टटका खबर, अतवार, ८ अगस्त

by | Aug 8, 2010 | 0 comments

मुस्लिम विश्वविद्यालय में आरक्षण प्रावधान के अनदेखी से भाजपा नाराज

विद्यार्थियन के नामलिखाई आ कर्मचारियन के बहाली में अनुसूचित जाति, जनजाति आ पिछड़ा वर्ग के मिले वाला आरक्षण ना दिहला से नाराज भाजपा प्रधानमंत्री आ मानवसंसाधन मंत्री से शिकायत कइले बिया आ जिम्मेदार लोगन पर कार्रवाई करे के माँग कइले बिया. वइसे जानत त उहो होखी कि एह मामिला में कुछ होखी हवाई ना. बीएचयू ना नू हऽ अमुवि!

जीतत जीतत हार जाये वाला भारत आजु हारत हारत जीत गइल

श्रीलंका का साथ तिसरका टेस्ट के आखिरी दिन का शुरुआत में भारत के हालत ठीक ना रहुवे. काल्हु ओकर तीन गो खास विकेट सस्ते में चटक गइल रहे. बाकिर आजु वीवीएसलक्ष्मण का कमाल १०३ रन का बदौलत भारत श्रीलंका के पाँच विकेट से हरा के सीरीज बरावर करा लिहलसि. श्रीलंका में सतरह साल से भारत सीरीज नइखे जीत सकल आ अबकियो उहे भइल. संतोष रहल कि बरोबरी पर छूटल बा भारत.

अपना फटला में दोसरा के टाँग फँसावे से मना कइलसि नेपाल के माओवादी पार्टी

नेपाल के माओवादी पार्टी आजु दोसरा देशन के चेतावनी दिहले बा कि केहू नेपाल का मामिला में आपन टँगड़ी मत घुसावो. बाकिर भारत का तरफ से श्याम सरन के भेजला के ऊ सकारात्मक रुप से लिहलसि काहे कि सरन केहू के पक्ष में ना गइल रहले, नेपाल के समग्र हित में एकता पर बल दिआवे गइल रहले. अलगा बाति बा कि कवनो फायदा ना भइल.

चालबाज जरदारी अपना जीत के हवा बनवले

ब्रिटेन के प्रधानमंत्री डेविड कैमरुरन से बात कइला का बाद जरदारी अपना बयान में कहले कि ऊ कैमरुन का साथे साफ साफ बाति कर के उनका के समुझा लिहलन कि पाकिस्तान आतंक के निर्यातक देश ना ह. संयुक्त बयान का नरमीओ से पता चलत बा कि कैमरुन पाकिस्तान पर नरम हो गइल बाड़े.

सूखा राहत खातिर बिहार सरकार पाँच हजार करोड़ रुपिया मँगलसि

बिहार में पड़ल सूखा से निबटे खातिर आ पीड़ित जनता के तत्काल राहत चहुँपावे खातिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार केन्द्र से पाँच हजार करोड़ रुपिया के सहायता तुरन्ते मँगले बाड़न. कहले कि बिहार सरकार अपना बेंवत भर सहायता दे रहल बिया बाकिर केन्द्रो के आपन जिम्मेदारी निबाहे के चाहीं. पिछला तीन साल से बिहार लगातार कवनो ना कवनो बिपति के शिकार होत आइल बा एहसे ओकर आपदा राहत कोष खलिया हो गइल बा.

विधानसभा चुनाव खातिर सीटन के बाँट बखरा में लागल बाड़ी से पार्टी

का्ग्रेस आ बसपा के केहू से गठबन्हन नइखे आ दुनु बिहार का सगरी सीटन पर लड़े के बाति कहत बाड़ी. भाजपा आ जदयू में सीट खातिर खीँच तान चलत बा. जदयू चाहत बा कि ओकरा वोट आधार में बढ़ोतरी का चलते ओकरा पिछला बेर से कुष अधिका सीट मिले के चाहीं जबकि भाजपा एको सीट छोड़े के तइयार नइखे लउकत. राजद आ लोजपा गठबन्हन के हालत बहुते खराब बा. लोजपा १०६ सीट माँगत बिया जवना में उहो पचास गो सीट शामिल बा जवन पिछला बेर राजद कांग्रेस के दिहले रहुवे आ राजद के ठकुआ मरले बा कि कइसे अइसनका बेजा दबाव से पार पावो.

सांसद महाबल मिश्रा के गाड़ी छिना गइल

पश्चिमी दिल्ली के सांसद महाबल मिश्रा के कार काल्हु रात चार गो बदमाश छिन ले गइले स. ओह कार से सांसद के बेटा द्वारिका स्पोर्ट्स कांप्लेक्स में खेले गइल रहले. लवटत घरी चक्का पंक्चर हो गइल त घरे फोन कर के दोसर कार मँगवा लिहले आ ड्राइवर के पंक्चर बनवा के आवे के कहले. ड्राइवर जब पंक्चरबनवा के चले लागल मोटर साइकिल से आइल बदमाश ओकरा से जबरदस्ति गाड़ी छिन लिहले. पुलिस मामिला के जाँच में लागल बिया.

मिल बाँटि के आटो रिक्शा चढ़ीं

मुंबई में स्टेट ट्रांसपोर्ट कार्पोरेशन हिस्सेदारी में आटो सवारी योजना शुरु करे जा रहल बा जवना में कई आदमी मिलजुल के आटो के सवारी करी. सवारी के फायदा कि भाड़ा कम लागी, आटो के फायदा कि भाड़ा बेसी मिली. अगर ट्रांसपोर्ट कार्पोरेशन के फायदा बुझाई त घाटा वाला रास्तन पर बस बन्द कर के अइसनके आटो चलावल शुरु कर दी.अब मुंबई वालन के के बतलावो कि हमनी का छपरा बलिया में अइसनका योजना कब से चलत बिया आ एगो आटो पर बत्तीस बत्तीस गो सवारी लाद के चलेले ड्राइवर!

अमेरिका का हवाई अड्डन पर फुलबॉडी स्कैनर

लोग का विरोध का बावजूद अमेरिका के ४१ गो हवाई अड्डा पर फुलबाडी स्कैनर लागल बा आ अब सितम्बर महीना से न्यूयार्को का हवाई अड्डा पर लाग जाई. एह स्कैनर के खासियत होला कि सुरक्षा अधिकारी राउर कपड़ा उतरवला बिना रउरा के लंगटे देख सकीहें कि रउरा कतही कवनो कोना अँतरा में कुछ लुका के त नइखीं ले जात? कुछ संगठन एह तरह के स्कैनर के जनता के निजता के उल्लंघन करे के बात कह के विरोध करत बाड़न.

खेल का दुनिया से

भारत सरकार के संस्तुति का बावजूद हॉकी के इन्टरनेशनल फेडरेशन भारत के हॉकी फेडरेशन के मान्यता देबे के तइयार नइखे जवना के मान्यता ऊ साल साल २००० में रद्द कर दिहले रहुवे. ओकरा मुताबिका हॉकी इण्डिया भारत के असली हॉकी संगठन ह जबकि सरकार ओकर मान्यता रद्द कर दिहले बिया काहे कि ऊ सरकार के निर्देश माने से इन्कार कर दिहले बा.

सुरेश कलमाडी देश के करोड़ो अरबो रुपिया बचा दिहलन जवना खातिर उनका के देश के कवनो बड़हन सम्मान एह पन्द्रह अगस्त के भा अगिला छब्बीस जनवरी के देबे के चाहीं. कॉमनवेल्थ गेम्स का घोटाला से ऊ देश के देखा दिहलन कि एह तरह के आयोजन से देश के पइसा कइसे बरबाद होला. एह अनुभव का बाद अब एशियाई गेम्स भा ओलम्पिक गेम्स के आयोजन खातिर सरकार कबहियो तइयार ना होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up