठकी’ गम्भीर हो गइल-

  बेटी हईं घर के दियरी
   इनके बिनु नाहीं बा संझा-पराती

नई दिल्ली से डा. कुमार नवनीत जी के बिरह गीत से पुरहर माहौल बनि गइल-

  अँखिया लोर तनी ढरकावऽ जनि 
  पिया देखत होइहें ना

सृजन गोरखपुरी भोजपुरी ग़ज़ल सुना के ‘बइठकी’ के एगो नया आयाम दिहलें-

   चरे दऽ साँड़ जिनि छेड़ऽ 
   बेवस्था  के   जमाई  हऽ

कुमार अभिनीत के संजीदा आ लोकप्रिय गीत बइठकी खातिर जरुरी समझल गइल-

   सून परल सगरी सिवान
   जवान घरे आइल नाहीं

लखनऊ के श्रीमती अंजू शर्मा जी से भारत के ओलंपिक जीत पर काव्यमय बधाई मिलल-

‌ खेल-खेल में खेलि के नीरज के विस्वास
अइसन भाला फेंकलें रचि दिहलें इतिहास

लखनऊए से वरिष्ठ कवि सूर्य देव पाठक ‘पराग’ जी आपन महत्वपूर्ण हाजिरी दर्ज करवलीं-

   तोहरा कोठवा से हमरा का काम बा?
   हमरा खातिर बा निम्मन मड़इया

अध्यक्षता करत सुभाष चन्द्र यादव जी शहीदन के अपने गीत से नमन करत ‘बइठकी’ के अंतिम सीढ़ी पर पहुँचवलीं-

   देके कुरबानी रखलें देसवा के पानी ओ जवानी के नमन
   अइसन रहलें स्वाभिमानी ओ जवानी के नमन
    एह लोगन के अलावा अरविंद 'अकेला', प्रेमलता रसबिंदु, संतोष विश्वकर्मा, कुमार शैल (बस्ती), शिवनंदन जायसवाल (लुंबिनी, नेपाल) आदि लोग भोजपुरी काव्य के कई विधन से 'बइठकी' के अलंकरण कइलें। एह अवसर पर डा.सुमन मिश्रा (लखनऊ), डॉ.धनंजय मणि त्रिपाठी (महराजगंज) व राकेश 'अकेला' सहित अनेक लोगन के आनलाइन उपस्थिति बइठकी के गर्हू बनवलस। 
     अंतिम में सगरी लोग के आभार ज्ञापन कुमार अभिनीत जी कइलें।

(स्रोत – कुमार अभिनीत, संयोजक, भोजपुरी संगम)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up