टटका खबर, बियफे, १० जून

by | Jun 10, 2010 | 0 comments

यूपी में निकाय चुनाव राजनीतिक दल का चिह्न पर ना होखी

मायावती परसो घोषणा कइले रही कि अब २०१२ तक बसपा लोकसभा भा विधानसभा के कवनो उपचुनाव ना लड़ी आ आपन ताकत २०१२ के विधानसभा चुनाव खातिर सँजो के राखी. काल्हु पता चलल कि निकाय चुनाव में राजनीतिक दल के चुनाव चिह्न पर चुनाव ना करावे के गजत पिछला ११ मई के निकाल दिहल गइल रहुवे आ १० जून ले ओहपर आपत्ति दाखिल कइल जा सकेला. कवनो राजनीतिक दल के समय पर सूचना ना दिहल गइल. अब विपक्ष एह बात के आलोचना कर रहल बा.

भोपाल गैस त्रासदी के मुकदमा के फैसला अइला का बाद सरकार के चहुओर आलोचना

देश से विदेश तक भारत सरकार के संवेदनहीनता आ भारतीय न्यायप्रणाली के विसंगति के आलोचना हो रहल बा. कहल जा रहल बा कि धनपशु भारत के भारत के न्यायव्यवस्था के नाजायज फायदा उठावे में सफल रहेले. भोपाल मामिला के फैसला एक त बहुत देर से आइल आ जब आइबो कइल त दोषियन के मिलल सजा अतना कम बा कि एकरा के जरला पर नून छिड़कल कहल जा सकेला. सरकार पर दोष लाग रहल बा कि ऊ अमेरिका का दबाव में आ के वारेन एंडरसन के विदेश जाये में सहयोग दिहलस आ ओकर जाँच एजेन्सी मुकदमा के जानबुझ के कमजोर कर दिहले. अब मंत्रियन के एगो नया समूह बनावल गइल बा जवन पूरा मामिला के समीक्षा करी. तब ले केन्द्र आ मध्यप्रदेश सरकार फैसला का खिलाफ अपील करे के एलान कइले बिया.

भारत के डिग्रियन के विदेशन में मान्यता दिलवावे के कोशिश

केन्द्रीय मानव संसाधन विभाग कोशिश कर रहल बा कि देश के डिग्रियन के विदेशन में मान्यता मिल जाव. अबहीं भारत वाशिंगटन समझौता के सदस्य ना रहल हऽ जवना चलते ई दिक्कत होत रहल हऽ.अब भारत के अस्थायी सदस्यता दे दिहल गइल बा जवना का बाद ओकरा कुछ डिग्रियन के विदेशन में मान्यता मिले लागल बा. एह दिशाईं अमेरिका, इगलैण्ड, आस्ट्रेलिया, न्यूजीलैण्ड वगैरह से अलग अलग बात चल रहल बा. तेजी से बुढ़ात पश्चिमी देशन में भारतीयन के रोजगार के संभावना बढ़िया बा.

बिहार से राज्यसभा चुनाव में छठा उम्मीदवार का अइला से सबकुछ असहज हो गइल

अन्तिम समय में कर्नाटक के एगो उद्योगपति उदय बिहार से राज्यसभा सीट के दावेदार बन के आपन नामांकन दाखिल कर दिहलस जवना का बाद सगरी पार्टियन के गणित गड़बड़ा गइल बा. पहिले संभावना बनल रहे कि पांचो उम्मीदवार निर्विरोध चुना जइहे बाकिर अब चुनाव करावही के पड़ी काहे कि पांच गो सीट पर छह गो उम्मीदवार बन गइल बाड़े. उदय के नामंकन खातिर जरुरी विधायकन के समर्थन मिल गइल आ कहल जात बा कि जीटे लायक वोटो के जुगाड़ कर लिहन. सबले संकट में रामविलास पासवान के उम्मीदवारी आ गइल बा जिनका लगे पक्का समर्थन मौजूद नइखे. जदयू अपना दू उम्मीदवार आ भाजपा आपन एगो के जितावे लायक पर्याप्त वोट रखले बा. राजदो का लगे अपना उम्मीौदवार के जितावे लायक वोट बा. देखल जाव कि रामविलास आ उदय में केकर जीत होखत बा.

पटना पुलिस के कारनामा

पटना विवि के प्रो राय मुरारी के कार बुध का दिने चोरी हो गइल. दुपहरिया में ऊ प्राथमिकी दर्ज करा दिहलन. बाद में पता ना कवना कारण चोर उनकर गाड़ी फेर घर का लगे ले आ के छोड़ दिहलन. प्रोफेसर साहब के खबर मिलल त दउड़ल धअवल फेर चहुँपलन थाना कि कार मिल गइल. सुनते थानाधिकारी के बाँछ खिल गइल आ ऊ सिपाही भेज के गाड़ी थाना मँगवा लिहले. प्रोफेसर साहब के बतावल गइल बा कि प्राथमिकी दर्ज हो गइल बा एहसे कार अब कोर्टे से मिल पाई. पड़लन राम कुकुर का पाले!

हेडले मनलसि कि मुंबई हमला का हर डेग पर पाकिस्तानी खुफिया एजेन्सी साथ दिहलस

अमेरिका में चल रहल पुछताछ में डेविड हेडली सकार लिहलसि कि पाकिस्तानी खुफिया एजेन्सी आईएसआई लश्करे तोएबा के हर डेग पर मार्गदर्शन कइलस. भारत एह बात के आरोप पाकिस्तान पर हमेशा से लागावत आइल बा. हेडली पाकिस्तानी सेना के तीन गो अधिकारियन के नामो बतवलसि जे एह हमला के षडयन्त्र में शामिल रहले. मेजर शमीर अली, मेजर इकबाल आ मेजर हारुन में से शमीर आ इकबाल के नाम पाकिस्तान के दिहल डाजियर में भारत पहिले से शामिल रखले बा.

तलाक लिहल दिहल आसान बनावे जा रहल बिया सरकार

हिन्दू मैरिज एक्ट आ सिविल मैरिज एक्ट के प्रावधान में तलाक लिहल दिहल अतना आसान नइखे कि बिना हुज्जत के आ एक दोसरा के दोषी बनवाल बिना तलाक लिहल जा सके. अब सरकार चाहत बिया कि अगर शादी अव्यावहारिक बन गइल बा आ ओकरा के निबाहल संभव नइखे त एह आधार पर तलाक आराम से दिहल जा सके. सरकार के एह कदम से औरतन के बेसी नुकसान बा काहे कि ओह लोग के अबही संपत्ति में जायज हक नइखे मिलल. एहसे कुछ मरदन के जरुर सहूलियत हो जाई.

मौत के सजाय झेलत भारतीयन के राहत के किरण लउकल

सऊदी अरब में सतरह गो भारतीयन के मौत के सजाय दिहल गइल बा. ओह लोग पर आरोप रहे कि ऊ लोग एगो पाकिस्तानी के दिन दहाड़े पीट पीट के मार डलले. अब ओह मामिला के मुख्य गवाह आपन बयान बदल दिहले बा आ कहले बा कि ऊ केहू के नइखे पहिचानत. कहलस कि ऊ दबाव में आ के पिछला बयान दे दिहले रहे बाकिर अगर ओहसे कवनो बेकसूर के सजा हो जाई त खुदा ओकरा के कबो माफ ना करीहे. एहसे ऊ साफ कहत बा कि ऊ आरोपियन के नइखे चिन्हत.

सावधि जमा पर ब्याज बेसी देबे के सोचत बाड़े बैंक

नगदी तरलता के कमी आ निवेश खातिर जम के कर्जा बँटला का बाद बैंकन के लागत बा कि पूंजी जुटअवे खातिर सावधि जमा के ब्याज दर बढ़ा दिहल जाव जेहसे लोग एह में पइसा जमा करे. शेयर बाजार के टूटत माहौल में ई बात सबका बहुते आकर्षक लागी. ओने प्रणव मुखर्जी कहले बाड़न कि आयकर के दर कमे बनावल राखल जाई.

फीफा वर्ल्ड कप के तइयारी पूरा हो गइल बा

दुनिया के २०४ गो देशन का बीच मैच का बाद क्वालिफाई होके ३२ गो टीम दक्षिण अफ्रीका में होखे जा रहल उनइसवाँ फीफा वर्ल्ड कप में मुकाबिला करे चहुँप गइल बाड़ी सँ. एहमें आठ गो समूह बनावल गइल बा आ आठो के शीर्ष दू गो टीम नाकआउट खेलिहन सँ. हार का बाद टीम बाहर होत जइहें सँ. पूरा दुनिया के फुटबाल प्रेमी एह महासमर के बेसब्री से इन्तजार करत रहले हऽ आ अब रणभेरी नाजे के घड़ी आ गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up