टटका खबर, बियफे, १२ अगस्त

by | Aug 12, 2010 | 0 comments

फेर बैतलवा डाढ़ि पर

संप्रग सरकार जातिवादियन का सोझा समर्पण करत एह बाति के मान लिहलसि कि अबकी का जनगणना में जातियो के गिनल जाई. जनगणना कर्मी रउरा अंगुरियो के निशान लीहि आ जातियो पूछी. दुर्भाग्य अतने बा कि वोट बैंक का राजनीति का चलते कवनो दल में अतना साहस नइखे रहि गइल कि जाति आधारित जनगणना के विरोध कर पावे. संघ का इशारा पर चले वाला भाजपो एहि बाति के विरोध नइखे कर सकत. अब बवाल एह बाति पर हो रहल बा कि एह जातिगणना से पिछड़ा वर्ग के गिनती नाहो पाई. देश में करीब पैंसठ हजार जाति बाड़ी स जवना में से कवनो कवनो राज्य में पिछड़ा गिनाले त कवनो कवनो राज्य में. अब पिछड़ा वर्ग के राजनीति करे वाला संसद में एह बाति के विरोध कर रहल बाड़े काहे कि एहु से पिछड़ा आरक्षण के मानक तइयार ना हो पाई.

अर्जून सिंह मुँह खोलिये दिहलन

कहलन कि भोपाल गैस त्रासदी के जिम्मेदार वारेन एंडरसन के रिहाई खातिर गृहमंत्रालय से फोन आइल रहुवे. एह मामिला में राजीव गाँधी से उनकर कवनो बाति ना भइल रहे. अर्जून सिंह के एह बाति पर कांग्रेस से हुँआ हुँआ शुरु होखे के अनेसा नइखे काहे कि तब गृह मंत्रालय नरसिंह राव का लगे रहुवे जिनका समर्थन में कवनो कांग्रेसी आगा ना आई. ओने संसद में बोलत गृहमंत्री चिदम्बरम कहले कि भोपाल गैस कांड के दोषी हमनी सभे बानी. कहलन कि जवन गलती होखे के रहे तवन हो गइल अब ओकरा के सुधरला के जरुरत बा दोषी के खोजला के ना.

लोजपा आ राजद में सीट बँटवारा के पेंच खुलत नइखे

दुनु पार्टी संगहू रहे के चाहत बा आ अधिका से अधिका सीटो लेबे के चाहत बा. लोजपा आ राजद में एह दिसाईं कई गो बइठका हो चुकल बाकिर हर बइठका बेनतीजा रहि जात बा. लोजपा एक तिहाई सीट माँगत बा जवन राजद के मंजूर नइखे. अब बात के कमान सीधे लालू आ रामविलास सम्हार लिहले बाड़े. राजद चाहत बा कि जीते वाला के लड़ावल जाव बाकिर लोजपा के आपन उचित हिस्सा चाहीं.

आठ सौ कर्मचारी निलंबित

बिहार के नौ गो विश्वविद्यालयन के गैर शिक्षक कर्मचारी पिछला डेढ़ महीना से हड़ताल पर बाड़े जवना चलते पढ़ाई आ नया प्रवेश नइखे हो पावत. सरकार ओह लोग के हड़ताल तूड़े के चेतावनी दिहलसि आ अब आठ सौ कर्मचारियन के निलंबित कर दिहले बिया. एकरा से हड़ताल त ना टूटी बाकिर हड़तालियन के माँग में एगो माँग अउरी बढ़ जाई कि निलंबित कर्मचारियन के निलंबन कतम कइल जाव.

मनमोहन देश के तिसरका सबसे बेसी दिन रहेवाला प्रधानमंत्री

मनमोहन सिंह बुध का दिने अपना प्रधानमंत्रित्व के २२७३ दिन पूरा कर लिहले जवन अटल बिहारी के २२७२ दिन से बेसी हो गइल आ अब ऊ देश पर सबले बेसी दिन राज करे वाला प्रधानमंत्रियन में तिसरका जगहा पर आ गइले. पहिला जगहा जवाहर लाल नेहरू के आ दुसरका जगहा इंदिरा गाँधी के बा. अलगा बाति बा कि आजु हिन्दुस्तान मनमोहन सिंह का चलते नइखे चलत बलुक उनका बावजूद चलत जात बा! आ शायद एही चलते ऊ आजु ले लोकसभा चुनाव लड़े के खतरा नइखन उठवले.

बिहार का सुपौल में नाव दुर्घटना में ३५ जने मरले

बिहार का सुपौल का तिलयुगा नदी में बुध का दिने एगो नाव पलटला से ओह पर सवार ३५ जने के लाश बरामद हो गइल बा आ करीब २० आदमी अबहियो लापता बतावल जात बाड़े. मरे वालन में बच्चा बेसी बाड़न स. ई लोग एगो भोज खाये नदी पार के गाँव जात रहुवे. नाव बेसी सवारी का चलते आ तेज हवा का चलते पलटल.

यूपी में सूखा के हालात नइखे

बस बरखा तनी कम भइल बा. यूपी के कृषि मंत्री नसीमुद्दीन सिद्दिकी विधानसभा में एगो सवाल के जवाब देत कहले बाड़न कि यूपी में सूखा के स्थिति नइखे. बस सामान्य से तनी कम बरखा भइल बा. पचास फीसदी कम बरखा होखले पर सूखा मानल जाले. अब आँकड़ा के बाजीगरे बता सकेले कि अरबा ज्यों का त्यों, कुनबा डूबा क्यों ?

आजु से रमजान के पाक महीना शुरु हो गइल बा

काल्हु रमजान के चांद देखते एलान हो गइल कि आजु से रोजा शुरु हो जाई. लोग एक दोसरा के रमजान के मुबारक बाद दिहल आ नमाज अदा कइल. यूपी सरकार कहले बिया कि भर रमजान रात भड़ बिजली देबे के इन्तजाम कइल जाई खास कर के मुस्लिम बहुल इलाकन में. एकरा खातिर ७०० मेगावाट अधिका बिजली के इन्तजाम कर लिहल गइल बा.

फाइव स्टार अस्पतालन में इलाज करावे खातिर बेसी पइसा देबही के पड़ी

बीमा नियामक प्राधिकरण साफ कर दिहले बा कि ऊ बीमा कंपनियन के ओह फैसला पर दखल ना दी जवना में कैशलेस इलाज पर रोक लगा दिहल गइल बा. इरडा के कहना बा कि फाइव स्टार अस्पताल मे इलाज करावे के बा त बेसी प्रीमियम देबही के पड़ी. बीमा कंपनी अब नया पालिसी ले आवे वाला बाड़ी स जवना में बड़का अस्पतालन में इलाज करावे वाला लोग बेसी भुगतान कर के आपन बीमा करा सको.

खेल का दुनिया से

कॉमनवेल्थ खेल आयोजन समिति से निकाल बाहर कइल गइल संयुक्त महानिदेशक रहल टीएस दरबारी के कहना बा कि उनका के बलि के बकरा बनावल गइल बा. खेत खइलसि गदहा मार खइलसि जुलहा. ऊ अपने कवनो तरह का गड़बड़ी में शामिल नइखन. बाकिर भुला गइलन कि जो तटस्थ है समय लिखेगा उनका भी अपराध !

श्रीलंका में हो रहल तिकोनिया क्रिकेट का पहिलका मैच में भारत २०० रन से हार गइल. ई बाति सुने में ओतना खराब नइखे लागत जतना वास्तव में भइल जब भारत के पूरा टीम ८८ रन पर आउत हो गइल. बस तीने गो बल्लेबाज नौ रन से बेसी बना पवले.

भारत के टेनिस खिलाड़ी लिएन्डर पेस दू गो बालीवुड फिल्मन में काम करे खातिर साइन कइल गइल बाड़े. हीरोइन के रही से अबले मालूम नइखे चलल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up