जीत लिहलऽ ए मोदी, तू हिन्दुस्तान के नवहियन के

by | Feb 6, 2013 | 1 comment

modi-at-srccपोसुआ मीडिया आ मोदी विरोधियन के करेजा पर साँप लोटावत गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु दिल्ली के श्रीराम कॉलेज आफ कॉमर्स में कॉलेज के संस्थापक श्रीराम के स्मृति व्याख्यानमाला में बोलत देश के नवहियन के दिल जीत लिहलें.

बाहर में कुछ विघ्नसंतोषी मोदी का खिलाफ नारेबाजी करे में लागल रहलें. मीडिया ओह लोग के देखावे में आ पुलिस ओहनी के सम्हारे में. बाकिर सभागार में बइठल लोग बस देखत रहे देश के भविष्य के आ ओह भविष्य में अपनो भविष्य के. मोदी कहलन कि आजु देश के पैंसठ फीसदी आबादी के उमर तीस साल से कम बा. यूरोप त बूढ़ा गइल बा. कहलन कि हमनी के दुर्भाग्य बा कि अतना बड़हन संसाधन के हमनी का सही इस्तेमाल नइखीं कर पावत.

मोदी के भाषण सुनला का बाद लागल कि निराशा के गहराई में डूबला के जरूरत नइखे. एगो आदमी सामने बा जे अपना विकास के मॉडल से देश के भविष्य सुधारे ला तइयार खड़ा बा. मोदी कहलन कि अपना विकास के माडल ऊ कृषि, उद्योग आ सेवा क्षेत्र तीनो पर बनवले बाड़न आ तीनो के एक समान रूप से बढ़ावा दिहल जाला गुजरात में. कहलन कि आजु पूरा देश गुजरात के नमक खात बा, गुजरात के दूध पियत बा. एकरा के विकास कहल जाला. अपना भाषण में नरेन्द्र मोदी देश के नवहियन के सपना फेरू से जिया दिहलें.

ई एगो अइसन आदमी के भाषण रहल जवन खाली बकतूत ना करे, ई ना कहे कि हम ई करब, हम ऊ करब. ई आदमी जवन कर देखवलसि तवने बतावत रहल. ओकरा लगे अपना बापदादा, नानी के कहानी ना रहे, अपने काम के ब्योरा रहे. एह भाषण से हमनी का सपना देख सकीलें कि ऊ दिन दूर नइखे जब भारतो विकसित देशन का कतार में खड़ा हो सकी.

लीं रउरो जरूर सुनीं एह भाषण के जवन देश के भविष्य ला दस्तावेज बा.

Loading

1 Comment

  1. प्रभाकर पाण्डेय

    एकदम सही कहनी रउआँ. अउर सौ बात के एक बात ‘बाकिर सभागार में बइठल लोग बस देखत रहे देश के भविष्य के आ ओह भविष्य में अपनो भविष्य के.’…….इ राउर कथन ब्रह्म वाक्य बा…आ एतने में सबकुछ रउआँ कही देले बानीं।

    एक्के विकल्प- मोदी।।

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up