टटका खबर, अतवार, २० जून

by | Jun 20, 2010 | 0 comments

नीतीश कुमार के नौटंकी के सभे निंदा कर रहल बा

आखिर नीतीशो वइसने नेता निकलले जेकरा खातिर वोटे सबकुछ होला. कहे के त भारतीय संस्कार के बात कहलन कि मुसीबत में केहू के सहायता कइला के ढिंढोरा ना पीटल जाला. पता न त उनकर सरकार राज्य में आपदाग्रस्त लोगन के कल्याण खातिर कइल काम के ढिंढोरा काहे पीटेले. गुजरात सरकार से मिलल सहायता नरेन्द्र मोदी के ना रहुवे बाकिर ओकरा के लवटा के नीतीश बहुते घटिया काम कइले बाड़न. लालू ठीके कहलन कि जवन हाथ नरेन्द्र मोदी से मिलवले रहलऽ ओकरा के काटियो के फेंक देबऽ त तोहार कलंक ना धुली. रुपयवा त लवटा दिहलऽ, एक मालगाड़ी जवन सामान गुजरात से आइल रहुवे ओकरा के कइसे लवटइबऽ? रामविलासो के पार्टी एकर निंदा करत कहले बा कि आखिर ऊ धन अतना दिन ले धइल काहे रहुवे? ओकरा के आपदाग्रस्त लोग के बाँटल काहे ना गइल? कांग्रेस के सुबोधकांत एकरा के नौटंकी बतवले बाड़े. भाजपा चुप बिया बाकिर भितरखाने उहो अँउटात होखी समय पर फफकी. वइसे नीतीश देर सबेर कांग्रेस से हाथ मिलावे खातिर आपन अलगा क्षेत्रीय पार्टी बना के रहीहन. भाजपा का साथे शरद गुट रह जाई राजग में.

सुशील मोदी नीतीश का साथे आपन कार्यक्रम रद्द कइले

राजग के एकता तूड़े खातिर बस पाँच करोड़ रुपिया के जरुरत रहुवे. नीतीश के वार का बाद उनका साथे विकास यात्रा में निकले वाला सुशील असहज स्थिति में आ गइल रहले आ अबही अबही मिलल खबर का मुताबिक ऊ विकास यात्रा में शामिल ना होखिहन. ओने शत्रुघ्न सिन्हा माँग कइले बाड़न कि नीतीश का साथे गठबन्हन तूड़ लिहल जाव आ बिहार में भाजपा अकेले चलो. इहो हो सकेला कि दुनु पार्टी भितरे भीतर एह बात पर सहमत हो गइल होखस कि अलगा अलगा लड़ला से दुनु के फायदा बा आ बाद में फेर एक हो लिहल जाई. राजनीति में कुछुवो हो सकेला.

भोपाल त्रासदी का फैसला पर मंत्री समूह निर्णय पर चहुंपल

भोपाल गैस त्रासदी पर आइल अदालत का फैसला का बाद बनावल मंत्री समूह कुछ कानूनी विकल्पन के चुनले बा जवना के रिपोर्ट सोमार का दिने प्रधानमंत्री के सँउपल जाई. ओकरा बादे ओकर जानकारी सार्वजनिक हो पाई. एह बीच योजना आयोग भोपाल गैस पीड़ितन के पुनर्वास खातिर ९८२ करोड़ रुपिया मध्य प्रदेश सरकार के भेज दिहले बा.

युलिप इरडा के नियन्त्रण में रही

सेबी आ बीमा नियामक इरडा का बीच पिछला दू महीना से चलल आ रहल विवाद के पटाक्षेप करत केन्द्र सरकार फैसला ले लिहलस कि युलिप इरडा का नियन्त्रण में रही. एह खातिर जरुरी कानूनी संशोधन करत अध्यादेश राष्ट्रपति के हस्ताक्षर से जारी कर दिहल गइल बा.

पीठासीन अधिकारियन के सम्मेलन श्रीनगर में

२३ साल बाद आज श्रीनगर में देश के पीठासीन अधिकारियन के सम्मेलन होखे जा रहल बा. एह ७५वाँ सम्मेलन के अध्यक्षता लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार करीहे.

रेललवे भर्ती बोर्ड के परीक्षा रद्द

करोड़ो रुपिया के भरती घोटाला का खुलासा का बाद २७ जून के होखे वाली रेलवे भरती परीक्षा रद्द कर दिहल गइल बा. ओने यूपी में बीएड के परीक्षा संपन्न हो गइल आ सबकर कापी जाँचल जाई बाकिर ५० फीसदी से कम वाला के रिजल्ट तबले ना निकालल जाई जबले कोर्ट के फैसला नइखे आ जात.

मणिपुर के नागा नाकेबन्दी खतम भइल

६८ दिन से चलत आ रहल मणिपुर जाये वाला दू गो नेशनल हाईवे के नाकाबन्दी काल्हु खतम कर दिहल गइल. एकर घोषणा शुक का दिने कोहिमा में नागा संगठनन के बईठक का बाद कइल गइल.

भारत एशिया कप क्रिकेट का फाइनल में चहूंपल

काल्हु का मैच में पाकिस्तान के तीन विकेट से हरा के भारत एशिया कप के फाइनल में चहुँप गइल जहाँ ओकर मुकाबला श्रीलंका से २४ तारीख के होखी. एह बीचे मंगल के दुनु टीम राउण्ड रोबिन मुकाबिला में एक बेर फेर आमने सामने होखी. पाकिस्तान लगातार दू गो मैच हार के टुर्नामेंट से बाहर हो गइल बा. क्रिकेट से जुड़ल दोसरा खबर में कहल गइल बा कि ललित मोदी का जवाब पर विचार करे खातिर बोर्ड के विशेष आमसभा बोलावल गइल बा.

शर्मनाक पुलिसिया हरकत

साल २००८ में दिल्ली का प्रगति मैदान से एगो दस साल के लड़की के उठा के रियाज अली अपना दू गो साथियन का साथे बलात्कार कइलस. एगो गवाह का बयान का बाद आरपियन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि बाकिर ३५ हजार रुपिया ले के मामिला रफा दफा कर दिहलस. मुकदमा में रेप आ मर्डर के जिक्र तक ना भइल. पुलिस ओकरा बादो आरोपियन से अउरी पइसा माँगत रह गइल, मजबूरन एह साल रियाज अली अपना इकाबालिया बयान में पुलिस के बता दिहलसि कि ओह लड़की के खाली अपहरणे ना भइल रहे ओकरा साथे रेपो भइल रहे आ बाद में ओकरा के मार के गाड़ दिहले रहन स. अब दिल्ली पुलिस के सात गो अधिकारियन का खिलाफ मुकदमा करे के आदेश अदालत से भइल बा.

फीफा वर्ल्ड कप

काल्हु का मैच में डेनमार्क कैमरून के दु एक से हरा के एगो बड़हन उलटफेर कर दिहलस. कैमरून अब टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बा. हालैण्ड जापान के एक गोल से हरा के अगिला दौर नाकआउट में चहुँपे वाला पहिलका टीम बन गइल. घाना आ आस्ट्रेलिया के मैच एक एक से बराबरी पर छूटल बाकिर घाना अपना ग्रुप में शीर्ष पर मौजूद बा. आजु का मैचन में स्लोवाकिया के मुकाबिला पेराग्वे से, इटली के मुकाबिला न्यूजीलैण्ड से, आ ब्राजील के मुकाबिला आइवरी कोस्ट से होखे जा रहल बा. भारत खातिर ई लाज के बात बा कि छोट छोट देश फीफा में खेलत बाड़े जबकि ऊ क्वालिफाइये ना कर पावे. अतना सस्ता खेल जवना में बस एगो गेंद चाहीं ओकरो में सवा अरब के देश एगारह गो बढ़िया फुटबाल खिलाड़ी ना निकाल पावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up