टटका खबर, अतवार, ४ अप्रैल

by | Apr 4, 2010 | 0 comments

शिक्षा अधिकार योजना खातिर यूपी का लगे धन नइखे

यूपी के मुख्यमंत्री मायावती प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के चिट्ठी भेज के कहले बाड़ी कि राज्य का लगे शिक्षा के अधिकार योजना लागू करे लायक धन नइखे. लिखले बाड़ी कि एकरा खातिर सालाना १८००० करोड़ रुपिया के इन्तजाम कइल सरकार के बूता का बाहर बा. उनकर कहनाम बा कि अगर केन्द्र एह योजना खातिर अतने बेचैन बा त ओकर पूरा खर्च के व्यवस्थो उहे करो. ई ना चली कि नीति केन्द्र बनावे आ खर्चा राज्यन का कपारे थोप दिहल जाव..

सीबीआई के गलत इस्तेमाल से ओकरा पर भरोसा टूटल

सीबीआई के त हमेशा से केन्द्र में सत्तारुढ़ दल अपना हित का हिसाब से इस्तेमाल करत आइल बा. कांग्रेस तनी बेसी बेहाया हो के काम करेले से एकरा सरकार में हर केन्द्रीय संस्था पार्टीहित के औजार बन के रह जाले. अब नीतीश कुमार कहत बाड़े कि लालू का खिलाफ मुकदमा में जवना तरह सीबीआई के इस्तेमाल भइल बा ओह से ओकरा पर भरोसा टूटल बा. अरे नीतीश जी सीबीआई भरोसा लायक रहल कहिया? कवनो बड़हम मुकदमा देखा दीं जवना में कवनो राजनेता का खिलाफ ऊ कवनो कार्रवाई कर पवले होखे. रउरो सरकार आई त कुछ अइसने होखी. तब कहाई कि परम्परा बा!

जस्टिस दिनकरन के छूट्टी पर जाये के कह दिहल गइल

सरकारी जमीन पर गलत तरीका से कब्जा करे का आरोप में बदनाम जस्टिस दिनकरन के अब छूट्टी पर जाये के कह दिहल गइल बा. उनकर प्रोन्नति त पहिलही रोक दिहल गइल रहे. उनका खिलाफ भइल कार्रवाई के कर्नाटक बार एसोसिएशन स्वागत कइले बा. अब दिल्ली हाइकोर्ट के कार्यवाहक मुख्य न्यायाधीश जस्टिस मदन बी लोकुर के कर्नाटक के मुख्य न्यायाधीश पद पर भेजल जाई.

एगो एहसानफरामोश दोसरा पर एहसानफरामोशी के आरोप लगवलस

अबही कांग्रेस के सांसद राजबब्बर अमिताभ बच्चन के अहसान फरामोश बतवले बाड़न. कहले बाड़न कि अमिताभ के सबसे पहिले कांग्रेसे सम्मान दिहले रहे आ अब ऊ एह बात के भुला दिहले बाड़न. आपन बात कहत घरी राजबब्बर के आपन इतिहास याद ना रहल कि उनको के मुलायम सिंह मौका दिहले रहलें बाकिर बाद में उहो अहसानफरामोशी करत कांग्रेस में चल गइलें आ आजु मुलायम के खिलाफ काम कर रहल बाड़े. एगो भोजपुरी कहावत ह कि चलनी दूसे सूप के जवना में बहत्तर छेद!

संयुक्त अरब अमीरात में सतरह गो हिन्दुस्तानियन के मौत के सजा से बचावे के कोशिश

केन्द्र सरकार ओह सतरह गो भारतीय मजदूरन के बचावे के कोशिश में लागल बिया जवना लोगन के संयुक्त अरब अमीरात में फाँसी के सजा सुनावल गइल बा. पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल एही मुद्दा पर प्रधानमंत्री से सात अप्रैल के भेंट करीहें. सतरहो लोग पंजाब के हव. पंजाब सरकार के कहनाम बा कि जब एगो अमेरिकी पत्रकार के जान बचावे खातिर ओहिजा के राष्ट्रपति खुदे कोरिया जा सकेला त भारत सरकार काहे नइखे अइसने करत?

मुख्तार के शूटर के पुलिस शूट कर दिहलसि

मुख्तार अंसारी के शूटर कहल जाये वाला गाजीपुर के राजा चौहान के सुल्तानपुर बनौरा गाँव का लगे शुक के देर रात पुलिस शूट कर दिहलसि. राजा चौहान इनामी बदमाश रहल आ पिछला १९ मार्च के आरटीओ आफिस का सामने मन्ना हत्याकाण्ड के गवाह रामसिंह मौर्या आ एगो सिपाही के गोली मार दिहले रहे. तबे से ओकरा पाछा पुलिस लागल रहे. मुठभेड़ का दौरान एगो दोसर शूटर भाग निकलल.

सड़क जाम करे वाला पूर्व मंत्री पर मुकदमा

बलिया बहेरी से पिछला तीन मार्च से लापता स्कूली छात्र शहबाज खान के पता ना लाग पवला सर खिसियाइल लोग काल्हु बहेरी चट्टी पर सड़क जाम लगा दिहल जवना के नेतृत्व सपा नेता पूर्व मंत्री नारद राय करत रहलन. जाम हटला का बाद पुलिस नारद राय समेत १०६ जने पर मुकदमा ठोक दिहले बिया. नेता जी कहले बाड़न कि पुलिस अपना नाकाबिलियत के खीझ जनता पर उतारत बिया.

पटना के कूड़ा मुक्त शहर बनावे के योजना

बिहार सरकार पटना के अगिला छह महीना के भीतर कूड़ा मुक्त बना दी. एकरा खातिर शहर से सटले ७७ एकड़ जमीन लिहल गइल बा जहवाँ कूड़ा फेंकल जाई. कूड़ा उठावे वाली गाड़ी घर घर से कूड़ा बिटोरल करी आ एह सुविधा खातिर हर घर से पन्द्रह रुपिया शुल्क वसूलल जाई. सड़क पर पहरेदार लगावल जाई जे जेने तेने कूड़ा फेंके वाला लोगन के पकड़ीहें.

सिंगुर के जमीन के लीज नवीनीकरण करवलस टाटा मोटर्स

सिंगुर मे विवाद का चलते आपन फैक्टरी गुजरात ले गइला का बावजूद टाटा मोटर्स सिंगुर के जमीन छोड़े के तइयार नइखे आ फेर एक साल के किराया एक करोड़ रुपिया जमा करा दिहलसि. पश्चिम बंगाल सरकार चाहत बिया कि टाटा ऊ जमीन छोड़ देव जवना के ऊ उपयोग में नइखे ले आवत. बाकिर सिंगुर विवाद का चलते करोड़ो के नुकसान झेल चुकल टाटा के योजना कुछ दोसरे बा.

शोएब कहलन कि सानिया उनकर पहिलका बीबी होखी

शोएब से तलाक के माँग करत आयशा का बारे में शोएब मानत बाड़न कि ओकरा साथे गलती में निकाह हो गइल रहे बाकिर ओकरा खातिर आयशा के परिवार उनका के धोखा में राख के फरेब कइले रहे. शोएब हैदराबाद चहुँप गइल बाड़न आ सानिया का घरे में ठहरल बाड़न जहाँ बालकनी में उनका के काल्हु देखल गइल. ओने आयशा शोएब का खिलाफ मुकदमा चलावे पर अड़ल बाड़ी. कहत बाड़ी कि शोएब बस उनका के तलाक दे देस सबका सामने. उनका अउरी कुछ ना चाहीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up